टटका खबर, 11 फरवरी 2017, शनिचर

by | Feb 11, 2017 | 0 comments

सोशल मीडिया पर प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी के आपत्तिजनक फोटो पोस्ट करे वाला मोबाइल दूकानदार के गाजीपुर पुलिस गिरफ्तार क के जेल भेज दिहलसि. कासिमाबाद में मोबाइल के दुकान चलावे वाला सोनबरसा गांव के बरक्कत राईनी अपना मोबाइल से सोशल मीडिया पर प्रधानमंत्री के आपत्तिजनक तस्वीर पोस्ट कइले रहल. एकरा खिलाफ संघ के ब्रजभूषण सिंह आ व्यापारी नेता देवेंद्र सिंह वगैरह लोग रिपोर्ट दर्ज करवले रहल.


नवहियन के फोकट में मोबाइल, साइकिल देबे के लालच देखावत अखिलेश आ राहुल आजु लखनऊ में अपना गठबन्हन के 10 सूत्री साझा योजना पेश कइलें. कहल लोग कि राज्य में नवहियन के सरकार बनावे के सही मौका आ गइल बा. दस लाख लोग के फोकट में घरो देबे का वादा कइले बा लोग. यूपी के छह गो शहर में मेट्रो रेल चलावल जाई आ हर जोला मुख्यालय के लखनऊ से चार लेन वाली सड़क से जोड़ दीहल जाई. बाकि अखिलेश ई ना बतवलन कि पिछला पाँच बरीस में ई सब काहे ना कर देखवलें.

यूपी चुनाव में आखिरकार भाई के प्रेम मुलायम सिंह के प्रचार में उतारिये दिहलसि. मुलायम सिंह यादव आजु इटावा जिला के जसवंतनगर विधानसभा सीट से सपा प्रत्याशी आ अपना भाई शिवपाल यादव ला प्रचार करे ताखा ब्लॉक में एगो सभा कइलन. बाकि अपना भाषण में ना त बेटा अखिलेश के नाम लिहलन ना सपा-कांग्रेस गठजोड़ के.

यूपी में आजुए आइल पाँच सीट पर एमएलसी चुनाव परिणाम में भाजपा तीन जगहा प शानदार जीत हासिल कइलसि जबकि बाकी दूनू सीट बेदलियन के भेंटाइल बा. भाजपा एह परिणाम पर खुशी जतावत कहले बिया कि नोटबन्दी का बाद यूपा में भइल पहिलका चुनाव के परिणाम जनता का रुझआन देखावत बा.

यूपी विधानसभा चुनाव के पहिलका दौर के वोटिंग में आजु मुसलमान आ जाट बहुतायत वाला पछिमारा यूपी के 15 जिलन के 73 सीट पर जनता आपन राय दर्ज करवलसि. शुरुआती आकलन में कहल जात बा कि करीब 65 फीसदी वोटर आपन वोट दिहलें. कतहीं से कवनो बवाल के खरब नइखे.

आजु जब यूपी के एक इलाका में वोटिंग चलत रहल ओही घरी दोसरा इलाकन में चुनाव प्रचार के कामो अपना शवाब प रहुवे, बदायूं में प्रधानमंत्री नरेन्द्र मोदी कहलन कि ‘अखिलेश बाबू, काम नहीं कारनामे बोल रहे हैं’ l ओना लखनऊ में राहुल गाँधी कहलन कि मोदी के बाथरुमन में ताक झाँक करे के आदत ह. राहुल रेनकोट पहिर के बाथरूम में मनमोहन सिंह के नहाए के बात कह के कांग्रेसियन पर मोदी के तंज कसला प बोलत रहुवन.

हैदराबाद में चलत भारत बंगलादेश का बीच के टेस्ट मे बंगलादेश के शाकिब अल हसन 82 रन, कप्तान मुशफिकुर रहीम 81 नाबाद रन आ मेहदी हसन मिराज के नाबाद 51 रन का बल प मैच के तिसरका दिने बंगलादेश छह विकेट गवैँ के 322 रन बना लिहलसि. बाकि फॉलोआन से बचे खाति ओकरा अबहियों 165 रन बनवला के जरूरत बा.

समाजवादी गोल के अध्यक्ष अ यूपी के मुख्यमंत्री अखिलेश यादव से आजु उलमा-ए-कराम के प्रतिनिधि मंडल भेंट क के सेक्युलर वोट बाँटे के साजिश से आगाह कइलसि. जान जाईं जे अपना देश के बकुलाह सेकूलरिज्म का भाषा में गैर हिन्दू वोट सेकूलर आ हिन्दू वोट कमुनल कहल जाला. मुसलमान वोट एकतरफा करावे के हर जुगत कइल ता आ साथ ही हिन्दू वोटन के अगड़ा पिछड़ा दलित वगैरह में तूड़े के चाल चलल जाला. ओने सहारनपुर में बसपा नेत्री मायावतीओ उमेद जतवली कि मुसलमान वोट सपा-कांग्रेस का तरफ ना बहकी आ बसपा का संगे बनल रही. दिल्ली जामा मस्जिद के इमामो खुले आम अपील कइले बाड़न कि मुसलमान आपन वोट बसपा के देसु.

इलाहाबाद में एगो डीम्ड यूनिवर्सिटी में अध्यापकन आ कर्मचारियन से मारपीट करे के मुख्य आरोपी आ बाहुबली सपा सांसद अतीक अहमद के पुलिस नैनी इलाका से गिरफ्तार क लिहलसि.

कुछ जरुरी कारण से पूर्वोत्तर रेलवे 13 फरवरी के गोरखपुर से खुले वाली गाड़ी संख्या 12587 गोरखपुर-जम्मूतवी अमरनाथ एक्सप्रेस अउर 15 फरवरी के खुले वाली गाड़ी संख्या 12589 गोरखपुर-सिकन्दराबाद एक्सप्रेस के निरस्त क दिहले बिया.

मऊ जिला के मोहम्मदाबाद गोहना कोतवाली इलाका में आजु भइल एगो सडक हादसा में साइकिल से जात सुरहुरपुर गांव के एगो बूढ़ के ठाँवे प मौत हो गइल. हादसा मुहम्मदाबाद से लवटत घरी भुजही गांव का नियरा भइल जब एगो तेज चलत वाहन उनुका साइकिल के धक्का मार दिहलसि.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up