दिल्ली से आआपा के विदाई के तइयारी आ 26 अप्रैल 2017, बुध के अउरीओ खबर

by | Apr 27, 2017 | 0 comments


साल 2015 में दिल्ली विधानसभा के चुनाव बहुते बड़हन मार्जिन से जीतला का बाद अरविन्द केजरीवाल के गलतफहमी हो गइल कि अब देश में उनुका जोड़ के कवनो दोसर नेता नइखे आ लगलन एह राज्य से कूद के ओह राज्य ले आपन गोड़ जमावे के कोशिश करे. हर जगह से हारत गइला का बादो एह गलतफहमी के बुखार ना उतरल. अब दिल्ली के तीनो नगरपालिका चुनाव में मुँहकी खाए के मिलल बा आआपा के. कुल 270 सीट में से महज सीट जीत के आआपा दूसरा जगहा आइल बा. ओकरा संतोष करे जोग अतने बा कि कांग्रेस के हालत ओकरो ले खराब बा.
एह चुनाव में छतरपुर सीट से भाजपा के अनीता तनवार आआपा के प्ंकी त्यागी के महज दू वोट के अंतर से हरा पवली त भाजपे के कमलजीत सेहरावत द्वारका-बी से आआपा के सुषमा बंसल के 9866 वोट से हरवलन.
एह चुनाव में भाजपा के कुल 25 लाख 75 हजार 116 (36.08%) वोट मिलल जबकि आआपा के 18 लाख 71 हजार 964 (26.23%) वोट, आ कांग्रेस के 15 लाख 4 हजार 964 (21.09%) वोट.
आपन जमानत जब्त करावे का मामिला में सबले आगा रहल मायावती के बसपा. ओकर 209 उमीदवारन में से 194 जने के जमानत जब्त हो गइल. कांग्रेस के 269 उमीदवारन में से 92 जने के अउर आआपा के 270 उमीदवारन में से 38 जने के जमानत जब्त हो गइल. भाजपो के 5 जने के जमानत जब्त भइल बा.
बिहार के मुख्यमंत्री नीतीश कुमारो अपना जदयू के 94 गो उमीदवारन ला पूरा जोर लगवले रहलन बाकिर सभकर जमानत ले जब्त हो गइल. लालू के राजदो से 9 जने उमीदवार रहलन आ ओहू लोग में से कवनो जने के जमानत ना बाचल.

बिहार में भाजपा नेता सुशील मोदी एह घरी हाथ धो के लालू आ उनुका परिवार का पाछा पड़ल बाड़न. आजु ऊ फेर आरोप लगवलन कि लालू प्रसाद यादव अपना दल का कोटा से पिछला संप्रग सरकार में मंत्री बनावे का एवज में रघुनाथ झा से गोपालगंज के उनुकर आलीशान भवन अपना बेटन का नामे लिखवा लीहले रहलन. एकरा जबाब में अब राजद का तरफ से सुशील मोदी आ उनुका भाई के 512 करोड़ के संपति के जाँच करावे के मांग कइल गइल बा.

झारखंड के पलामू जिला के विश्रामपुर इलाका के बहेलिया टोला में दहेज खाति एगा कनिया के गरदन दबा के जान ले लेबे के आरोप ओकर नइहर वाले लिखववले बाड़े.

गोण्डा के परसपुर इलाका के पसका गाँव में खाना बनावत घरी चूल्हा से निकलल चिंगारी घर जरा दिहलसि आ एह आग में एगा बचियो झँउस के मर गइल.

शाहजंहापुर जिला जेल से पेशी खातिर जौनपुर ले आवत घरी एगो कैदी सुल्तानपुर टीसन प हिमगिरि एक्सप्रेस से कूदके फरार हो गइल.

जौनपुर जिला के जफराबाद इलाका में एगो ट्रक का चपेटा में पड़ि के मोटरसाइकिल से अपना भाई साथे जात जलालपुर इलाका के इजरी गाँव के एगो नवहिन के मौत हो गइल.

पश्चिम चंपारण जिला के गोपालपुर इलाका में कदमवां गाँव के एगो आदमी एगो बिआह में खाना बना के घरे लवटत रहल जब गाँव का नियरा ओकरा से नाम पूछि के कुछ बदमाश गोली मार दीहले सँ.

चन्दौली के सैय्यदराजा इलाका में ट्रक से कचरइला का चलते नौबतपुर गाँव के एगो आदमी के मौत हो गइल. हादसा गाँव का लगहीं सड़क पार करत घरी हो गइल.

बिहार के औरंगाबाद जिला के मदनपुर इलाका में मदारपुर गाँव के एगो बाप समीन प पटकि के अपना बेटी के जान लिहलसि आ बेटा का घवाहिल क दिहलसि. पुलिस ओकरा के गिरफ्तार क लिहले बिया.

बलिया के रसड़ा इलाका में पहाड़पुर चट्टी का नियरा भइल दू गो मोटरसाइकिलन का टक्कर में संवरा गांव के एगो औरत के मौत हो गइल. बलिये के रेवती इलाका में खरिहान में आग लगला का चलते एगो औरत के मौत हो गइल आ गेहूं का फसल आ पचासो गो से बेसी झोपडी जरि के राख हो गइली सँ.

रोहतास जिला के सासाराम नगर इलाका में कोचस से सासाराम आवत बस मुरादाबाद गांव का लगे एगो मोटरसाइकिल वाला के बचावे का फेर में पलट गउवे जवना चलते दू दर्जन से अधिका सवारी घवाहिल हो गइलें.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं. यूपीआई पहचान हवे - भा सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.
अबहीं ले 12 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार आठ सौ सतासी रुपिया के सहयोग मिलल बा. सहजोग राशि आ तारीख का क्रम से पाँच गो सर्वश्रेष्ठ भामाशाह -
(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(3)

24 जून 2023 दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया
(4)
18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया
(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(11)
24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

पूरा सूची
एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up