टटका खबर, 15 फरवरी 2017, बुध

by | Feb 16, 2017 | 0 comments


सिवान के बाहुबली नेता आ सिवान से राजद सांसद रहल शहाबुद्दीन के सिवान जेल से हटा के तिहाड़ जेल भेजे के आदेश सुप्रीम कोर्ट दे दिहलसि आ इहो कहलस कि उनुका प चलत सगरी मामिला के सुनवाई वीडियो कान्प्फ्रेंसिंग से करावल जाव. एह फैसला के स्वागत करत भाजपा के बड़ नेता आ केन्द्रीय मंत्री रहल शाहनवाज हुसैन कहलन कि अब सिवान में अमन चैन होखे के उमेद कइल जा सकेला. ना त जेल में रहला का बावजूद शहाबुद्दीन आपन राज चलावत रहलन. जान जाईं कि पिछला 24 अक्टूबर 2016 का दिने सिवान के व्यवसायी चंदा बाबू अउर पत्रकार राजदेव रंजन के मेहरारू आशा रंजन के याचिका के सुनवाई करत सुप्रीम कोर्ट केन्द्र सरकार, बिहार सरकार आ खुद शहाबुद्दीनो से पऊछले रहुव कि आरोपी के तिहाड़ जेल में काहे ना भेज दीहल जाव, पत्रकार राजदेव रंजन के मेहरारू आशा रंजन कोर्ट से कहले रही कि इनका के सिवान जेल मे रखला से उनुका जान प खतरा बा. साथही ई अपना दहशत से मुकदमा के सुनवाईयो प असर डाल सकेलें. सुप्रीम कोर्ट के आदेश का बाद सिवान में सुरक्षा चौकस क दीहल गइल बा.

यूपी विधानसभा चुनाव के सतवाँ आ आखिरी दौर के वोटिंग ला आजु बुध का दिने 193 जने आपन परचा दाखिल कइलें. अब ले एह दौर ला कुल 365न जने परचा गाखिलक चुकल बाड़ें. वाराणसी कैण्ट सीट प 20 जने, वाराणसी उत्तर सीट प 16 जने, भदोही से 15 जने, राबर्टसगंज अउर ज्ञानपुर सीट से 14 चउदह जने आपन परचा दाखिल कइले बाड़न. चकिया अउर दुद्धी सीट से चार चारे जने परचा दाखिल कइले बाड़न. पांचवा दौर के चुनाव ला परचा जँचला का बाद 84 गो परचा खारिज क दीहल गइल आ 647 परचा सही मिलल.

बिहार सरकार के कर्मचारी अब बिहार का बाहरो तैनाती का दौरान कवनो तरह के नशा भा शराब के सेवन ना कर सकीहें. कानून मे एह तरह के बदलाव का काल्हु मंजूरी दे दीहल गइल.

आजमगढ़ के बरदह इलाका के एगो गाँव में मैदान करे निकलल दस बरीस के बच्ची से एगो लइका बलात्कार क दिहलसि. एकर शिकायत लइकी के घर वाले थाना में कइले बाड़ें.

मिर्जापुर के चुनार इलाका में वाराणसी-मिर्जापुर सड़क प बहरामगंज नूरीनगर का लगे एगो ट्रैक्टर मोटरसाइकिल के धक्का मार दिहलसि जवना चलते मोटर साइकिल सवार नवही के मौत हो गइल आ ओकरा साथे बइठल सवार घवाहिल भइला का बाद अस्पताल में भरती करावल गइल बा.

देवरिया के बरहज कस्बा के एगो लइकी अपना महतारी से डँटइला का बाद अपना कोठरी में जा के फाँसी लगा लिहलसि. छठवीं क्लास में पढ़े वाली लइकी काल्हु स्कूल ना गइल रहुवे त महतारी डाँट दीहले रही.

हर साल का तरह अबकियो फगुआ का मौका प रेलवे बहुते स्पेशल ट्रेन चलावे के एलान कइले बिया कि लोग के परेशानी कम हो सके. एकरा अलावे गरमी का छुट्टियनो का समय भरपूर ट्रेन चलावल जइहें सँ.

वाराणसी कैण्ट इलाका में चोरी के गहना बेचे का ताक में वेटिंग रूम में बइठल एगो ईनामी अपराधी के पुलिस गहना समेत ध लिहलसि. पूछताछ में पता चलल कि ओकरा प बलात्कार आ ठगी के अनेके मामिला दर्ज बा.

बलिया शहर के बहादुरपुर मुहल्ला के दू जने एगो शादी में शामिल भइला का बाद मोटरसाइकिल से घरे लवटत रहलन जब कवनो गाड़ी ओह लोग के धक्का मार दिहलसि आ दूनू जने के मौत ठाँवे प हो गइल.

महात्मा गांधी काशी विद्यापीठ के कुलपति प्रो. पृथ्वीश नाग के अब दीन दयाल उपाध्याय गोरखपुर विश्वविद्यालयो के प्रभार अलगा से सँउप दीहल गइल बा. राजभवन से कुलाधिपति के आदेश एह बाबत जारी हो गइल बा.

सोनभद्र के दुद्धी इलाका में अपना ससुरारी आइल कानपुर देहात के एगो नवही काल्हु मंगल का रात खाना खइला का बाद बगइचा में अमरूक का पेड़ प फाँसी लगा लिहलसि.

जौनपुर के केराकत इलाका के दिल्ला का पूरा गांव में चलत एगो ईंटा भट्ठा का भट्ठी में गिरला का चलते तीन गो मजदूरन के मौत हो गइल.

छपरा मंडल कारा में पुलिस के छापेमारी में मोबाइल समेत अनेके नाजायज सामान बरामद भइल. जोल में बन्द एगो एपराधी जेले से एगो प्रोपर्टी डीलर के फोन क के रंगदारी मंगले रहुवे जवना के श्कायत मिलला का बाद छापा पड़ल रहे.

बुध का दिने भारतीय अंतरिक्ष अनुसंधान संगठन – इसरो – एके साथ 104 गो उपग्रह अंतरिक्ष में स्थापित करा के इतिहास रच दिहलसि. एह उपलब्धि प इसरो के लोहा सगरी दुनिया मान लिहलसि आ अब सभे मान गइल कि इसरो के मुकाबला नइखे.

यूपी चुनाव के दुसरका दौर में आजु 65 फीसदी वोट पड़ल. उत्‍तराखंड से 68 फीसदी वोटिंग के खबर बा. कतहीं से कवनो बड़हन बवाल के खबर नइखे.

अन्‍ना डी एम के नेता शशिकला आजु अपना दू गो संबंधियन का साथे बंगलुरू के स्पेशल कोर्ट में सरेंडर क दिहली जहाँ से उनुका के जेल भेज गीहल गइल. शशिकला चाहत रहुवी कि जेलो में उनुका के एगो महारानी का तरह राख जाव जवना के अदालत ना मनलसि आ ऊ एगो साधारण कैदी का तरह जेल में डाल दीहल गइली.

केन्‍द्रीय मंत्रिमंडल बुध का दिने स्टेट बैंक में ओकरा पांच गो सहायक बैंकन के विलय के मंजूरी दे दिहलसि. एह विलय का बाद भारतीय स्‍टेट बैंक दुनिया के माथ बैंकन में शुमार होखे लागी.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up