देश दुनिया के खबर भोजपुरी में (अतवार, 22 मार्च 2015)

by | Mar 22, 2015 | 0 comments

(शनिचर, 21 मार्च के खबर)

  • यूपी के मेरठ का हासिमपुरा में साल 1987 का दंगा का बेरा 42 लोग के हत्या के मुकदमा पीएसी के जवानन पर लगावल गइल रहे. शिकायत रहे कि ई लोग एके समुदाय के 42 जने के उठा लिहल आ राह में सभके मार दिहलस. बाकिर अदालत में एह लोग का खिलाफ पूरा सबूत ना मिलला का चलते छोड़ दिहल गइल. फैसला 27 बरस बाद आइल बा बाकिर एह फैसला से मराइल लोग के परिजन के मन टूट गइल बा.
  • जम्‍मू कश्‍मीर में शनिचर का भोरे सांबा जिला में सेना के एगो शिविर पर हमला करे वाला दू गो आतंकियन के सुरक्षा बल मार गिरवले. मुठभेड़ आठ घंटा ले चलल. एह मुठभेड़ में सुरक्षा बल भा आम नागरिक में से केहू घवाहिल ना भइल. शुक का दिने कठुआ में थाना पर भइल आतंकी हमला से सुरक्षा बल के चार गो जवान मारल गइले बाकिर दुनू आतंकियनो के मार गिरावल गइल.
  • हरियाणा के मुख्‍यमंत्री मनोहर लाल खट्टर के कहना बा कि हरियाणा के लोग के जरूरत के अनदेखी क के दिल्ली के पानी ना दिहल जा सके. दिल्ली के ओकरा बखरे वाला पानी दिहल जा सकेला. कहलन कि दिल्ली सरकार हरियाणा के मुनाक से दिल्ली ले बनल नहर के खरचा 106 करोड़ रुपिया जल्दी से चुका देव. केजरीवाल अगिला हफ्ता हरियाणा के मुख्यमंत्री से भेंट करे वाला बाड़न.
  • विश्‍व कप क्रिकेट प्रतियोगिता के पहिलका सेमीफाइनल मंगल का दिने खेलल जाई जवना में न्यूजीलैंड काे मुकाबला दक्खिन अफ्रीका से होखी. दुसरका सेमीफाइनल भारत आ ऑस्ट्रेलिया के बीच बियफे का दिने खेलल जाई. आजु न्यूजीलैंड वेस्टइंडीज़ के 143 रन के बड़हन अंतर से हरा दिहलसि आ सेमीफाइनल में चहुँप गइल.
  • शनिचर का दिने देश के अनेके हिस्सा में नया साल के शुरुआत हो गइल. एकरा के कहीं चैत्र प्रतिपदा, त कहीं उगादी, गुड़ी पड़वा, चेतिचंद, नवरेह भा साजिबू चिरौबा के नाम से मनावल जाला. शनिचरे से चइती नवरातो शुुरू हो गइल बा. अबकी हिन्दू नया साल के मौका पर पहिले के मुकाबले बहुते अधिका लोग बधाई भेजल एक दुसरा के.
  • कोयला खदान के नीलामी में जिंदल स्टील आ बाल्को के जीतल बोली केन्द्र सरकार खारिज क दिहलसि. एह कंपनियन के बोली आपसी साँठगाँठ का संदेह का चलते रद्द भइल.
  • कर्नाटक में आईएएस अधिकारी डी॰ के॰ रवि के मरला भा मुअवला के जाँच कर्नाटक सरकार सीबीआई के नइखे दिहल चाहत जबकि जनता का बीच आरोप लगावल जात बा कि रवि के हत्या भइल बा आ एकरा में सरकारी दल के लोग के हाथ बा. दोसरा तरफ तरह तरह के अफवाह फइला के रवि के छवि खराब करे के कोशिश होखत बा. एह बीच सोनियो गाँधी कर्नाटक मुख्यमंत्री से कह दिहली कि एह मामिला के सीबीाई के सँउप दिहल जाव.
  • महाराष्ट् के एगो आईएएस अधिकारी के पुणे में चार गो बच्चियन संगे कुकर्म करे का आरोप में गिरफ्तार कइला का बाद जेल भेज दिहल गइल. 58 बरीस के एह आईएएस के बियफे का दिने गिरफ्तार कइल गइल रहे.
  • उत्तर प्रदेश में साल 2009 के जुलाई में कांग्रेस नेता रीता बहुगुणा जोशी के घर पर आग लगावे का मामिला में निर्दोष लोग के फँसावे के आरोप में हुसैनगंज पुलिस थाना में दू गो पुलिस अधिकारियन का खिलाफ केस दर्ज भइल बा. तब लखनऊ के वरिष्ठ पुलिस अधीक्षक रहल प्रेम प्रकाश आ लखनऊ पूर्व के पुलिस अधीक्षक रहल हरीश कुमार का खिलाफ ई केस लिखल गइल बा.
  • नकल के खबर पसरला का बाद लाज बचावत बिहार सरकार नकल करे वाला परीक्षार्थियन का खिलाफ कार्रवाई करत डेढ़ सौ परीक्षार्थियन के निकाल दिहलसि आ दू सौ से अधिका लोग के हिरासत में ले लिहलसि. बाकिर यूपी सरकार एह मामिला में कुछऊ ना कइलसि. बिहार आ यूपी के सरकारन के एही ढिलाई का चलते पढ़निहार विद्यार्थियन के दोसरा राज्यन में जा के पढ़ाई करे के पड़ेला जहाँ ऊ लोग आपन सफलता देखा देला. बाकिर आम विद्यार्थी नकल का फेर में आपन अकल गिरवी राखत जिनिगी बरबाद क देला.
  • सिवान के दुरौन्धा इलाका के बगौरा गाँव के शिव मंदिर का नियरा एगो टेम्पो चालक के लाश मिलल. ऊ मुजफ्फरपुर के रहे वाला रहुवे.
  • यूपी के मुख्यमंत्री अखिलेश यादव कहलन कि अगर चीनी मिल किसानन के गन्ना के दाम नइखे देत त सरकार किसानन के मदद करी.
  • देवरिया बरहज इलाका में आजु तीन गो लड़िकियन के लाश मिलल बा. एकनी के उमिर नौ बरीस से अठारह बरीस के बीच के बा. एकनी का माथ पर चोट के निशान बा. पुलिस मामिला के छानबीन करत बिया.
  • मध्‍य प्रदेश में जबलपुर के सदर इलाका में एगो गिरजाघर में अढ़ाई सौ आदिवासियन के धर्म बदलावे के खबर सुनला का बाद लोग गिरजाघर घेर लिहल आ कार्रवाई के मांग कइल. पुलिस मामिला के जाँच करत बिया आ आदिवासियन के गवाही लिहल जा रहल बा.
  • पाकिस्‍तान आपन सदभाव देखावे खातिर भारत के मछुआरन से जब्त कइल 57 गो नाव छोड़ दिहलसि.
  • यमन में आतंकी हमला में अधिकारियन समेत 25 से अधिका सेना के लोग के जान चल गइल. एह लोग के एगो मकान में बंद क के रखला का बाद एह लोग के निर्मम हत्या क दिहले सँ आतंकी. मध्य सीरिया में इस्लामिक स्टेट के आतंकी 70 से अधिका सैनिकन के जान ले लिहले बाड़े सँ.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up