टटका खबर, 31 जनवरी 2017, मंगल

by | Jan 31, 2017 | 0 comments


यूपी में चाचा भतीजा के रार अबहीं ले थमल नइखे आ चुनाव बाद एकरा एक बेर फेरु फफके के अनेसा बन गइल बा. आजु जसवंतनगर विधानसभा सीट से सपा प्रत्याशी के रूप में आपन नामांकन दाखिल कइला का बाद ओहिजा बोलावल सभा में शिवपाल ऐलान कइलन कि 11 मार्च का बाद ऊ नेता जी संगे नया गोल बनइहें. अखिलेश के एक तरह से चुनौतिओ दे दिहलन कि सरकार बना के देखा द. कहलन कि जवना कांग्रेस का बेंवत चार गो सीट जीते के ना रहल तवना के 105 सीट दे दिहलन. कहलन कि अगर उनुका टिकट नाहियो मिलल रहीत तबो जसवंतेनगर से चुनाव लड़तन. शिवपाल सिंह यादव इहो एलान कइलन कि कांग्रेस का खिलाफ खड़ा अपना समर्थकन ला प्रचारो करीहन.

बिहार के राज्यपाल सह कुलाधिपति राम नाथ कोविंद आजु बिहार के आठ गो विश्वविद्यालयन में नया कुलपतियन के बहाली क दिहलन. पटना विश्वविद्यालय में प्रो. सुधीर कुमार श्रीवास्तव, मुजफ्फरपुर के बाबासाहेब भीमराव अम्बेदकर बिहार विश्वविद्यालय में प्रो. रविन्द्र कुमार वर्मा ‘रवि‘ के, बोधगया के मगध विश्वविद्यालय में प्रो. कुसुम कुमारी के, दरभंगा के ललित नारायण मिथिला विश्वविद्यालय में प्रो. राजकिशोर झा के, भागलपुर के तिलका मांझी विश्वविद्यालय में प्रो. क्षेमेन्द्र कुमार सिंह के, दरभंगा के कामेश्वर सिंह संस्कृत विश्वविद्यालय में प्रो. विद्याधर मिश्रा के, पटना के मौलाना मजहरुल हक अरबी अउर फारसी विश्वविद्यालय में प्रो. रमेश चन्द्र सिंह के, आ पटना के नालन्दा खुला विश्वविद्यालय में प्रो. शिवाकान्त झा के बहाली भइल बा. छपरा आ आरा के विश्वविद्यालयन में बहाली नइखे भइल.

नोटबंदी का बाद गलत तरीका से बैंक में आपन करिया धन जमा करवा के जे लोग गदगद रहुवे कि अपना रुपयन के धो धो के उजर कर लिहलन ओह लोग पर बज्जर गिरे के खबर बा. सीबीडीटी एगो अइसन सॉफ्टवेयर – स्वच्छ धन – बनवले बा जवन 18 लाख लोग के नाम छाँट निकलले बा जिनका आमदनी आ खाता में जमा रकम में मेल नइखे बइठत. अब एह लोग के आयकर विभाग के नोटिस भाजल जात बा जवना के मिलला का दस दिन भितरे पूरा जवाब दे देबे के पड़ी.

चुनार से सवारी लेकर नरायनपुर जात एगो आटो के आजु सँझिया मिर्जापुर-वाराणसी मार्ग प एगो ट्रक धक्का मार दिहलसि. एह हादसा में आटो चलावे वाला के मौत ठाँवा प हो गइल.

मुख्यमंत्री नीतीश कुमार आजु निश्चय यात्रा के क्रम में सिवान जिले के निजामपुर गांव में सात निश्चय के तहत चलावल जात योजनन के निरीक्षण कइलन. कहलन कि उनकर सरकार समाज के निचलो पायदान पर खड़ा आदमियन के विकास करे ला लागल बिया. कहलन कि बिहार पहिला राज्य होई जहां हर घर में बिजली, शौचालय अउर हर गली-नाली पक्का होखी. कहलन कि शराबबंदी का बाद हर घर में खुशहाली के माहौल बन गिल बा.

