नयी दिल्ली 17 जनवरी (वार्ता) दिल्ली के पुलिस आयुक्त बी एस बस्सी के कहना बा कि दिल्ली के कानून मंत्री सोमनाथ भारती आ पुलिस अधिकारियन के बीच भइल बकझक का मामिला मे अबही कवनो पुलिस अधिकारी का खिलाफ एक्शन ना लीहल जाई.
बस्सी के कहना बा कि एह मामिला मे अधिकारियन के कवनो गलती ना रहुवे.
ओने दिल्ली के मुख्यमंत्री केजरीवाल एह पुलिस अधिकारियन के बरखास्त करावे के माँघ ले के गृह मंत्री शिन्दे से भेंट कइलन.
मामिला के जाँच करे ला एगो सेवानिवृत जज के कहल गइल बा जे जाँच कइल शुरू क दिहले बाड़े.
0 Comments