टटका खबर (शुक, 9 अक्टूबर 2015)

by | Oct 9, 2015 | 0 comments

  • बेहूदा बदबुजानी के मास्टर लालू अब प्रधानमंत्री नरेन्‍द्र मोदी के ब्रह्मपिशाच बतवले बाड़न. काल्हु एगो सभा में पीएम मोदी लालू पर शैतान आवे के बात पर कुछ तंज कसलन त लालू अब उनुका के ब्रह्मपिशाच कहत बाड़न.
  • प्रधानमंत्री नरेन्द्र मोदी आज शुक का दिने बिहार में दू गो चुनावी सभा करीहें. ई सभा दुपहरिया में सासाराम में आ उपरी बेरा औरंगाबाद में होखे वाला बा.
    बिहार विधानसभा के पहिला दौर के वोटिंग 12 तारीख के होखे वाला बा. एह दौर के मतदान समस्तीपुर, बेगूसराय, खगड़िया, भागलपुर, बांका, मुंगेर, लखीसराय, शेखपुरा, नवादा अउर जमुई जिला में होखे वाला बा. एह दौर के चुनाव प्रचार के काम काल्हु साँझ पाँच बजे से बंद हो जाई.
  • बिहार में तिसरका दौर के मतदान खातिर परचा दाखिल करे के काम काल्हु बियफे का दिने पूरा हो गइल. 914 जने आपन परचा दाखिल कइले बाड़न जवना के जाँच आजु होखे वाला बा आ 12 अक्टूबर ले लोग नाम वापिस ले सकी.
  • पांचवे आ आखिरी दौर के मतदान के अधिसूचना बियफे का दिने जारी हो गइल बा आ ओहिजा खातिर परचा दाखिल करे के कामो शुरु हो गइल बा.
  • विधानसभा चुनाव में शांतिभंग के अनेसा सोच के पटना पुलिस विधान पार्षद रीतलाल यादव, बाढ़ के सांसद रह चुकल विजय कृष्ण आ मोकामा के विधायक अनंत सिंह के भागलपुर जेल भेज दिहले बिया. ई लोग पहिले पटना के बेउर जेल में बंद रहुवे.
  • बियफे का दिने बेगूसराय में राजग के चुनाव सभा में पीएम मोदी कहलन कि बिहार चुनाव में लड़ाई ‘जंगलराज’ आ ‘विकास राज’ का बीचे बा. कहलन कि लालू आ नीतीश दुनू भाई पचीस बरीस ले बिहार के लूटलें आ अब फेरू ‘महास्वार्थबंधन’ क लिहले बाड़न. जनता से पूछलन कि का रउरा सभ का देह में शैतान आ सकेला त लोग कहल कि ना. फेर मोदी कहलन कि ओह लोग से कवनो वास्ता नइखे राखे के जिनका देह में शैतान आवे लागल बा. कुछ दिन पहिले लालू प्रसाद कहले रहलन कि हिन्दुओ लोग गाय के मांस खाला बाकिर जब उनकर आलोचना होखे लागल त कह दिहलन कि उनुका मुँह में शैतान आ गइल रहुवे आ उहे अइसन बात कहवा दिहलसि. लालू तो मीडियोवालन के हरामजादा कहले रहलें बाकिर मीडिया हिनहिनइबो ना कइलसि. पर साल जब जनरल वीके सिंह एहनी के प्रास्टीच्यूट कहले रहलन त बहुते हल्ला कइले रहुवे लोग बाकिर हरामजादा वाला बात आराम से पचा लीहल लोग.
  • लालू आ नीतीश अब पीएम मोदी के एगो बयान पर सफाई मांगत बा. मोदी कहलन कि पहिले हमनी का बूझत रहीं जा कि मुकाबला इंसानन से बा बाकिर अब पता लागल बा कि मुकाबला शैतानन से. मोदी के इशारा लालू के दीहल सफाई पर रहुवे बाकिर बात घुमावे में माहिर राजनीतिक लबार लालू के कहना बा कि मोदी पूरा बिहार के शैतान कह के बिहार के अपमान कइले बाड़ें. लालू आ नीतीश दुनू के लागेला कि उहे लोग बिहार ह आ ओहलोग का खिलाफ कुछउ कहल बिहार का खिलाफ कहल मानल जाए के चाहीं. एह लोग के बिहार आ अपना के एके माने के बीमारी खतम होखे में महज 32 दिन बाकी बा. 8 नवंबर के त पते चल जाई कि बिहार के ह आ बिहार केकरा के चाहेला.
  • उत्तर प्रदेश में आजु शुक का दिने पंचायत चुनाव के पहिला दौर के वोटिंग के काम जारी बा. वोट साँझ पाँच बजे ले डालल जाई. एकरा के शांति से निपटावे खातिर तीन लाख से अधिका लोग के लगावल गइल बा.
  • आजमगढ़ जिला के स्वाधीनता संग्राम सेनानी लक्ष्मी प्रसाद गुप्ता के काल्हु बियफे का साँझ जहानागंज क्षेत्र के सहवरिया गांव में अपना पैतृक आवास पर 92 बरीस का उमिर में निधन हो गइल. ओेने जौनपुर जिला के पुरनिया स्वाधीनता संग्राम सेनानी आ सीनियर अधिवक्ता हरिष्चन्द्र वर्मा के निधन परसों देर रात उनका घर पर 90 बरीस का उमिर में हो गइल.
  • गोरखपुर के बाबा राघवदास मेडिकल काॅलेज अस्पताल में एह साल इंसेफ्लाइटिस के 275 मरीजन के मौत हो गइल. काल्हुवो ओहिजा एह बेमारी के पन्दरह गो नया मरीज भरती भइल बाड़ें. 57 गो मरीज पहिलही से इलाज में बाड़ें.
