टटका खबर, (सोमार, 16 मार्च 2015)

by | Mar 15, 2015 | 0 comments

(अतवार, 15 मार्च के खबर)

  • भाजपा नेता सुब्रह्मण्यम स्वामी के मस्जिद के महज एगो इमारत बतावे वाला बयान का बाद असम के मुख्‍यमंत्री तरूण गोगोई के कहना बा कि उनकर सरकार राज्य में फिरकापरस्त नेतवन के आवे आ तकरीर करे ना दीहें. एहसे पहिले असम सरकार विहिप नेता प्रवीण तोगड़िया के असम में आवे से रोक दिहले रहुवे.
  • स्‍वामी के बयान का खिलाफ असम में अतवारो का दिने विरोध जारी रहल. मुस्लिम मजहबी वक्ता स्वामी के बयान के खिलाफत करत बाड़े. दोसरा तरफ स्वामी हर तरह के बहस ला तईयार बाड़न आ अपना बात पर अड़ल बाड़न. कहलन कि अगर उनुका पर गौहाटी में मुकदमा दायर भइल बा त बढ़िए बा काहे कि एही बहाने एह मुद्दा पर अदालत में बहस करे के मौका मिली.
  • अपना नेता राहुल के गैरहाजिरी का तरफ से धियान हटावे ला कांग्रेस हर छोट मोट बात के मुद्दा बनावे में लागल बिया. हो सकेला कि सोमार का दिने राहुल गाँधी के जासूसी करे के आरोप लगावत संसदो के ना चले देव कांग्रेस. एह बीच गोवा में सरकारी छुट्टियन के सूची में छपाई के गलती से गाँधी जयन्ती के शामिल ना रहलो के कांग्रेस जबरदस्ती मुद्दा बनावे में लागल बिया. जबकि गोवा के मुख्‍यमंत्री लक्ष्‍मीकांत पारसेकर साफ कहतारें कि एह तरह के कवनो फैसला लिहले नइखे गइल आ ई छपाई के गलती बा भा कवनो आदमी जान बूझ के बदमाशी कइले बा.
  • केंद्र सरकार के कर्मचारियन के एलटीसी के तहत पाकिस्तान छोड़ कवनो दोसरा सार्क देश में जाए के मौका मिल सकेला. सरकार एह तरह के प्रस्ताव के अंतिम रुप देबे में लागल बिया.
  • पाकिस्‍तान में लाहौर के एगो चर्च में तालिबानी हमला से नाहियो त डेढ़ दर्जन लोग के जान चल गइल बा. बाद में खिसियाइल लोग दू गो आदमी के पीट के मुआ दिहल. ओकनी पर आतंकी होखे के संदेह रहुवे. चर्च पर भइल हमला के जिम्मेदारी तालिबान के एगो गुट ले लिहले बावे.
  • विश्‍व कप क्रिकेट टूर्नामेंट के क्‍वार्टर फाइनल मैच आज तय हो गइल. बुध का दिने पहिलका क्‍वार्टर फाइनल में दक्खिन अफ्रीका के मुकाबला श्रीलंका से होखी. बियफे का दिने दुसरका क्‍वार्टर फाइनल में भारत आ बंगलादेश के भिड़न्त होखी. शुक का दिने ऑस्‍ट्रेलिया के मुकाबला पाकिस्‍तान से आ शनिचर का दिने आखिरी क्‍वार्टर फाइनल में न्‍यूजीलैंड के मुकाबला वेस्‍टइंडीज से होखी.
  • अतवार का दिने भइल मैच में पाकिस्तान आयरलैंड के सात विकेट से हरवलसि. दोसर मैच में वेस्‍टइंडीज संयुक्त अरब अमीरात के छह विकेट से हरवलसि.
  • भारत के के श्रीकांत स्विस ओपन ग्रां प्री गोल्ड बैडमिंटन चैम्पियनशिप में मरदन के सिंगल्स खिताब डेनमार्क के विक्‍टर एक्‍सेलसेन के हरा के जीथ लिहलन.
  • केन्द्र सरकार के भूमि अधिग्रहण विधेयक के विरोध में काल्हु नीतीश कुमार एयरकंडीशन्ड हाॅल में अनशन कइलन त उनकर जोड़ीदार राजद के लालू प्रसाद आजु अतवार का दिने राजभवन मार्च निकललन. एह लोग के कोशिश बा कि बिहार के विकास का राहे मत बढ़े दिहल जाव. काहे कि ना त जमीन मिल पाई ना कवनो परियोजना पर काम करे के पड़ी. बिहार के नवही घूम घूम के दोसरा राज्यन में नौकरी माँगत फिरिहें.
  • यूपी के अखिलेश सरकार के तीन बरीस अतवार का दिने पूरा भइल त एह मौका पर अउरी अनेके योजना के शुरुआत कइलन मुख्यमंत्री अखिलेश यादव.
  • यूपी मेडिकल प्रवेश परीक्षा ला आॅनलाइन आवेदन 20 मार्च से 22 अप्रेल का बीचे भरल जा सकी. इम्तिहान 24 मई के करावल जाई. एह बात के जानकारी आजु दीनदयाल उपाध्याय गोरखपुर विश्वविद्यालय के कुलपति पत्रकारन के दिहलन.
  • भोजपुर जिला के इमादपुर इलाका के बहादुरपुर कानूडीह गांव का बधार में एगो इनार से एगो औरत के लाश निकालल गइल. बाद में लाश के पहचान विसम्भरपुर गांव के देवांती देवी के रूप में कइल गइल, देवांती देवी मोआपकला पंचायत के वार्ड सदस्य रहली आ पिछला 7 मार्च से लापता रहुवी.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up