टटका खबर, 26 दिसम्बर 2017

by | Dec 27, 2017 | 0 comments

भारत के कहना बा कि पाकिस्‍तान कुलभूषण जाधव के परिवार का साथे आपसी सहमति का खिलाफ काम कइले बा. विदेश मंत्रालय के बोलतुआ रवीश कुमार कहलन कि जाधव के महतारी आ मेहरारु के मंगलसूत्र, चूड़ी आ बिन्‍दी ले भेंट करे से पहिले उतरवा लीहल गइल. आ कई बेर कहला का बादो जाधव के मेहरारु के चप्‍पल वापिस ना कइलसि पाकिस्तान. एह लोग के अपना भाषा में बतियावहूं से रोकल गइल आ कुलभूषण के ओतने कहे के इजाजल रहल जतना उनुका के सिखावल रहुवे. भारत के उप उच्‍चायुक्‍त के फरका क के भेट शुरू करा दीहल गइल रहे.

जैश-ए-मोहम्‍मद के खुंखार आतंकवादी नूर मोहम्‍मद तांत्रे के मंगल का दिने जम्‍मू कश्‍मीर के पुलवामा जिला के सम्‍बूरा इलाका में मार गिरावल गइल. एह आतंकी प श्रीनगर हवाई अड्डा प बीएसएफ कैंप पर भइल हमला के आरोप रहुवे. साल 2003 में दिल्ली में भइल एगो आतंकी धमाको के आरोप एकरा प रहुवे. ई आतंकी श्रीनगर का सेंट्रल जेल से 2015 में पेरोल प निकलला का बाद फरार हो गइल रहुवे आ सुरक्षा बल एकरा ताक में रहलें.

भाजपा नेता जयराम ठाकुर बुध का दिने हिमाचल प्रदेश के नयका मुख्यमंत्री पद के किरिया धरीहें. किरिया धराई समारोह सबेरे 11 बजे शिमला के ऐतिहासिक रिज मैदान में होखे जा रहल बा. एह मौका प पीएम मोदी, भाजपा के राष्ट्रीय अध्यक्ष अमित शाह, पुरनिया नेता लाल कृष्‍ण आडवाणी समेत अनेके केन्‍द्रीय मंत्रिओ मौजूद रहीहें.

चार दिन का छुट्टी का बाद बुध से संसद के बइठका फेरू शुरु होखे जा रहल बा बाकिर कांग्रेस एकरा के सही से चले दी एकर उमेद कमही बा. बियफे का दिने तीन तलाक का खिलाफ बिल आवे वाला बा जवना के विरोथ करबे करी कांग्रेस.

जी एस टी के वसूली नवम्बर में अउरी घट के महज अस्सी हजार आठ सौ आठ करोड़ रुपिया भइल बा.

बिहार के खगड़िया जिला में गंगा नदी में एगो नाव का पलटला से तीन गो औरतन समेत छह लोग के डूबला से मौत हो गइल. एह लोग के लाश निकाल लीहल गइल बा.

मंगल का दिने बंबई शेयर बाजार के सेंसेक्स 70 अंक बढ़ि के 34 हजार 11 के नया रिकार्ड बना के बंद भइल. निफ्टीओ 39 अंक के बढत लेत 10 हजार 532 के नया निशान बना दिहलसि.

पूरा उत्तर भारत समेत यूपीओ बिहार में कड़ाका के जाड़ा पड़ल शुरु हो गइल बा. कई जगहा दिनो भर घाम ना निकलल. ई शीत लहरी अबहीं जारी रहे के अनेसा बा.

बिहार के मुख्यमंत्री नीतीश कुमार मंगल का दिने कहलन कि चार महीना में पटना मेट्रो प काम शुरू हो जाई. एह बारे में नया प्रस्ताव बना के केन्द्र सरकार का लगे भेज दीहल गइल बा. नीतीश कुमार पटना में एक सौ अड़सठ करोड़ रूपिया में बनल पटना जंक्शन फ्लाईओवर के उद्घाटन समारोह में बोलत रहलन.

बक्सर जिला के धनसोई इलाका में विक्रमगंज बैक शाखा से रुपिया निकाल के आवत बैंक कर्मचारियन से कउवाखोज पुल का लगे पांच लाख रूपिया लूट लीहले सँ डकैत. अबहीं एह मामिला में कवनो के गिरफ्तारी नइखे भइल.

राकांपा नेता आ ओकर राष्ट्रीय महासचिव आ कटिहार से सांसद तारिक अनवर के तबियत अचके बिगड़ला का बाद उनुका के एयर एम्बुलेंस से दिल्ली भेजल गइल बा. अबहीं उनुकर हालत थिर बतावल जात बा.

औरंगाबाद जिला में सोननगर रेल पुलिस आठ गो देशी पिस्तौलन का साथे एगो हथियार तस्कर के गिरफ्तार क लिहलसि. ई हथियार झारखंड के पलामू से सासाराम ले जात रहुवे ई तस्कर.

पश्चिम चंपारण जिला के रामनगर इलाका के एगो दुकान से पांच सौ सैंतीस बोतल विदेशी शराब बरामद क के पुलिस दू जने के गिरफ्तार कइले बिया.

रुस के मौजूदा राष्ट्रपति पुतिन के विरोधी एलेक्सी नवल्नी के चुनाव लड़े जोग नइखे मनले ओहिजा के चुनाव आयोग आ उनुका चुनाव लड़े प रोक लगा दीहल गइल बा. एलेक्सी अपना समर्थकन से एह हालत में चुनाव बहिष्कार करे के गोहार लगवले बाड़न.
Embed Music – Podcast Hosting –

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं. यूपीआई पहचान हवे - भा सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.
अबहीं ले 12 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार आठ सौ सतासी रुपिया के सहयोग मिलल बा. सहजोग राशि आ तारीख का क्रम से पाँच गो सर्वश्रेष्ठ भामाशाह -
(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(3)

24 जून 2023 दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया
(4)
18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया
(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(11)
24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

पूरा सूची
एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up