टटका खबर (सोमार, 5 अक्टूबर 2015)

by | Oct 5, 2015 | 0 comments

  • एनआरएचएम घोटाला के जाँच करत सीबीआई टीम मायावती से कइल पूछताछ से संतुष्ट नइखे आ उनुका से दुबारा पूछताछ करे वाला बा.
  • केंद्रीय वित्त मंत्री अरुण जेटली के कहना बा कि जे लोग आपन करिया धन का बारे में खुलासा कर चुकल बा से अब चैन के नींद सूत सकेला बाकिर जे लोग अबहियों लुकाइल रह गइल बा ओह लोग के नींद अब उड़ जाए के चाहीं काहे कि अब ओह लोग के जुर्माना का साथही जेलो जाए के होखी.
  • अपना नौकरानी से गलत संबंध राखे वाला असम के विधायक गोपीनाथ दास के पुलिस गिरफ्तार कर लिहले बिया. पिछला कई महीना से फरार चलत विधायक अपना के बेकसूर बतावत बाड़े.
  • मडगाव में भइल इंडियन सुपर लीग के दुसरका संस्करण के दुसरका मैच में अतवार का दिने एफसी गोवा 2 बनाम 0 गोल से दिल्ली डायनामोज के हरा दिहलसि.
  • वोटिंग में गड़बड़ी के शिकायत का चलते पश्चिम बंगाल राज्य निर्वाचन आयोग राज्य के तीन गो नगर निकायन के वोट गिने के काम रोक दिहले बिया.
  • उत्तर प्रदेश के बस्ती जनपद के एगो प्राइमरी स्कूल के मास्टर के रिवाल्वर से साफ करत घरी निकलल गोली से एगो छात्रा के मौत हो गइल. घटना का बाद से मास्टर फरार बावे.
  • खराब मानसून से परेशान किसानन के हालत देखत भाजपा कहलसि कि पूरा राज्य के सूखाग्रस्त घोषित करे यूपी सरकार. काहें कि पूरा राज्य के फसल चौपट हो गइल बा.
  • गोरखपुर के बाबा राघवदास मेडिकल कालेज में इंसेफेलाइटिस से आजु अतवार का दिने 8 गो अउर बचवन के मौत हो गइल. एह साल एह बेमारी से मरेवालन के गिनिति 260 हो गइल बा.
  • यूपी बोर्ड, सीबीएसई आ आईसीएससी का साथही अब संस्कृत शिक्षा परिषद आ मदरसो बोर्ड के इंटर परीक्षा पास करे वाली मेधावी लड़िकियन के यूपी सरकार के कन्या विद्याधन के लाभ मिली.
  • दिल्ली के पिछला सरकार में कानून मंत्री रहल सोमनाथ भारती के सोमार ले खातिर न्यायिक हिरासत में जेल भेज दीहल गइल. सोमनाथ पर अपना मेहरारू पर अत्याचार करे के आरोप बा आ गिरफ्तारी से बाचत भागत सोमनाथ बाद में सुप्रीम कोर्ट के आदेश का बाद सरेंडर कइले रहलन.
  • जम्मू कश्मीर के पुलवामा जिला में अतवार का दिने सुरक्षाबल का साथे भइल मुठभेड़ में जैश-ए-मोहम्मद के दू गो आतंकियन के मार गिरावल गइल. दुनू पाकिस्तान के गुलाम कश्मीर के रहे वाला रहले.
  • भारत के नौजवान गोल्फ स्टार राशिद खान अतवार का दिने भइल मर्क्युरीज ताइवान मास्टर्स में साझा में तिसरका जगहा आइल बाड़न.
  • खराब मानसून से परेशान किसानन के हालत देखत भाजपा कहलसि कि पूरा राज्य के सूखाग्रस्त घोषित करे यूपी सरकार. काहें कि पूरा राज्य के फसल चौपट हो गइल बा.
  • गोरखपुर के बाबा राघवदास मेडिकल कालेज में इंसेफेलाइटिस से आजु अतवार का दिने 8 गो अउर बचवन के मौत हो गइल. एह साल एह बेमारी से मरेवालन के गिनिति 260 हो गइल बा.
  • यूपी बोर्ड, सीबीएसई आ आईसीएससी का साथही अब संस्कृत शिक्षा परिषद आ मदरसो बोर्ड के इंटर परीक्षा पास करे वाली मेधावी लड़िकियन के यूपी सरकार के कन्या विद्याधन के लाभ मिली.
  • दिल्ली के पिछला सरकार में कानून मंत्री रहल सोमनाथ भारती के सोमार ले खातिर न्यायिक हिरासत में जेल भेज दीहल गइल. सोमनाथ पर अपना मेहरारू पर अत्याचार करे के आरोप बा आ गिरफ्तारी से बाचत भागत सोमनाथ बाद में सुप्रीम कोर्ट के आदेश का बाद सरेंडर कइले रहलन.
  • जम्मू कश्मीर के पुलवामा जिला में अतवार का दिने सुरक्षाबल का साथे भइल मुठभेड़ में जैश-ए-मोहम्मद के दू गो आतंकियन के मार गिरावल गइल. दुनू पाकिस्तान के गुलाम कश्मीर के रहे वाला रहले.
  • भारत के नौजवान गोल्फ स्टार राशिद खान अतवार का दिने भइल मर्क्युरीज ताइवान मास्टर्स में साझा में तिसरका जगहा आइल बाड़न.
  • समाजवादी पार्टी के प्रदेश अध्यक्ष रामचंद्र यादव आ प्रदेश सचिव राजेश कुमार के गिरफ्तारी के आदेश जारी हो गइल बा. एह लोग पर सपा के टिकट बेचे के आरोप बा. एगो दोसरा मामिला में बेलागंज के राजद विधायक सुरेंद्र यादवो के गिरफ्तारी के आदेश जारी भइल बा. ई एगो ठेकेदार से रंगदारी मंगले रहलन.
  • भाजपा नेता सुशील कुमार मोदी राजद अध्यक्ष लालू प्रसाद पर आरोप लगावत कहले बाड़न कि अगर महागठबंधन के सरकार बनल त नीतीश कुमार गांवे-गांव बूचड़खाना खोलवा दीहें.