औराई इलाका के विदईपुर खम्हरियां के एगो बूढ़ मेहरारू मिर्जापुर के लालगंज तहसील में नैड़ी कठारी गांव में जमीन लेके किसानी करत रहली. उनुकर बेटा आ परिवार भदोही के पुस्तैनी मकान में रहेला. आजु ओह मेहरारू क लाश घर के सोझा अरहर के खेत में पड़ल मिलल. पुलिस मामिला के जाँच करत बिया.

वाराणसी के मंडुआडीह इलाका में आजु 100 किलो विस्फोटक का साथे कुशल, शमशाद, सलमान आ मुख्तार नाम के चार गो अपराधियन के गिरफ्तार क लिहलसि पुलिस. शमशाद भदोही के आ बोकी तीनो वाराणसी के हउवें.

देवरिया के न्यू कालोनी मोहल्ला के नरेन्द्र रूंगटा के दुकान चौराहा प बा जहवाँ बिजली के सामान बिकात रहे. आजु भोरे दुकान में आग लाग गइल आ लाखों के सामान जर के राख हो गइल.


राष्ट्रपति के अभिभाषण का साथे आजु से संसद के बजट सत्र शुरू हो गइल. आजु आर्थिक सर्वेक्षण पेश होखी आ काल्हु बजचय अबकी साल से रेल बजट अलगा से पेश हा होखी आ बजटे में उहो शामिल रही. पीएम मोदी उमीद जतवले बाड़न के विरोध का बावजूद संसद में बहस आ विचार क काम तरीका से होखे दीहल जाई. विपक्ष के माँग बा कि नोटबन्दी प चरचा होखो. सरकार हर मुद्दा प बहस ला तइयार बिया.

बिहार में शराबबंदी का बाद से शराब तस्करन के धंधा प रोक लगावे ला चौकस पुलिस रोहतास , भोजपुर अङर दरभंगा में आजु ढेरे शराब बरामद कइलसि आ छह जने के गिरफितारो क लिहलसि. सासाराम जिला के फजलगंज मुहल्ला में एगो ट्रक से उतारल जात 300 कार्टन विदेशी शराब बरामद क के ट्रक के ड्राइवर, खलासी आ एगो तस्कर के ठाँवे प गिरफ्तार क लिहलसि. भोजपुर जिला के कोईलवर पुल का नियरो एगो ट्रक से 133 कार्टन विदेशी शराब बरामद भइल आ एहिजा से कोइलवरे इलाका के बरिसवन गांव के एगो आदमी आ शाहपुर इलाका के सोनबरसा गाँव के एगो आदमी का गिरफ्तार कइल गइल. ट्रक से एगो पिस्तौल आ कुछ कारतूसो मिलल, एह बीच ट्रकड्राइवर फरार हो गइल.

रोहतास जिले के मुफ्फसिल इलाका के करण बिगहा गांव में संतोष कुशवाहा के बेटा के तिलक में होखत नाच गाना का बीच केहू गोली चला दीहल जवना से नाचेवाली घाहिल हो गइल.

भदोही शहर में आजु सबेरे दरोपुर गाँव में सड़क किनारे खेलत तीन बरीस के एगो लइका के एगो निजी स्कूल के वैनकचार दिहलसि. बतावल जात बा कि वैन खलासी चलावत रहुवे आ ड्राइवर बगल में बइठल रहे.

चंदौली जिला के धीना इलाका में एवटी गांव के लोग ट्रैक्टर-ट्राली से अंतिम संस्कार करे जिगना घाट गइल रहे. लवटत घरी बघारी गांव का नियरा ट्रैक्टर-ट्राली अचके में पलट गइल. एह हादसा में दू जने के मौत हो गइल आ एगो घवाहिल अस्पताल मे इलाज का दौरान मर गइल.

वाराणसी के सिगरा इलाका के डॉ0 संपूर्णानंद स्टेडियम में काल्हु क्रिकेट के अभ्यास करे आइल खिलाड़ी के अचके मौत हो गइल. पुलिस एह मामिला के जाँच करत बिया.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up