तिसरका दौर के मतदान से पहिले एकानबे लोकसभा सीट प प्रचार बंद

by | Apr 8, 2014 | 0 comments

लोकसभा चुनाव के तिसरका दौर के चुनाव बियफे के होखे वाला बा आ एहसे ओह इलाकन में प्रचार करे के काम आजु मंगल साँझ से बंद हो गइल.

एह दौर के मतदान में दिल्ली समेत 14 राज्यन के 91 सीट पर वोट डालल जाई. दिल्ली, हरियाणा आ केरल के सगरी सीट प वोट एही दौर में पूरा हो जाई. साथही उत्तर प्रदेश, महाराष्ट्र आ ओडिशा के दस-दस सीट, मध्य प्रदेश के नौ गो, बिहार के छह गो, झारखंड के चार गो अउर छत्तीसगढ़, जम्मू कश्मीर आ चंडीगढ़ के एक-एक सीट पर वोट डालल जाई.

एह दौर में लोकसभा अध्यक्ष मीरा कुमार, केंद्रीय मंत्री कमलनाथ, कपिल सिब्बल, चौधरी अजित सिंह, कृष्णा तीरथ, शशि थरूर अउर ई अहमद, सेनाध्यक्ष रहल जनरल वीके सिंह, भाजपा अध्यक्ष रहल नितिन गडकरी, फिल्मी कलाकार राज बब्बर, जया प्रदा आ नगमा, आम आदमी पार्टी के नेता योगेद्र यादव, लोक जन शक्ति पार्टी के चिराग पासवान अउर हरियाणा के मुख्यमंत्री भूपेंद्र सिंह हुड्डा के बेटा दीपेंद्र हुड्डा के किस्मत के फैसला हो जाई.

बिहार में एह दिने सासाराम (सु), काराकाट, औरंगाबाद, गया (सु), नवादा आ जमुई (सु) संसदीय क्षेत्र के वोट पड़ी.

पहिला दौर के मतदान में महज छह सीट के वोट करावल गइल. दुसरका दौर के वोट बुध 9 अप्रैल के पड़ी. एहमें अरुणांचल प्रदेश आ मेघालय के दू दू सीट, आ मणिपुर अउर नागालैंड के एकएक सीट के वोट शामिल बा. मिजोरम के वोट अब 12 तारीख के पड़ी.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up