  • केंद्रीय वित्तमंत्री अरुण जेटली इशारा दिहलन कि सरकार जल्दिए एगो सीमा से अधिका नकद लेन देन में पैन के जरूरी बनावे जा रहल बिया.
  • चर्चित शीना बोरा हत्याकांड के आरोपी इंद्राणी मुखर्जी के अब होश आ गइल बा आ डाक्टरन के कहना बा कि उनुका स्वास्थ में सुधार हो रहल बा. शुक का दिने अधिका दवाई खा के बेहोश भइल इन्द्राणी के अस्पताल में भरती करावल रहे.
  • अतवार का दिने शशांक मनोहर के बीसीसीआई के खास तौर पर बोलावल आम बैठक में अध्यक्ष चुन लीहल गइल. दोसर कवनो उमीदवारे ना रहल उनुका खिलाफ.
  • गाजीपुर जिला पंचायत के टिकट ना मिलला का दुख में एगो बसपा नेता डीएम कार्यालय का सोझा जान देबे के कोशिश कइलसि बाकिर पुलिस ओकरा के बचा के गिरफ्तार कर लिहलसि. ओकर कहना बा कि साढ़े तीन लाख लिहला का बावजूद बसपा टिकट ना दिहलसि.
  • लखनऊ के चौक इलाका में शनिचर रात एगो खून से लथपथ लाश महमूदनगर इलाका के एगो सकेता गली में मिलल. लाश के पहचान नइखे हो पावत.
  • अफगानिस्तान के कुंदुज शहर में मेडिसिन्स सैन्स फ्रंटियर्स (एमएसएफ) अस्पताल पर अमेरिकी हमला से नौ गो चिकित्सा कर्मियन के मौत हो गइल.
  • दुनिया के बाकी देशन के विरोध के बावजूद रूस के वायु सेना सीरिया में इस्लामिक स्टेट समेत आतंकवादी गिरोह के ठिकाना पर हवाई हमला अउरी तेज करी. अमेरिका के कहना बा कि रुस सभका के आतंकी मान के चलत बा जबकी कुछ गुट महज सीरिया के सरकार के विरोधी हउवें. रुस के कहना बा कि आतंकवादी आतंकवादी होलें आ ओहनी में कवनो तरह के भेदभाव ना होखे के चाहीं.
  • पाकिस्तान आजु फेरू करीब एक सौ हिन्दुस्तानी मछुआरन के गिरफ्तार कर लिहले बावे. ओकर कहना बा कि ई लोग ओकरा समुद्री सीमा में घुस आइल रहुवे.
  • चांगशा में चलत एशियन बास्केटबॉल चैम्पियनशिप के पुरुष वर्ग के फाइनल मुकाबला में फिलीपींस के हराके चीन ने खिताब पर कब्जा पा लिहलसि. भारत एह चैंपियनशिप में 8वां जगहा पर आइल बा.
  • 24 सितंबर का दिने सऊदी अरब में मक्का का नियरा शैतान के खंभा पर ढेला मारे का दौरान मचल भगदड़ से मरे वाला हिन्दुस्तानी के गिनिती बढ़ के 58 हो गइल बा. एह दौरान मरल हाजियन के कूड़ा का ढेर का तरह जेसीबी मशीन से उठा के जगह साफ करावल गइल रहुवे. अगर वइसने काम एहिजा हिन्दुस्तान में भइल रहीत त मीडिया के कुकुरहट से कान बहीर हो गइल रहीत.
  • एह खबरन का अलावे आजु के टटका टटका खबर देखल मत भुलाएब.
  • Loading

    0 Comments

    Submit a Comment

    This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

    संस्तुति

    हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
    शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
    शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
    हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

    अँजोरिया के भामाशाह

    अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
    यूपीआई पहचान हवे -
    anjoria@uboi


    सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
    anjoria@outlook.com
    पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


    अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


    (1)


    18 जून 2023
    गुमनाम भाई जी,
    सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


    (3)


    24 जून 2023
    दयाशंकर तिवारी जी,
    सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


    (4)

    18 जुलाई 2023
    फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
    सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


    (7)
    19 नवम्बर 2023
    पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
    सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


    (5)

    5 अगस्त 2023
    रामरक्षा मिश्र विमत जी
    सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


    पूरा सूची


    एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


    अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

    Categories

    चुटपुटिहा

    सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


    अउरी पढ़ीं
    Scroll Up