टटका खबर, शुक, 29 दिसम्बर 2017

by | Dec 30, 2017 | 0 comments


मेघालय में अगिला साल विधानसभा के भोट होखे वाला बा आ एकरा से कुछ महीना पहिलहीं कांग्रेस के पाँच गो विधायकल समेत आठ गो विधायक भाजपा के अगुअई वाला राजग शामिल हो गइलें. एह गोलबदलू जमात में उप मुख्यमंत्री रावेल लिंगदोहो शामिल बाड़न. हालांकि एह पाला बदल का बादो अबहीं मेघालय सरकार का लगे बहुमत मौजूद बा.

केन्द्र सरकार में मंत्री हरदीप सिंह पुरी यूपी से राज्यसभा सांसद बनावल जइहें. मनोहर पर्रिकर के इस्तीफा से खाली भइल सीट पर हरदीप पुरी के टिकट दिहले बिया भाजपा. भोटिंग के जरुरत पड़ल त 16 जनवरी के करावल जाई.

लोकसभा शुक का दिने आज दिवालिया आ ऋण शोधन अक्षमता संहिता संशोधन विधेयक 2017 के पारित क दिहलसि. एकरा में व्यवस्था बा कि जानबूझ के करजा ना चुकावे वाली कंपनियल के कर्ता धर्ता ओकरा नीलामी में शामिल ना हो सकीहें. ई लोग अब आपन संपतियो ना बेच सकी जबले करजा के निपटारा नइखे हो जात.

रेल मंत्री पीयूष गोयल शुक का दिने राज्यसभा में कहलें कि रेलवे में खाली पड़स एक लाख बीस हजार से अधिका पद अगिला बरीस भर दीहल जाई.

बरीस का आखिरी दिने बम्‍बई शेयर बाजार 209 अंक के बढ़त बनावत 34 हजार 57 के रिकार्ड बना के बंद भइल. एह साल एकरा में कुल 28 फीसदी के बढ़ोतरी आइल बा. निफ्टीओ अतने फीसदी का बढ़ावल 10 हजार 53 पर बंद भइल. बाजार के जानकारन के कहना बा कि अगिलो साल तेजी बनल रहे के पूरा उमेद बा.

अगला साल पूरा देश में आयुष विश्वविद्यालय आ कॉलेज खोलल जाई जेहसे देश में डॉक्टरन के कमी के तेजी से दूर कइल जा सके. शुक का दिने लोकसभा में राष्ट्रीय चिकित्सा आयोग विधेयक-2017 पेश करत जेपी नड्डा ई जानकारी दिहलन.

यूपी माध्यमिक शिक्षा परिषद अगिला साल होखे वाला इम्तिहानन ला प्राइवेट से फार्म भरे वाला पचास हजार परीक्षार्थियन के पंजीयन रद्द क दिहले बिया.परिषद के सचिव नीना श्रीवास्तव के कहना बा कि एह पंजीयन में फर्जीवाड़ा कइल गइल बा एहीसे एहनी के रद्द क दीहल गइल. अब ओह विद्यालयन के प्राचार्यन प कार्रवाई कइल जाई जहाँ से ई फार्म भराइल रहली सँ.

जौनपुर जिला के बयालसी विधानसभा के विधायक रहल प्रभु नारायण सिंह के बियफे देर राति निधन हो गइल. 88 बरीस के प्रभु नारायण सिंह बहुत समय से बीमार चलत रहलें. शुक का दिने बनारस के मणिकर्णिका घाट प उनुकर अंतिम संस्कार क दीहल गइल.

सारण जिला के बनियापुर इलाका में एगो गाड़ीवाला से उगाही करे वाला दू गो सिपाहियन के शुक का दिने निलंबित क दीहल गइल. एह उगाही के विडीयो सोशल मीडिया प पसरला का बाद दोसर कवनो उपायो ना रहुवे.

पश्चिम चम्पारण जिला के लौरिया थाना में बहाल एगो चौकीदार के नशा का हालत में उत्पाद विभाग के टीम में गिरफ्तार क लिहले बिया.

यूपी के जौनपुर जिला के के सरपतहां इलाका के समोधपुर बगिया के पुरान राम जानकी मन्दिर से शेषावतार लक्ष्मण के अष्टधातु मूर्ति चोरी हो गइल बा.

जीआरपी शुक का दिने मुगलसराय टीसन प दू गो जहरखुरानन के गिरफ्तार क लिहलसि. एहनी का लगे से 64 गो महँग मोबाइल, नगदी आ नशा बरामद भइल बा.

सारण जिला के मशरख इलाका के गोपालबाड़ी से धराइल एगो शराब तस्कर पुलिस के चकमा देके फरार हो गइल.

गोरखपुर के बांसगांव इलाका के बघराई गाँव में एगो आटा चक्की चलावे वाला के लुंगी चक्की का पट्टा में फंस गइल जवना चलते ओकर मौत हो गइल.

पूर्वी चंपारण पुलिस शुक का दिने उत्तर बिहार आ नेपाल में कोहराम मचावे वालाल बदमाश कुणाल सिंह के गिरफ्तार करे में सफल हो गइल.

यूपी के आजमगढ़ जिला के बिलरियागंज इलाका में मुठभेड़ क के पुलिस एगो ईनामी बदमाश के ध लिहलसि. एह मुठभेड़ में एगो सिपाही घवाहिल हो गइल बा.

जौनपुर के शहर कोतवाली इलाका में एगो मोटरसाइकिल सवार बिजलीकर्मी के दुर्घटना से मौत हो गइल. ऊ गौराबादशाहपुर के खटोलिया गांव के निवासी रहल.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up