देश दुनिया के खबर (अतवार, 6 सितंबर 2015)

by | Sep 7, 2015 | 0 comments

    PM-NaMo-FaridabadMetro

  • आजु पीएम मोदी फरीदाबाद मेट्रो के उद्घाटन करे मेट्रोवए से फरीदाबाद चहुँपलन आ एकर उद्घाटन कइलन. अब दिल्ली फरीदाबाद का बीच मेट्रो से आवाजाही होखे लागी जवना से फरीदाबाद के विकास बहुते तेज हो जाई.
  • इंदिरा गाँधी सरकार का दौरान सैनिकन के मिले वाला एक रैंक एक पेंशन के बंद कर दीहल गइल रहुवे आ चालीस बरीस से सैनिक एकरा खातिर मांग करत रहले. बाकिर मसला अतना अझुरा दिहले रहुवे कांग्रेस सरकार कि ओकरा बाद बनल अनेके गैर कांग्रेसी सरकार का राजो में एकरा के दुबारा लागू ना कइल जा सकल. बाजपेई सरकार का दौरान एह मसला के हल ना निकालल जा सकल. अपना शासन काल का आखिरी समय में यूपीए सरकारो एकर मसला सझुरा ना सकल. आ अब अपना शासन के पन्द्रह महीना भितरे मोदी सरकार एह मसला के हल निकाल दिहलसि जवना से सैनिक रहल लोगन मेें खुशी के लहर आ गइल बा. ओह लोग खातिर अबकी के जन्माष्टमी यादगार बन गइल काहेंं कि एही दिने केंद्र सरकार ओह लोग खातिर वन रैंक वन पेंशन के एलान कर दिहलसि. बाकिर आआपा गोल से जुड़ल सतबीर सिंह जानबूझ के एह मसला के फेरू अझुरावे का फेर में बाड़ें. मीडिया आ कांग्रेसी गोलो मामला अझुरावे के कोशिश मेें बाड़े बाकिर आम सैनिक परिवार एह एलान से खुश बाड़ें आ दिल्ली के जंतर मंतर पर चलत अनशन खतम कर दीहल गइल बा.
  • यूपी के मैनपुरी में आजु एगो जनसभा में सपा मुखिया मुलायम सिंह यादव आ उनकर बेटा यूपी के मुख्यमंत्री अखिलेश यादव का बीच के नौटंकी देखे के मिलल. मंचे पर अपना बेटा आ यूपी के मुख्यमंत्री के क्लास लेत मुलायम सिंह यादव कहलन कि मैनपुरी के सैनिक स्कूल के भवन आठ महीना का भीतर बन जाए के चाहीं आ अखिलेश आज्ञाकारी बेटा का तरह तुरत एकरा के मान लिहलन. बिहार विधानसभा चुनाव खातिर बनल महागठबन्हन से अलगा हो चुकल मुलायम सिंह यादव के कहना रहे कि कांग्रेस के वजूद अब खतम हो गइल बा. पार्टी एकदम गर्त में चल गइल बिया. कांग्रेसे के गलती का चलते भाजपा सत्ता में आ गइल.
  • भारत आ पाकिस्तान रेंजर्स के बइठक 9 से 13 सितंबर ले चले वाला बा जवना में दुनू देश का सिवान पर आए दिन होखे वाला हमला, घुसपैठ, तस्करी वगैरह पर बात होखे के उमेद बा. एह बातचीत खातिर पाकिस्तान रेंजर्स के महानिदेशक मेजर जनरल उमर फारूक बुरकी के अगुवई में 16 सदस्य के टीम अटारी-वाघा सीमा से भारत आवे वाला बा.
  • कांग्रेसो के अब लागत बा कि ओकर उपाध्यक्ष राहुल गाँधी अबहीं एह लायक नइखन भइल कि उनुका के गोल के अध्यक्ष बना दीहल जाव. एह चलते 8 सितंबर के होखे जा रहल कांग्रेस कार्यसमिति के बइठक में फेरू एक साल खातिर सोनिये गांधी के अध्यक्ष बनवले राखे के फैसला हो सकेला. वइसे कहल इहे जात बा कि अबहीं राहुल एह जिम्मा के लेबे ला तइयार नइखन आ कांग्रेस में दोसरा केहू के अतना औकाते नइखे कि ओकरा के अध्यक्ष बनावल जाए.
  • पता ना साँच की झूठ बाकिर भोजपुरी के नामचीन सितारन में से एगो पवन सिंह अपना अपहरण के कोशिश होखे के बात कहले बाड़न. कहलन कि लखनऊ से बस्ती जाए का राह में उनुका के जबरिया दोसरा गाड़ी में बइठा के ले जात रहलें सँ किडनैपर बाकिर राह में पड़ल एगो बाजार में गाड़ी धीमे भइल त ऊ कूद के भाग निकललन.
