टटका खबर : सोमार, 3 अगस्त 2015

by | Aug 4, 2015 | 0 comments

  • बहुते व्यस्त रहला का चलते आजु सबेरे टटका खबर ना दीहल जा सकल. रउरो सभे जानते बानी कि टटका खबर आ भोजपुरिका डाटकाम के वेबसाइटन के एक आदमी अकेले चलावेला. दुख के बात बा कि पचीस करोड़ भोजपुरी भाषी होखे के दावा होखला का बावजूद एह तरह के हालात बा कि दिन भर में पाँचो हजार लोग भोजपुरी साइटन पर कुल्ह मिलाईओ के ना आवसु. दोसरे ना त कवनो टिप्पणी करे के बा ना कवनो राय जाहिर करे के बा. हर आदमी आपन अलगे खूंटा गाड़ के झुनझुना बजावे में लागल बा. भोजपुरी से प्रेम रहीत त भोजपुरी में पहिलका वेबसाइट अँजोरिया के साथ देले रहीत लोग. ओकरा बाद से पता ना कतना वेबसाइट अइली सँ आ साल दू साल चल चला के चल दिहली सँ. शिकायत एकरो पर ना होखीत बशर्ते भोजपुरिया पाठक पाठिका कवनो वेबसाइट के मजगर बनावे में साथ दिहले रहीत. दुष्यंत कुमार के गजल के एगो शेर सुनाईं त कह सकीलें कि मेरे सीने में न सही तो तेरे सीने में सही/ हो कहीं भी आग लेकिन आग जलनी चाहिए.
  • NaMo-with-Naga-leaders

