टटका खबर : 22 जुलाई 2015 (अबेर)

by | Jul 23, 2015 | 0 comments

  • खबर खातिर बहुते वेबसाइट बाड़ी सँ बाकिर भोजपुरी पढ़े के आदत डाले खातिर टटका खबर से बढ़िया कवनो दोसर बेबसाइट ना भेंटाई. एकरा के भोजपुरी पढ़े के अभ्यास का तरह देखीं. रोज आईं आ अपना भोजपुरी के धार तेज करीं. न्यूज हंट एप के धन्यवाद दीं जे भोजपुरी के अतना बड़हन मंच दिहलसि. हिन्दुस्तान के दोसर कवनो न्यूज एप के अतना बड़हन पहुँच नइखे जतना न्यूज हंट के बा. अगर अबहीं ले न्यूजहंट एप अपना स्मार्ट फोन पर डाउनलोड नइखीं कइले त आजुए करीं.
  • बिहार के मुख्यमंत्री रहल जीतन राम माँझी आजु दरभगा में पत्रकारन से बतियावत कहलन कि नीतीश आ लालू के गोल के गठबन्हन असहज आ अव्यावहारिक बा. कहलन कि नीतीश से बड़का साँप नइखीं देखले.
  • बेउर जेल में बंद आतंकी भटकल कुछ दिन पहिले अपना मेहरारू से बतियावत कहले रहुवे कि ऊ जल्दिए जेल से भाग निकली काहे कि ओकर मदद इस्लामी स्टेट करे वाला बा. एकरा बादे से बिहार के सगरी जेलन के चौकन्ना करा दीहल गइल बा. भटकल पर पटना गाँधी मैदान में मोदी के सभा में बम फोड़वावे आ बोधगया विस्फोट समेत अनेके वारदात के दोस लागल बा.
  • राज्य सरकार पंचायती राज के चुनाइल जन प्रतिनिधियन के असमय आ कवनो आपराधिक घटना भा हादसा में मौत भइला पर उनुका परिवार के पाँच लाख रुपिया मुआवजा दी. ग्राम कचहरी के सेवो आगे जारी राखे के बात कहत सरकार ओहू लोग के मानदेय छह हजार रुपिया कर दिहले बिया.
  • हिन्दू आ मुस्लिम समुदाय में से चुनल 144 गो तीर्थयात्रियन के काल्हु राजस्थान के पुष्कर आ अजमेर षरीफ के यात्रा पर रवाना करावल जाई. एह खातिर काल्हु दुपहरिया में लखनऊ चारबाग टीसन से एगो स्पेशल रेलगाड़ी रवाना होखे वाली बा.
  • इटारसी रेलवे स्टेशन के स्वचालित सिग्नल सिस्टम में आग लगला से आइल खराबी आखिरकार 35 दिन बाद सुधार लीहल गइल बा आ अब एह रुट पर रेलगाड़ियन के आवाजाही सामान्य हो गइल बा. तबहियों पूर्वोत्तर रेल के आठ गो रेलगाड़ अबहियों रैक का कमी का चलते कुछ दिन अउर बंद रहीहें सँ.
  • बियफे का दिने समाजवादी पार्टी सुषमा स्वराज का पक्ष में खुल के आ गइल. मुलायम सिंह सवाल उठवलन कि आखिर एगो औरत पर काहे सवाल उठावल जात बा. सपा के एगो नेता कहलन कि सपा कबो सुषमा के इस्तीफा नइखे मँगले.
  • भाजपा के कहना बा कि करोड़ो रुपिया के शराब घोटाला में नाम जगजाहिर हो गइला का बाद एहमे शामिल उत्‍तराखंड के मुख्‍यमंत्री हरीश रावत के इस्तीफा दे देबे के चाहीं. हालांकि एह खुलासा का बाद मुख्‍यमंत्री के निजी सचिव मोहम्‍मद शाहिद के निलम्बित कर दीहल गइल बा.
  • नरसिंह राव के सरकार में केन्‍द्रीय मंत्री रहल पी. के. थुंगन के अदालत से दोषी ठहरावल गइला का बाद भाजपा कांग्रेस पर अउरी हमलावर हो गइल बिया.
  • दिल्‍ली महिला आयोग के अध्‍यक्ष पद आआपा से जुड़ल स्वाति मालीवाल के दिल्ली महिला आयोग के चेयरमैन बनवला के दिल्ली के उपराज्यपाल नजीब जंग गैर कानूनी बता दिहले बाड़न.
  • सुप्रीम कोर्ट से खिलाफ में फैसला आ गइला का बाद हरियाणा के जाट संगठन अब संवैधानिक पीठ में सुनवाई खातिर दुबारा याचिका दायर करीहें.
  • विपक्ष के हमला के धार भोथर करे में लागल भाजपा के आजु सफलता मिलल जब ऊ कांग्रेस के बाकी विपक्ष से अलग करे में कुछ हद ले सफल गहो गइल. एगो बेनाम नेता के खुलासा करे के बात सुनते सोनिया आ राहुल के रैली रद्द क दिहलसि कांग्रेस. ई नेता कोयला घोटला के आरोपी संतोष बागरोडिया के राजनयिक पासपोर्ट दिआवे खातिर सुषमा पर दबाव बनवले रहले. बाकिर सुषमा राजी ना भइली.
  • दंगा पीडितन का नाम पर देश के बदनाम क के विदेश से करोड़ों के चंदा बटोर के वाइन आ कंडोम खरीदे आ मजा उड़ावे में लगावे वाली तीस्त सीतलवाड के अबहीं गिरफ्तार करे से सुप्रीम कोर्ट मना क दिहले बा.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up