देश दुनिया के खबर भोजपुरी में (शनिचर, 28 मार्च 2015)

by | Mar 28, 2015 | 0 comments

(शुक, 27 मार्च के खबर)

  • आजु राम नवमी का मौका पर सगरी लोगन खातिर मंगल कामना. आजु भगवान श्रीराम के जनम के दिन ह. राम जे आदर्श के प्रतीक हउवन, जिनका के पुरूषन में उत्तम पुरुषोत्तम के संज्ञा दिहल गइल बा, जिनका राम राज के सपना ले के गाँधी आजादी के लड़ाई लड़लन ओही श्रीराम के जनम स्थान पर एगो मंदिर बनावे के राह में एह देश के सेकूलर राजनीति आके खड़ा हो गइल बिया आ राम लला के जनम स्थान एगो टूटही टेंट का नीचे पड़ल बा. आईं आजु का दिने हमनी का किरिया खाइल जाव कि एह देश से ओह राजनीतिक के विदाई करा दिहल जाव जे राम के मंदिर नइखे बने देत.
  • शुक का दिने अबले चलल आवत परंपरा तूड़त राष्ट्रपति प्रणव मुखर्जी खुदे चल के चहुँपलन बाजपेयी जी का घरे आ उनुका के भारत रत्न से सम्मानित कइलन. एह मौका पर पीएम मोदी, पहिले पीएम रहल मनमोहन सिंह आ राष्ट्रपति रहल अब्दुल कलाम मौजूद रहलें. बाजपेयी के मिलल एह सम्मान के हर राजनीतिक गोल स्वागत कइलसि आ कुछ लोग एह बात के अफसोस जतावल कि खुद अपने प्रधानमंत्री रहते अपना के भारत रत्न दिआवे वाली इन्दिरा गाँधी आ राजीव गाँधी के गोल के सरकार रहत एह बात के फैसला ना हो सकल. एह लोग के परंपरा देखत बाजपेयी के प्रधानमंत्री रहत घरी उनुका के भारत रत्न दिआवे के कोशिशो भइल रहुवे जवना के भारत के असल रत्न बाजपेयी खुदे रोकवा दिहलन.
  • घटिया लोगन के घटिया पार्टी जतावत आ आ पा गोल के संयोजक आ दिल्ली के मुख्यमंत्री केजरीवाल कहलन योगेन्द्र यादव, प्रशान्त भूषण, प्रो॰ आनन्द वगैरह के कमीना बतावत कहलन कि दोसरा गोल में एह सालन के लात मार के निकाल दिहल गइल रहीत. एह तरह के सुवचन से केजरीवाल के सड़क छाप संस्कार सभका सोझा आ गइल आ उनुका समर्थको लोग के नइखे बुझात कि कवना तरह एह कमीनापंथी के समर्थन करे लोग. हालांकि कुछ लोग कहल कि एहमें कवनो बेजाँय लागे वाली बात नइखे. अब शनिचर का दिने होखे वाला आ आ पा के राष्ट्रीय परिषद से योगेन्द्र आ प्रशान्त के निकालल जाए में कवनो संदेह नइखे रहि गइल. अर‌विन्द केजरीवाल के मेगालोमेनिया के परिणाम दिल्लीए के जनता ना आवे वाल दिन में सगरी देश के लोग भोग सकेला. इन्दिरा गाँधी के बनावल भिण्डरावाले का तरहे सोनिया के जनमावल अरविन्दो के परिणाम देश के भुगते के बा.
  • कांग्रेस आ ओकरा पिछलगुआ गोलन के जिद्द का चलते भूमि अधिग्रहण विधेयक राज्यसभा से पारित होखे के कवनो उमेद ना देखत केन्द्र सरकार तय कइले बिया कि एह बारे में अध्यादेश दुबारा ले आई आ एही चलते राज्यसभा के सत्र स्थगित क देबे के फैसला लिहल गइल बा जेहसे कि पाँच अप्रेल से पहिले अध्यादेश दुबारा ले आवल जा सके.
  • जाट आरक्षण रद्द करे के सुप्रीम कोर्ट का फैसला के खिलाफ केन्द्र सरकार अपील करे के तइयारी में बिया आ एही चलते पिछला साल के लोक सेवा आयोग मुख्य परीक्षा के रिजल्ट निकाले पर रोक लगा दिहल गइल बा.