  • श्रीलंका के प्रधानमंत्री रानिल विक्रमसिंघे अपना पहिलका विदेश दौरा पर 14 सितंबर का दिने भारत अइहें. तीन दिन के एह यात्रा का दौरान उनकर मुलाकात विदेश मंत्री सुषमा स्वराज आ पीएम मोदी से होखे वाला बा. राष्ट्रपति प्रणव मुखर्जीओ से भेंग करीहें रानिल विक्रमसिंघे. इनका पहिले श्रीलका के राष्ट्रपति मैत्रीपाला सिरिसेनो जनवरी में राष्ट्रपति चुनइला का बाद सबसे पहिले हिन्दुस्ताने आइल रहलें.
  • 68 साल के कांग्रेसी नेता दिग्विजय सिंह 44 बरीस के टीवी एंकर अमृता राय से शादी कर लिहलन. दुनू जने एह शादी के सकार लिहले बाड़े. एह घरी दुनू जने विदेश गइल बाड़ें. अमृता राय के ई दुसरका बिआह हवे.
  • पटेल आरक्षण खातिर खबर में आइल हार्दिक पटेल के कहना बा कि हर हाल में 13 सितंबर का दिने ऊ उल्टा दांडी मार्च निकलिहें.
  • देश भर के हजारों पीएचडी डिग्रीवाले यूजीसी आ केंद्र सरकार का खिलाफ सोमार का दिने दिल्ली में प्रदर्शन करीहें. एह लोग के कहना बा कि एह लोग के पीएचडी खातिर पंजीयन भ गइला का बाद 2009 में नया नियम बना के एह लोग के ना-लायक मान लीहल गइल. जबकि नियम बनला का बाद पंजीयन करावे वालने पर ओह नियम के लागू होखे के चाहीं. मोदी सरकार के हालत खेत खइलसि गदहा, मार खइसलि जोलहा वाला कहाउत जइसन हो गइल बा. कांंग्रेस सरकार के गलती सझुरावहीं में ओकर पसीना छूटत बा आ कांग्रेस अपना तरफ से कवनो मौका बांव नइखे जाए देत मोदी सरकार के राह मुश्किल बनवला से.
  • इन्कम टैक्स विभाग के कहना बा कि अगर रउरा लगे कवनो ब्लैकलिस्टेढ करिया कमाई करे वाला के धन-संपति भा कारोबार के जानकारी बा जवना से ओकरा खिलाफ मामिला साबित हो सके त रउरा के पन्द्रह लाख रुपिया ले इनाम में दीहल जा सकेला. इनाम कम से कम ओकरा करिया कमाई के दस फीसदी के बरोबर होखी. बाकिर राउर नाम बतावल जा सकेला एकर धियान राखब.
  • बिहार सरकार विधानसभा चुनाव करावे खातिर यूपी सरकार से साठ गो घोड़ा आ घुड़सवार मंगले रहुवे बाकिर यूपी सरकार मना कर दिहले बिया. काहे कि ओहिजे पंचायत चुनाव होखे वाला बा.
  • एह सेक्शन खातिर दू मेगावाट बिजली सौर उर्जा से बनावल जाई. लगभग 14 किलोमीटर लमहर बदरपुर-फरीदाबाद मेट्रो लाईन पर 9 गो स्‍टेशन बनावल गइल बा आ रोजाना करीब दू लाख लोग एह मेट्रो से सफर कइल करीहें.
  • भारत के नयका संचार उपग्रह जी-सैट-6 के ओकरा कक्षा में सफलता से स्‍थापित क दीहल गइल अतवार का सबेरे. एकरा के पिछला 27 तारीख के छोड़ल गइल रहुवे श्रीहरिकोटा से. ई उपग्रह नौ बरीस ले काम करी.
  • हिन्दू उत्सवन मे अदालती दखल बढ़त गइला का चलते बम्‍बई के दही हांडी एह साल बहुते उदास रहल. हालांकि सगरी अदालती बन्धन मानत कुछ जगहा एकरा के मनावल गइल. कुछ जगहा एह दौरान कुछ प्रतिभागी घवाहिल हो गइलें आ एगो के मौतो होखे के खबर बा.
  • आस्ट्रेलिया के आलराउंडर शेन वाटसन अतवार का दिने टेस्ट क्रिकेट से संन्यास ले लिहलन. 34 साल के वॉटसन आपन आखिरी टेस्ट मैच एह साल इंग्लैंड के खिलाफ एशेज सीरीज के दौरान कार्डिफ में खेलले रहुवन. अपना कैरियर में वाटसन आस्ट्रेलिया का तरफ से खेलत 59 टेस्ट मैचन में 3731 रन बनवलें आ 75 गो विकेट चटकवलें. एगो टेस्ट अउर नौ गो एकदिना में कप्तानिओ कइलन.
  • बसपा सुप्रीमो मायावती के कहना बा कि एक रैंक एक पेंशन वाला फैसला बिहार चुनाव के नजर में राख के लीहल गइल बा आ एकरा के आधा अधूरा मन से कइल गइल बा.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up