टटका खबर, 28 सितम्बर 2017, बियफे

by | Sep 28, 2017 | 0 comments


अर्थ व्यवस्था के हालत खराब बतावत रिसियाइल भाजपा नेता यशवन्त सिन्हा के लेख का बाद आजु वित्‍तमंत्री अरुण जेटली कहलन कि देश के मौजूदा आर्थिक स्थिति दुनिया के सबसे तेज गति से बढ़े वाली अर्थव्‍यवस्‍था बिया. कहलन कि अब आर्थिक अनुशासन सरकार के प्राथमिकता बावे. कहलन कि अबहीं उनुका भूतपूर्व वित्त मंत्री कहाए के सुख सुविधा नइखे जे आपन दिन भुला के दोसरा प ज्ञान बधारे के आजादी ले सको.

दिल्ली के रेलभवन प पत्रकारन से बतियावत रेल मंत्री पीयूष गोयल कहलन कि रेल में फ्लेक्सी भाड़ा पर फेर से सोचल जा रहल बा काहे कि एकरा चलते भाड़ा बहुते बढ़ जात बा. कहलन कि पूरा कोशिश रही कि एकरा के तर्कसंगत बनावल जाय. 9 सितम्बर 2016 से राजधानी, दुरन्तो आ शताब्दी गाड़ियन में फ्लेक्सी भाड़ा वाला योजना चलत बा जवना में हर 10 फीसदी टिकट बिकइला का बाद भाड़ा 10 फीसदी बढ़ जाला आ आखिरी टिकट तिगुना दाम प खरीदे के पड़ जाला. इहो बतवलन कि 1 नवम्बर 2017 से 48 गो मेल एक्सप्रेस गाड़ियन के सुपर फास्ट बना दीहल जाई आ करीब 700 रेल गाड़ियन के रफ्तार बढ़ावल जाई. नया लाइन बिछवला का बदले अब पुरनकी लाइन के चुस्त दुरुस्त करे प जोर दीहल जा रहल बा. बतवलन कि अगिला चार से पाँच बरीस में सगरी लाइन के बिजली वाला क दीहल जाई जवना से रेलवे के 10000 करोड़ रुपिया का बचत होखी.

यूपी पुलिस के स्पेशल टास्क फोर्स आजु मेरठ में मुठभेड़ क के मुकीम काला गिरोह के इनामी बदमाश आ मुकीम काला के भाई वसीम के घाहिल क के गिरफ्तार क लिहलिस बाकिर इलाज का दौरान वसीम के मौत हो गइल. वसीम प पचास हजार रुपिया के इनाम घोषित रहुवे.

रेप करे के आरोपी बदनाम पत्रकार आ तहलका पत्रिका के प्रधान संपादक तरुण तेजपाल का खिलाफ आजु गोवा के एगो अदालत आरोप पत्र तय क दिहलसि. अब जल्दिए तेजपाल के गिरफ्तार कइल जा सकेला. अगिला सुनवाई 21 नवम्बर के होखे वाला बा.

नया मुल्ला पियाज बेसी खाला वाला कहावत के सही साबुत करत बिहार कांग्रेस के नवका बहाल कार्यकारी अध्यक्ष कौकब कादरी आजु कहलन कि आलाकमान का खिलाफ केहू कमेंट करी त ओकरा का परदाश्त ना कइल जाई.

गोरखपुर के झगहा में आजु एगो सड़क हादसा में राधोपुर गाँव के एगो आदमी के मौत हो गइल जब ऊ मोटरसाइकिल से कुछ काम ला कहीं जात रहुवे.

देवरिया में सरकारी डाक्टर खालिद के हत्या करे के आरोपी के आजु पुलिस गिरफ्तार क लिहलसि.

देश के शेयर बाजारन में आजु बियफे का दिने कुछ सुधार देखे के मिलल. सेंसेक्स 122.67 अंक बढ़ के आ निफ्टी 33.20 अंक बढ़ के बन्द भइल.

यूपी के पुलिस महानिदेशक सुलखान सिंह के सेवा अवधि तीन महीना अउरी बढ़ावे के प्रस्ताव केन्द्र का लगे भेजल गइल बा. केन्द्र एकरा के मान लिहले बावे.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up