टटका खबर : सोमार, 27 जुलाई 2015 (अबेर)

by | Jul 27, 2015 | 0 comments

  • APJ_Abdul_Kalamना रहलन मिसाइल मैन अब्दुल कलाम. आजु सोमार 27 जुलाई का साँझ शिलांग के आईआईएम में व्याख्यान देत घरी साँझ करीब साढ़े छह बजे देश के राष्ट्रपति रहल अब्दुल कलाम के 84 साल का उमिर में दिल के दौरा पड़ल आ कुछे देर बाद अस्पताल में उनकर मौत हो गइल. कलाम साहब के मौत पर सरकार देश में सात दिन के शोक के एलान कइले बिया. सोनिया गाँधी के प्रधानमंत्री ना बनावे का ‘अपराध’ में कांग्रेस उनुका के दुबारा राष्ट्रपति ना बने दिहले रहुवे.
  • आजु सोमार का सबेरहीं पंजाब का गुरुदासपुर का एगो गाँव में पाकिस्तानी आतंकियन के हमला में करीब दर्जन भर लोग के मौत हो गइल. एगो एसपी समेत चार गो पुलिस वालन के आ तिन गो नागरिकन के जान मारे वाला तीनो आतंकियन के मुठभेड़ में मार गिरावल गइल बा. एकनी के इरादा एगो रेलगाड़ियो उड़ावे के रहुवे बाकिर समय पर बम के पता चल गइल आ कवनो हादसा ना हो पावल.
  • आजु सोमार का दिने बिहार के लोग जंगल राज के याद ताजा कर लीहल आ जान गइल कि अगर अगिला सरकार फेरू एह महागठबन्हन के बन गइल त बिहार में आवे वाला जंगल राज कतान विनाशकारी होखी. पूरा बिहार आजु एह महागठबन्हन के लोग के जंगलीपन के झेलल आ हालात अतना खराब रहल कि पटना हाई कोर्टो के पूछे पड़ गइल सरकार से कि ई सब कइसे भइल. चारा घोटाला के सजायाफ्ता मुजरिम लालू प्रसाद पर आजु दसियन धारा के मुकदमा दर्ज कइल गइल बा. लोगो मान गइल कि नीतीश सरकार के शासन में बिहार बहुते बदल गइल बा.
  • कर्नाटक लोकायुक्त जस्टिस वी भास्कर राव के बेटा अश्विन राव के आजु सोमार का सबेरे महाराष्ट्र में रिश्वत लेत घरी लोकायुक्ते के पुलिस गिरफ्तार कर लिहलसि. एकरा बादो लोकायुक्त इहे पता लगावे में लागल बाड़न कि उनुका अपना पद से इस्तीफा देबे के चाहीं कि ना. धत मरदे! आदमी हईस कि पाजामा!
  • कबो दुनिया के अकेला हिन्दू राष्ट्र रहल नेपाल के बाद में सेकूलर दबाव में सेकूलर बना दीहल रहुवे. बाकिर अब ओहिजा के जनता का दबाव में नेपाल एक बेर फेरू हिन्दू राष्ट्र घोषित कइल जा सकेला. नेपाल के संविधान से ‘धर्मनिरपेक्ष’ शब्द हटावे ला सगरी राजनीतिक गोल तइयार हो गइल बाड़ें. बंवारा गोलो एह बात ला राजी हो गइल बा. जान जाईं कि नेपाल के 80 फीसदी लोग हिन्दू ह. वइसे हिन्दुस्तानो के आबादी में हिन्दूवन के संख्या एह घरी अतने बा बाकिर एहिजा सेकूलर कुकुर के काटल लोगन का चलते हिन्दूवन के दुसरा दर्जा के नागरिक जइसन हैसियत हो गइल बा. देश के कई जगहा एह लोग के आपन श्मशान बनावे, पूजा पंडाल लगावे, मूर्ति विसर्जन जुलुस निकाले पर बिना बतावल रोक लगा दीहल बा आ ओह राज्यन के सरकार एहलोग के कवनो सहायता नइखे कइल चाहत.
  • केन्द्र के कांग्रेसी सरकार में मंत्री आ अरुणांचल प्रदेश के मुख्यमंत्री रहल पी के थुंगन के भठियरपन का मामिला में साढ़े चार बरीस के कैद बामुसक्कत के सजा सुनावल गइल बा.
  • 300 करोड़ के कमाई करे वाला ब्लॉकबस्टर हिन्दी फिलिम ‘बाहुबली’ के स्टार प्रभास काल्हु अतवार का दिने प्रधानमंत्री नरेन्द्र मोदी से उनुका कार्यालय में मुलाकात कइलन. बाद मे कहलन कि आजु हमरा जिनिगी के सबसे खुशगवार दिन ह.
  • उत्तर प्रदेश के बहालियन में यादवन के गिनिती असाधारण रूप से अधिका रहे पर सवाल पूछे वाला राज्यपाल राम नाईक के अब यादव सरकार अपना निशाना पर ले लिहले बिया आ मुख्यमंत्री अखिलेश यादव के चाचा रामगोपाल यादव के बयान आइल बा कि राम नाईक के राज्यपाल पद से बरखास्त कर दीहल जाव.
  • विवाद का बाद आखिरकार दिल्ली के उप राज्यपाल नजीब जंग दिल्ली महिला आयोग के अध्यक्ष पद पर स्वाति मालीवाल के बहाली के मंजूरी दे दिहलन.
  • काल्हु 28 जुलाई का दिने यूपी के सगरौ पेट्रोल पंप छह घंटा खातिर बंद रहीहें सँ. एह लोग के शिकायत बा कि पेट्रोल-डीजल पर सरकार के लगावल फिक्स वैट का चलते दाम बढ़त बा बाकिर ओह लोग के कमीशन नइखे बढ़त आ बिक्री पर असर पड़त बा से अलग.
  • मंजू भंडारी के उत्तर प्रदेश महिला क्रिकेट टीम के मैनेजर बनावल गइल बा.
  • संसद में आजुओ काम काज करे में बाधा आइल. एगो कांग्रेसी सांसद अधीर रंजन चौधरी के बदतमीजी का चलते एक दिन खातिर निलंबित करे के प्रस्ताव आइल. एकरा बाद अधीर रंजन अपना बेवहार खातिर माफी माँग लिहलन आ तब उनुका के एके दिन ला निलंबित क के छोड़ दीहल गइल.
  • चीन में आइल मंदी का चलते सोमार का दिने दुनिया भर के बाजारन में गिरावट के दौर रहल आ भारतो के शेयर बाजार बिकवाली का दबाव में टूट गइले. सेंसेक्स में 551 अंक आ निफ्टी में 161 अंक के गिरावट दर्ज भइल. करिया कमाई के धन पर रोक लगावे खातिर पार्टिसिपेटरी नोटो ले के बाजार में हवा गरम रहल आ ओकरो असर पड़ल शेयर बाजार पर.
  • दिल्‍ली के यश सिंह तैराकी में कांस्‍य पदक जीत के स्‍पेशल ओलंपिक विश्‍व खेल में भारत के पहिला पदक दिअवलन.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up