  • आजादी का बादे से चलल आवत नागालैण्ड समस्या के हल निकालत आ भारत सरकार आ अलगाववादी नागा संगठन एनएससीएन का बीच एतिहासिक समझौता पर दस्तखत हो गइल. दस्तखत का मौका पर प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी, एनएससीएन के संस्थापक सदस्य इसाक मुइवा, बीजेपी अध्यक्ष अमित शाह, केंद्रीय गृह मंत्री राजनाथ सिंह अउर रक्षा मंत्री मनोहर पर्रिकर मौजूद रहलें. एनएससीएन ढेर दिन से ग्रेटर नागालैण्ड के माँग करत रहुवे.
  • संसद में रोजे रोज होखत बवाल से अँउजाइल स्पीकर सुमित्रा महाजन आज 25 गो कांग्रेसी सांसदन के पाँच दिन खातिर निलंबित कर दिहली. एह फैसला के खिलाफ कांग्रेस अध्यक्ष सोनिया गाँधी तय कइली कि बाकिओ सांसद पाँच दिन गैर हाजिर रहीहें. कांग्रेस के एलान कइला का बाद तृणमूल कांग्रेस, आआपा, समेत कुछ अउरी विरोधी दल लोकसभा से एह दौरान गैर हाजिर रहे के एलान कइले बाड़े. एह लोग के एह फैसला के स्पीकर के फैसला के अन्याय माने के चाहींं आ ई लोग लोकतांत्रिक परंपरन के बरबाद करे में लागल बा.
  • आतंकी संगठन इस्लामिक स्टेट का तरफ से इराक आ सीरिया में लड़े गइल सात गो हिन्दुस्तानी नवहियन में से छह गो के मौत हो गइल बा आ सात गो अबहियों लड़ाई में शामिल बाड़ें. एह सात गो अनेरियन में दू गो मुंबई का नियरा कल्याण के, एगो ऑस्ट्रेलिया में रहल कश्मीरी, आ एक एक गो तेलंगाना, बेंगलुरु, ओमान अउर सिंगापुर से बाड़ें. मारल जा चुकल छह गो में से तीन गो आतंकी संगठण इंडियन मुजाहिदीन से जुड़ल रहलें, दू गो महाराष्ट्र के रहुवन सँ आ एगो तेलंगाना से रहुवे.
  • विधानसभा में अपना महागठबन्हन के हालत देखत नीतीश कुमार आ राबड़ी देवी चुनाव ना लड़े के एलान कइले बाड़न. ई लोग अपने त ना लड़ी बाकिर दोसरा के लड़वावे में आपन पूरा ताकत लगाई. एह तरह से एह लोग के आपन सीट बचावे के टेंशन ना रही आ पूरा समय दोसरा के जितावे में लगा सकी. पिछला लोकसभा चुनाव में कांग्रेसो के कुछ महारथी इहे चाल्हाकी कइले रहलन कि हार के बदनामी ना झेले के पड़ल.
  • भारत सरकार नंगा सहवास देेखावे वाला वेबसाइटन के रोके के आदेश दिहले बिया त कुछ लोग बहुते नाराज हो गइल बा. एह लोग के कहना बा कि सरकार एह तरह के काम काहे करत बिया. सोशल मीडिया पर एह बारे में चहचहइला के बाढ़ आ गइल बा. बतावल जाला कि एह तरह के पोर्न साइट देखे वालन में भारत के लोग बहुते अधिका बा.
  • नयका आइएएस लोग के अब जिला में बहाली से पहिले तीन महीना केन्द्र सरकार में सहायक सचिव बन के काम करे के पड़ी. साल 2013 बैच के डेढ़ सौ आईएएस अधिकारियन के बहालो कइल जा रहल बा. कहल जात बा कि दू साल के प्रशिक्षण का दौरान एह लोग के केन्द्र के संपर्क में आवे के कम मौका मिलेला जवन कमी एह तरह से दूर क दीहल जाई. तीन महीना का बाद एह लोग के पुरनके तरह राज्य सरकार के कैडर में जिला में एसडीएम बना दीहल जाई.
  • बिहार के बक्सर जिला के ब्रह्मपुर इलाका में प्रेमेश्वरनाथ मंदिर का नियरा एगो बोलेरो पलट के पोखरा में गिर गइल आ पाँच गो किशोर डूब के मर गइलें. सगरी लाश पोखरा से निकाल लीहल गइल बा. बोलेरो पर एगारह जने सवार रहलें जवना में से छह लोग कूद के आपन जान बचा लीहल आ एह बचवन के छोड़ दीहल.
  • रिजर्व बैंक के गवर्नर के अधिकारन में कटौती करे का बारे में केन्द्र सरकार के कहना बा कि ओकर अइसन कवनो मनसा नइखे आ लोग हवा में खयाली घोड़ दउड़ावत बा.
  • पटना में तेली साहू सम्मेलन के संबोधित करत झारखंड के मुख्यमंत्री रघुवर दास कहलन कि नीतीश आ लालू घमंडी ह लोग आ ई लोग झूठ फरेब के खेती करत बिहार के बहुते पीछे धकेल दिहले बा.
  • इस्लामिक स्टेट के लागत बा कि सपा सरकार का राज में पश्चिमी यूपी ओकर गोड़ जमावे ला सबले माफिक जमीन बन चुकल बा. पूर्वांचलो के कुछ इलाका ओकरा ला मुफीद बन गइल बा जइसे कि मुलायम सिंह के संसदीय इलाका आजमगढ़. एकर जानकारी सूघ के खुफिया एजेन्सी सरकारन के सचेत रहे के कहत बाड़े.
  • भूमि अधिग्रहण विधेयक के बारे में बनावल गइल संसदीय समिति, 2013 के कानून में कइल छह गो संशोधन वापिस लेबे के तइयार हो गइल बा. देखल जाव कि अब विरोधियन के का रुख होखत बा संसद के दुनू सदनन में. राज्यसभा के मौजूदा समीकरण अइसन नइखे कि मोदी सरकार आपन कानून आसानी से पास करवा सके. हो सकेला कि भाजपा के ई फैसला कवनो बडहन रणनीति का तहत होखत होखे. समय बताई कि का होखत बा.
  • सुप्रीम कोर्ट आजु हरियाणा के शिक्षक भर्ती घोटाला में तब मुख्‍यमंत्री रहल ओम प्रकाश चौटाला आ उनुका बेटा समेत अउरी लोगन के दलील खारिज करत ओह लोग के दीहल सजाय बरकारार राख दिहलसि. एह लोग के दस साल जेल में रहे के सजाय मिलल बा.
  • गोवा के कांग्रसी सरकार का समय अधिकारियन के घूस दे के दू गो बड़हन परियोजना के ठेका लेबे के आरोप में एगो अमरीकी कम्‍पनी लुईस बर्जर के तब उपाध्‍यक्ष रहल सत्‍यकाम मोहंती के सोमार का दिने गोवा पुलिस गिरफ्तार क लिहलसि.
  • मंगल का दिने रिजर्व बैंक के मौद्रिक नीति के समीक्षा रपट आवे से एक दिन पहिले सोमार के लगातार चउथा दिने शेयर बाजार में तेजी के रुख बनल रहल. सेंसेक्स सोमार का दिने 73 अंक आ निफ्टी 10 अंक चढ के बंद भइल.
  • बिहार विधानमंडल के मानसून सत्र सोमार का दिन से शुरू भइल आ पहिला दिने देश के राष्ट्रपति रहल अब्दुल कलाम आ दोसरो दिवंगत नेता लोग के सरधांजलि दे के सदन स्थगित कर दीहल गइल. आजु सदन का पटल पर 16745 करोड़ के अनुपूरक मांग वाला बजट राख दीहल गइल. सदन में आजु जदयू के बागी विधायको मौजूद रहलें आ कार्यवाही में शामिल भइलें. आजुए चौबीस गो विधानपार्षद लोग के किरियो धरावल गइल. ई लोग हालही में भइल चुनाव जीत के आइल बा. विधान परिषद के उपसभापति सलीम परवेज के चुनाव हार गइला का चलते अब उपाध्यक्ष के चुनाव के अधिसूचना जारी हो गइल. काल्हु ले परचा दाखिल हो सकी आ अगर जरूरी भइल त पाँच अगस्त के चुनाव करा लीहल जाई..

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up