टटका खबर, 26 मार्च 2017, अतवार

by | Mar 27, 2017 | 0 comments


विधानसभा चुनाव में बड़हन हार का बाद अब बाप बेटा फेरु आमने सामने आ गइल लउकत बाड़ें. सपा गोल के मौजूदा अध्यक्ष आ यूपी के मुख्यमंत्री रहल अखिलेश यादव 28 तारीख का सबेरे सपा विधानमंडल गोल के बइठक बोतवले बाड़न त मुलायम सिंह 29 मार्च के साँझ बेरा नवका चुनाइल विधायकन के बइठक बोलवले बाड़न. मुलायम आ शिवपाल एह बाति ला नाराज बतावत जात बाड़ें कि एह लोग के शनिचर का दिने भइल सपा राष्ट्रीय कार्यकारिणी के बइठक ला बोलहटा ना दीहल गइल रहे. 25 बरीस में पहिला बेर अइसन भइल कि राष्ट्रीय कार्यकारिणी के बइठक से मुलायम सिंह के अलगा राखल गइल.
28 मार्च से विधायकन के किरियाधराई होखे जा रहल बा आ पूरा उमेद बा कि ओकरा पहिलहीं अखिलेश अपना विधायकन के नेता चुन लीहें. मुलायम सिंह कै मन बा कि आजम खां भा शिवपाल सिंह के नेता प्रतिपक्ष बनावल जाय जबकि अखिलेश राम गोविंद चौधरी के ई पद दे सकेलें.

यूपी में गैरकानूनी रुप से चलावल जात बूचड़खाना का खिलाफ होखत कार्रवाई से नाराज गोश्त व्यापारी सोमार से बेमियादी हड़ताल चलावे के एलान कइले बाड़न. एही हप्ता से शुरु होखे जात चइती नवरात का चलते वइसहूं अधिकतर लोग शाकाहारे करे वाला बा बाकि कुछ लोग के परेशानी जरुर बढ़ गइल बा. एही बीच एह बूचड़खानन के कारगुजारी आ कबाब बेचेवालन के हरामपंथिओ के खबर अइला से बहुते लोग बेचैन हो गइल बा. काहे कि ई बूचड़खाना कुकुरो के गोश्त मिला के बेच देत रहलें आ कबाब बेचेवाला मटन कबाब का नाम प लोग के बीफ खियावत रहलें.

जलवायु परिवर्तन आ पर्यावरण से जुड़ल बातन का बारे में जागरुकता फइलावे का मकसद से जलावल विशेष रेलगाड़ी आजु मऊ चहुँप गइल. एहिजा ई रेलगाड़ी चार दिन ला डेरा डलले बिया.

बिहार के सगरी नगर पालिकन के चुनाव 7 अप्रेल से 12 अप्रेल का बीच करावे के एलान कइले बावे राज्य निर्वाचन आयोग. हालांकि बेगूसराय आ अरवल जिला में कुछ कारण से ई चुनाव ना होखी.

सूचना प्रसारण मंत्री एम. वेंकैया नायडु के आवास पर आयोजित उगादि समारोह में पीएम मोदी कहनी कि आजुकाल्हु आतंकवाद पूरा मानवता ला बड़हन चुनौती बन गइल बा आ सगरी दुनिया के अपना लपेटा में ले लिहले बावे. एकरा से निपटे ला प्राचीन ग्रंथन से प्रेरणा लेबे के जरुरत बा. पुराणन के घटना के आजु का संदर्भ में देखल जाव त आतंक का खिलाफ सबले पहिला लड़ाई जटायू लड़ल रहलें. भारतीय पंचांग का हिसाब से उगादि नयका साल के आगम के प्रतीक ह.

माउंट आबू में ब्रह्मकुमारी परिवार के समारोह को संबोधित करत पीएम मोदी के कहना रहल कि भारत आपन मान्‍यता दोसरा प थोपे में विश्‍वास ना करे.

जम्‍मू कश्‍मीर में होखे जा रहल विधान परिषद के छह गो सीट के चुनाव ओहिजा सरकार चलावत पीडीपी आ भाजपा के गठजोड़ तीन तीन गो सीट प लड़े के एलान कइले बावे. ई लोग अपना बूते चार गो सीट जीत सकेला आ निर्दलियन के सहयोग से एगो अउर सीट जीत सकेला. चुनाव 17 अप्रैल के करावल जाई.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up