  • हालही में जर्मनविग्स के जहाज गिरला का मामिला में जाँच का बाद पता लागल बा कि ओकर को-पायलट अवसाद में रहुवे आ ऊ जान बूझ के जहाज के पहाड़ से टकरा दिहलसि. एह हादसा में नाहियो त डेढ़ सौ लोग के जान चल गइल.
  • जम्मू-कश्मीर विधानसभा में शुक का दिने जम के बवाल भइल आ विधायकन का बीच मारापीटी ले हो गइल. नेशनल कांफ्रेंस के शिकायत रहुवे कि पाॅवर प्रोजेक्ट चलावे के हक राज्य सराकर के काहे नइखे दिहल जात.
  • अब तत्काले ना हर तरह के टिकट पर प्रीमियम ट्रेनन का तरह किराया वसूले के राय दिहले बिया एह बारे में बनावल मोहम्मद जमशेद के अध्यक्षता वाली कमिटी. अब जस जस सीट घटत जाई तस तस दाम बढ़त जाई जइसे कि अबहीं प्रीमियम तत्काल में होखत बा.
  • इंटरनेट कॉलिंग खातिर नियम कायदा बनावे पर सरकार सोचल शुरु क दिहले बिया. असल में मोबाइल सेवा देबे वाली कंपनियन के शिकायत बा कि फेसबुक, स्काइप, वाइबर, व्हाट्स एप आ गूगल टॉक जइसन कालिंंग सेवा से ओकरा नुकसान होखत बा काहे कि लोग काल करे का बदले एही इंटरनेट कालिंग से काम चलावे लागत बा आ विदेशो से आराम से बतिया लेत बा लोग बिना कवनो शुल्क दिहले.
  • चाल्हाक के इशारा काफी होखे ला आ लोग के इशारा समुझे के चाहीं. प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी शुक का दिने देशवासियन के गोहार कइलन कि बेंवत वाला लोग रसोई गैस पर मिले वाला सब्सिडी छोड़ देव. बतवलन कि अबले करीब तीन लाख लोग सब्सिडी छोड़ चुकल बा आ बाकियो लोग के अइसने करे के चाहीं.
  • एही साल होखे वाला बिहार विधानसभा चुनाव में भाजपा सुशील मोदी के अगुआई में लड़े के फैसला कइले बिया. एह बात के संकेत केंद्रीय संसदीय आ शहरी विकास मंत्री वेंकैया नायडू एगो समारोह में दिहलन. कहलन कि ‘दिल्ली में मोदी-बिहारो में मोदी’ भाजपा के नारा होखी. समारोह सुशील मोदी के नेतागिरी के पचीस बरीस पूरा होखला पर उनुका के सम्मानित करे ला बोलावल गइल रहुवे.
  • उत्तर प्रदेश लोक सेवा आयोग के पीसीएस-2013 के रिजल्ट बियफे का दिने घोषित क दिहल गइल. एहमें 654 जने के सफल बतावल गइल बा. मऊ के पंकज सिंह एह में टाॅप पर आइल बाड़न.
  • उत्तर प्रदेश विधानसभा में भाजपा विधायकन का विरोध आ बवाल का बीचे राज्य के नगर महापौरन के अधिकार घटावे आ जरूरत भइला पर हटावे के नियम बना दिहल गइल. जान जाईं कि महापौरन के जनता सीधे चुनेले बाकिर राज्य सरकार अब अपना मन माफिक ना रहे वाला महापौरन के प्रशासनिक फैसला से हटा सकी.
  • बांग्लादेश के राजधानी ढाका का लगे नारायणगंज शुक का दिने अष्टमी नहान का मौका पर मचल भगदड़ में करीब एक दर्जन हिन्दू के जान चलि गइल. पुलिस पता लगावत बिया कि भगदड़ काहे मचल.
  • इलाहाबाद सिविल लाइंस इलाका के एगो अपार्टमेंट में शुक का दिने लिफ्ट के खुला दरवाजा से नीचे गिर के बारह बरीस के एगो लड़िका के मौत हो गइल. लिफ्ट के दरवाजा खुलल देख ऊ जसहीं लिफ्ट में घुसे खातिर डेग बढ़वलसि कि नीचे गिर गइल काहे कि लिफ्ट ओहिजा रहले ना रहुवे बाकिर दरवाजा खुलल रहे.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up