टटका खबर (सोमार, 24 अगस्त 2015)

by | Aug 25, 2015 | 0 comments

  • चीन आपन मुद्रा युआन के भाव का गिरवलसि कि दुनियाभर के शेयर बाजारन में हाहाकार मच गइल बा. ग्रीस के संकट से अबहीं बाजार उबरियो ना पवले रहुवे तबले सामने आ गइल चीन के बुलबुला. चीनी सामान के त गारंटी पहिलहूं ना रहुवे बाकिर अब लागत बा कि चीनो के गारंटी नइखे रहि गइल. दुनिया के सबले बड़का बाजारन में दुसरका जगहा मानल जाए वाला चीन के बुलबुला फूट गइल लउकत बा. एहसे दुनिया भर के बाजार में बड़हन बिकवाली होखे लागल बा. केहू के नइखे बुझात कि बाजार के गिरावट के पेंदी कहवां बा. हालांकि रिजर्व बैंक गवर्नर आ देश के वित्त मंत्री भरोसा दिआवे में लागल बाड़ें कि चीन का चलते घबरइला के जरूरत नइखे आ भारत के बाजार में पुरहर मजबूती मौजूद बा. आजु बाजार जब ढिमलाइल शुरु कइलसि त ढिमलाते चल गइल. दुनिया भर के शेयर बाजारन में आइल गिरावट एह बिकवाली के अउरी मजबूत कर दिहलसि.
  • बाकिर सचहु घबरइला के जरूरत नइखे. कह सकीलें कि शेयर बाजार में लूट मचल बा आ एह आपाधापी में औने पौने दाम पर बेचात बा बहुते काम आ दाम वाला शेयर. जेकरा लगे दाम बा आ बाजार समुझे के बेंवत ऊ आजुओ मुनाफा काट रहल बा. जान जाईं कि गिरत दाम पर जे खरीदत बा उहे बाद में चल के मुनाफा काटी. एह से खरीदीं भा मत बाकिर अगर रउरा लगे बढिया कंपनी के शेयर बा त ओकरा के बेची जन. साल दू साल के धीरज धर लीं त ओहु में मुनाफा होखल तय बा.
  • सोमार का दिने सेंसेक्स में 625 अंक के गिरावट आइल जबकि निफ्टी में ओहू ले बड़हन गिरावट देखे के मिलल 491 अंक के. संख्या का लिहाज से ई भलही सेंसेक्स के कम के गिरावट लउकत बा बाकिर अनुपातिक रूप में निफ्टी में अधिका गिरावट भइल बा. एही आपाधापी में रुपियो आजु हर डालर पर 66 रूपिया 65 पइसा हो गइल. क्रूड तेल के दाम पिछला साढ़े छह बरीस में अतना कम ना रहुवे जतना आजु हो गइल बा. शेयर का संगही आजु दुनिया के बाजार में सोनो के दाम में गिरावट दर्ज भइल बाकिर डालर महँग भइला का चलते देश में सोना महँग हो गइल.
  • बिहार में अब एनडीए के घटक दलन का बीच टिकट बँटवारा खातिर विवाद शुरु हो गइल बा. आजु रामविलास पासवान के गोल लोजपा आ उपेन्द्र कुशवाहा के गोल रालोसपा भाजपा से कहलन कि जल्दी से जल्दी टिकट के बाँट बखरा कर लीहल जाव. एहलोग के कहना बा कि भाजपा महक 110 सीट पर लड़े आ बाकी सीट एनडीए के दोसरा गोलन के दे दिहल जाव. एह लोग के इहो कहना बा कि चुनाव के नारा में अबकी बार भाजपा सरकार का बदले एनडीए सरकार के बात कइल जाव. जन अधिकार पार्टी के संरक्षक आ सांसद पप्पू यादव के कहना बा कि अगर 8 तारीख ले कवनो प्रस्ताव नइखे भेजत भाजपा त ऊ आपन अलग राह ध लीहें.
  • केंद्रीय मंत्री आ सेना प्रमुख रहल जनरल वी. के. सिंहो सैनिकन के वन रैंक वन पेंशन के मांग का समर्थन में खुल के आ गइल बाड़ें. बाकिर कहलन कि कुछ पेंच बा जवना चलते एहमें समय लागत बा. कहलन कि भाजपा आ पीएम मोदी एह खातिर किरिया खइले बाड़ें.
  • नेपाल में पुलिस आ प्रदर्शनकारियन का बीच झड़प में आठ गो पुलिसवालन के मौत हो गइल बा आ कुछ पुलिसकर्मी गायबो बतावल जात बाड़ें.
  • संयुक्त राष्ट्र के एगो न्यायाधिकरण के कहना बा कि भारत के दू गो मछुआरन के मारे वाला इटली के दू गो नौसैनिकन पर मुकदमा मत चलावल जाए काहे कि अहसे विवाद बढ. जाई. दुनू देश से एह बारे में रिपोर्ट 24 सितंबर ले पेश करे के कहल गइल बा.
  • कोलंबो में भइल दुसरका टेस्ट मैच में भारत श्रीलंका के 278 रन से हरा दिहलस. एह मैच का बाद श्रीलंका के खिलाड़ी कुमार संगकारा टेस्‍ट मैच के अलिवदा कह दिहलन. 413 रन बनावे के निशान खातिर खेलत श्रीलंका महज 134 रन बनावत बनावत आल आउट हो गइल.
  • डाक विभाग आजु पटना में सम्राट अशोक के नाम पर स्मारक टिकट जारी कइलसि जवना के दाम पाँच रुपिया राखल गइल बा. टिकट जीपीओ डाकघर में बिकाए लागल बा.
  • सावन के आखिरी सोमार का दिने देश भर में हिन्दू श्रद्धालू भगवान शिव के पूजा अर्चना कइले. हर जगह शिव मन्दिरन के श्रद्धाभाव से सजावल गइल रहुवे आ लोग एह मदिरन में भगवान शिव के जलाभिषेक कइले.
  • मंगल का दिने केन्द्र सरकार संसद के सत्र बोलावे का बारे में फैसला ले सकेले. मानसून सत्र में कई गो जरूरी विधेयकन के कांग्रेस का जिद्द का चलते पारित ना करावल जा सकल जवना से कई तरह के समस्या उपजे लागल बा.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं. यूपीआई पहचान हवे - भा सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.
अबहीं ले 12 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार आठ सौ सतासी रुपिया के सहयोग मिलल बा. सहजोग राशि आ तारीख का क्रम से पाँच गो सर्वश्रेष्ठ भामाशाह -
(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(3)

24 जून 2023 दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया
(4)
18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया
(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(11)
24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

पूरा सूची
एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up