टटका खबर, 18 फरवरी 2017, शनिचर

by | Feb 19, 2017 | 0 comments


यूपी विधानसभा चुनाव के तिसरका दौर के वोटिंग कालमहु अतवार का दिने होखे जा रहल बा. एह दौर में 12 जिलन – फर्रूखाबाद, कानपुर, कानपुर देहात, हरदोई, कन्‍नौज, मैनपुरी, इटावा, औरेया, लखनऊ, उन्‍नाव, सीतापुर अउर बाराबंकी – के 69 सीटन ला वोटिंग करीहें मतदाता. मतदान सबेरे सात बजे से शुरू होके साँझ पांच बजे ले चली. एह बीच 2 लाख 41 हजार मतदाता 105 मेहरारु उम्‍मीदवार समेत 826 उम्‍मीदवारन के भावी तय क दीहें.

गाजीपुर जिले के गहमर इलाका में धान के भूसी लदले बिहार से गाजीपुर जात एगो ट्रक गहमर यूनियन बैंक शाखा का नियरा एगो गड़हा में पलट गइल. एकरा नीचे दू गो बच्चा दबा गइले सँ. लइकी के त लोग भूसा से बहरी निकाल लीहल बाकिर सात बरीस के एगो लइका ओही में मर गइल. एह हादसा से खिसियाइल लोग थाना प बवाल काटल आ सड़क प दू गो अउर ट्रक के आग लगा दीहल.

केन्द्रीय रेल राज्य मंत्री मनोज सिन्हा कछवा बाजार में एगो चुनावी सभा में बोलत सपा के ‘काम बोलता है’ प चुटकी लेत कहलन कि जिला में दू गो अजूबा पुल आ 12 बरीस पहिले से शिलान्यास का बादो अइसहीं पड़ल इंजीनियरिंग कालेज एकर सही उदाहरण बा. कहलन कि सपा सरकार के मुखिया नोयडा एक्सप्रेस वे के उदाहरण देलें जवना प हर किलोमीटर 32.85 करोड़ के खरचा आइल जबकि केन्द्र सरकार के एक्सप्रेस-वे प महज 18 लाख रुपिया खरच होला.

बिहार विधान परिषद के चार गो सीट ला होखत चुनाव महागठबंधन में फाँक लउके लागल बा. चार गो में एकहू सीट ना मिलला से नाराज कांग्रेस आपन दू गो उमीदवार मैदान में डाल दिहले बिया. एहीजा 9 मार्च के वोटिंग होखे जा रहल बा.

सुप्रीम कोर्ट का आदेश से मजबूर बिहार सरकार शहाबुद्दीन के बेउर जेल से दिल्ली खाति भेज दिहलसि. बाहुबली राजद नेता शहाबुद्दीन के बिहार संपर्क क्रान्ति ट्रेन से ले जाइल जाल बा.

सुप्रीम कोर्ट का आदेश का बाद सपा सरकार के मंत्री आ चुनाव में उमीदवार गायत्री प्रजापति समेत सात जने का खिलाफ गौतमपल्ली थाना में सामूहिक बलात्कार के मामिला लिखल गइल बा. हो सकेला कि एह मामिला में उनुकर गिरफ्तारियो हो जाव.

सोनभद्र जिला के राबर्ट्सगंज कोतवाली इलाका में वाराणसी-शक्तिनगर हाईवे प भइल सड़क हादसा में एगो ट्रैक्टर चालक के मौत हो गइल आ ओह प सवार दू जना घवाहिल हो गइलें. मिर्जापुर जिला के अदलहाट इलाका के मानिकपुर गाँव के ट्रैक्टर चालक अपना दू गो साथियन साथे अहरौरा से ईंटा लादके राबर्ट्सगंज आवत रहल जब तकिया गांव का नियरा एगो ट्रक से धक्का लाग गइल.

तमिलनाडु के मुख्‍यमंत्री ई पलनीसामी विधानसभा में विपक्ष के निकलवइला का बाद भइल वोटिंग में 122 विधायकन के समर्थन हासिल क के विश्‍वास मत जीत लिहलन. जाने जोग बा कि जयललिता के नाम प जीतल ई लोग आजु उनुका अनेके फैसला का खिलाफ हो गइल. पनीर सेल्वम प उनुका भरोसा रहल त पनीर सेल्वम के हटा गीहल गइल. शशिकला आ उनुका भतीजा के निकाल फेंकले रही त अब एही लोग के तूती बोलत बा गोल में. जयललिता मर गइली, शशिकला जिन्दाबाद.

महात्मा गाँधी पुल से सटले बनल हाजीपुर पटना पीपा पुल के उद्घाटन करत बिहार के उपमुख्यमंत्री ताजस्वी यादव कहलन कि जून ले दीघा पहलेजा, अउर आरा छपरा पुलो चालू हो जाई.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं. यूपीआई पहचान हवे -
भा
सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.
अबहीं ले 12 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार आठ सौ सतासी रुपिया के सहयोग मिलल बा. सहजोग राशि आ तारीख का क्रम से पाँच गो सर्वश्रेष्ठ भामाशाह -
(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(3)

24 जून 2023 दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया
(4)
18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया
(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(11)
24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

पूरा सूची
एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up