  • भारत का संगे भइल असैनिक परमाणु समझौते का तर्ज पर पाकिस्तानो का साथे परमाणु समझौता करे पर विचार करत अमरीका से भारत आपन कड़ुवहट देखवले बा. विदेश मंत्रालय के बोलतुआ विकास स्‍वरूप कहलन कि केहू के केहु संगे परमाणु संधि पर विचार करे से पहिले ओकरा परमाणु प्रसार के ट्रैक रिकॉर्डो पर धियान देबे के चाहीं.
  • 10 अक्टूबर से 15 अक्टूबर ले जॉर्डन, फलस्तीन अउर इसराइल के जतरा पर निकले वाला राष्ट्रपति प्रणब मुखर्जी जार्डन टाइम्स से कहलन कि पश्चिम एशिया में पसरत अस्थिरता लेके भारत चिंतित बा. कहलन कि एही अस्थिरता का चलते दक्षिण एशिया समेत दुनियाभर में आतंकवादी गतिविधि बढ़त बाड़ी सँ.
  • भारत के साफ कहना बा कि ऊ नेपाल के नाकेबंदी नइखे करत भा करवले. नेपाल में चलत आन्दोलन का चलते नेपाल जाए का राह में नाहियो त पाँच हजार ट्रक अटकल बाड़ी सँ आ नेपाल के चाहीं कि अपना देश में चलत आन्दोलन के समाधान के राह निकाले. अगर नेपाल के नुकसान होखत बा त भारतो के नुकसान कम नइखे.
  • सड़क परिवहन आ राजमार्ग मंत्री नितिन गडकरी बतावत बाड़े कि ईरान में चाबहार बंदरगाह पर कई गो बुनियादी ढांचागत परियोजनन में भारत दू लाख करोड़ रुपिया के निवेश करे के सोचत बावे. ई निवेश गैस के दाम पर चलत बातचीत के परिणाम पर निर्भर करऽता. भारत के कोशिश बा कि गैस के दाम कम से कम रहो.
  • भारत आ दक्खिन अफ्रीका के बीच कोलकाता में होखेवाला तिसरका आ आखिरी बीसबीसा मैच बरखा का चलते रद्द क दीहल गइल आ दक्खिन अफ्रीका एह सीरिज के दू सुन्ना से जीत लिहलसि. अतवार से अब दुनू देश के बीच पाँच गो एकदिना मैचन के सिलसिला शुरू होखे वाला बा.
  • फीफा विश्‍व कप 2018 के क्‍वालिफाइंग मुकाबला में भारत तुर्कमेनिस्‍तान से हार गइल. भारत के ई लगातार चउथका हार रहल आ अब ओकरा एशिया कप ला क्‍वालीफाई करे के कवनो उमेद नइखे लउकत.
  • इंडियन सुपर लीग फुटबॉल टूर्नामेंट में डेल्ही डायनामोज़ एक गोल से चेन्नईयन एफ. सी. के हरा के आपन पहिलका जीत दर्ज कर लिहलसि.
  • पिछला महीना हज का दौरान मचल भगदड़ में मरे वाला भारतीयन के गिनिती बढ़ के 101 हो गइल आ 32 जने अबहियों लापता बतावल जात बाड़ें.
  • जम्मू कश्मीर के निर्दलीय विधायक राशिद के बियफे का दिने विधानसभा में कुछ विधायकन से हाथापाई हो गइल जवना का बाद उप मुख्यमंत्री सदन से माफी मंगलन. राशिद नाम के ई विधायक काल्हु रात एमएलए हास्टल में बीफ पार्टी दिहले रहुवे.
  • चित्रकूट में बुध का दिने एआरटीओ आफिस का लगे तीर्थ यात्रियन से भरल बस में करंट आ गइला का चलते तीन गो सवारियन के मौत हो गइल आ चार जने झँउस गइल बाड़े.
  • भारत के सानिया मिर्जा अपना स्विस जोड़ीदार मार्टिना हिंगिस संगे बियफे का दिने बीजिंग में होखत चीन ओपन टेनिस टूर्नामेंट के महिला युगल वर्ग के सेमीफाइनल में पहुंच गइल बाड़ी.
  • झारखंड में बियफे का दिने पंचायत चुनाव के फैसला के जानकारी देत झारखंड निर्वाचन आयोग के प्रमुख शिव बसंत बतवलन कि मतदान चार दौर में 22 नवंबर से 12 दिसंबर का बीच करावल जाई.
  • भारत के वायुसेना में जल्दिए महिला लड़ाकू पायलटन के बहाली करे के बात एयर चीफ मार्शल अरूप राहा बियफे का दिने कहलन. नई दिल्ली में आजु बियफे का दिने वायुसेना दिवस समारोह मनावल गइल.
  • बियफे का दिने देश शेयर बाजार में बिकवाली के दबाव देखल गइल आ सेंसेक्स 190 अंक गिर के आ निफ्टी 48 अंक गिर के बंद भइल.
  • शारदा चिट फंड घोटाला में सीबीआई काल्हु बुध का दिने केंद्रीय मंत्री रहल कांग्रेसी नेता मातंग सिंह के पत्नी मनोरंजना सिंह के गिरफ्तार क लिहलसि. मातंग सिंह पहिलहीं से जेल में बाड़न. बाकिर दुनू लोग पहिलहीं अलगा हो चुकल बा.
  • एह खबरन का अलावे आजु के टटका टटका खबर देखल मत भुलाएब.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up