देश दुनिया के खबर भोजपुरी में (सोमार, 30 मार्च 2015)

by | Mar 30, 2015 | 0 comments

(अतवार, 29 मार्च के खबर)

  • यूपी पीसीएस परीक्षा के परचा लीक हो गइला का बावजूद पूरा राज्य में परीक्षा करा लिहल गइल. लीक के जाँच करे खातिर स्पेशल टास्क फोर्स के लगावल गइल बा. शुरूआती जाँच में तीन जने के गिरफ्तार कइल गइल बा आ कई जने के मोबाइल सर्विलांस पर डालल गइल बा. हालांकि आयोग के सचिव रिजवानुर्रहमान एह बात से इंकार कइले बाड़न कि परचा लीक हो गइल रहुवे.
  • पीसीएस परचा लीक होखे का खबर का बाद आजमगढ़ आ बनारस में परीक्षार्थियन के बवाल करे के खबर बा बाकिर कतहीं से परीक्षा वहिष्कार के खबर नइखे.
  • जम्मू-कश्मीर एक बेर फेरू बाढ़ का चपेटा में आ गइल बा. भारी बरखा का चलते राज्य में श्रीनगर समेत अनेके जगहा बाढ़ के अनेसा हो गइल बा. लोग दुआ करत बा कि बरखा जल्दी बंद होखो. जम्मू श्रीनगर राजमार्ग के बंद क दिहल गइल बा.
  • विश्व कप का फाइनल में आस्ट्रेलिया बहुते आराम से पाँचवा बेर खिताब जीत लिहलसि. न्यूजीलैण्ड के टीम महज 183 रन बना के आउट हो गइल रहे जवना निशान के आस्ट्रेलिया के टीम तीन विकेट का नुकसान पर चौंतीसवा ओवर में पार कर लिहलसि.
  • यूपी सरकार पुलिस खातिर एक हजार नया गाड़ी खरीदले बिया आ अब गँवई इलाका के हर थाना पर दू दू गो गाड़ी रहीहें सँ जेहसे कि कवनो जगहा पर पुलिस जल्दी से पहुँच सकी. जल्दिए हर थाना पर एफ आई आर लिखावे के आनलाइन सुविधा दे दिहल जाई.
  • लोकपाल के माँग करे वाली आआपा गोल के आपने लोकपाल बरदाश्त ना भइले त उनुका के हटा दिहल गइल बा आ अब अरविन्द केजरीवाल का इशारा पर चले वालन के लोकपाल कमिटी के सदस्य बना दिहल गइल बा. गोल के सगरी कमिटियन से अरविन्द विरोधी नेतवन के हटा दिहल गइल बा. एह बीच कुमार विश्वास का बारे में एगो चरचा गरम बा कि अमेठी चुनाव का दौरान ऊ एगो वोलंटियर संगे सूतत घरी पकड़ा गइल रहलन आ पकड़ले रही उनुके मेहरारू. ओह समय एह बात के गोल दबा दिहले रहुवे बाकिर अब तरह तरह के चरचा गरम बा.
  • शुक का दिने आइल आन्ही में बलिया जिला के मनियर दियरा में एगो मँड़ई गिरला से पूरा परिवार घवाहिल हो गइल. मरद मेहरारू के इलाज अस्पताल में होखत बा बाकिर ओह आदमी के बूढ़ महतारी आ लड़िका एह हादसा में मर गइले.
  • मऊ के गाजीपुर तिराहा का लगे यूनियन बैंक के शाखा में आग लगला का चलते कंप्यूटर, इलेक्ट्रानिक बोर्ड समेत बहुते चीझु राख हो गइल. आग अतवार का भोर में लागल रहुवे.
  • जदयू अध्यक्ष शरद यादव के दावा बा कि जनता परिवार के बिखरल कुनबा के एकजुट करे के कवायद राह के सगरी काँट साफ क दिहले बा आ अब जल्दिए विलय के औपचारिक एलान हो जाई. चूंकि एह घरी सबले अधिका सांसद सपा के मुलायम सिंह के बाड़े एहसे नयका बने वाला दल के अध्यक्षो मुलायमे सिंह के बनावल जाई. संजोग से सगरी सपा सांसद मुलायम सिंह के परिवारे के लोग ह आ राजद मुखिया लालू से अब उनकर नाता जुड़ गइल बा जब मुलायम के भतीजा लालू के समधी बन गइल बाड़े. देखल जाव कि एह खेल में नीतीश के नाव कवना घाटे लागत बा.
  • इंदौर के एगो जैन समारोह में आइल केन्द्रीय गृह मंत्री राजनाथ सिंह कहलन कि सरकार कोशिश करत बिया कि देश भर में गोहत्या का खिलाफ कानून लागू करावल जा सके. सरकार एह बारे में सर्वानुमति बनावे के कोशिश करी.
  • सिंगापुर के संस्थापक नेता ली कुआन के अंतिम संस्कार में भारत के पीएम नरेन्द्र मोदी शामिल भइलन. कहलन कि सिंगापुर के सहयोग भारत ला बहुते खास बा. एह दौरान मोदी के मुलाकार इजरायल के राष्ट्रपति रुवेन रिवलिन से भइल जे उनका के इजरायल आवे के नेवता प्रधानमंत्री बेंजामिन नेतन्याहू का ओर से दिहलन. अउरिओ कई एक देश के नेता लोग से मोदी के मुलाकात भइल एह मौका पर.
  • जर्मनी के हवाई जहाज के गिरा के डेढ़ सौ लोग के जान लेबे का साथे आपनो जान देबे वाला कोपायलट कुछ दिन पहिलहीं मुसलमान बन गइल रहुवे आ आपन नाम मोहम्मद अता राख लिहले रहुवे.
  • सऊदी अरब के अगुवई वाला हवाई हमला से यमन में करीब डेढ़ दर्जन बागियन के मार गिरावल गइल. भारत यमन से अपना नागरिकन के जल्दी से जल्दी निकल भागे के कहले बा आ इंतजाम में लागल बा कि सगरी हिन्दुस्तानियन के सकुशल निकाल लिहल जाव यमन से.
  • अमेरिका के कैलिफोर्निया के एगो वैज्ञानिक समूह अइसन दवाई बनवले बा जवना के आँख में डलला का बाद अन्हारो में लउके लागी. अबहीं तक के जाँच में एकर कवनो खतरनाक साईड इफेक्ट नइखे मिलल.
  • पटना में विद्यार्थियन पर भइल पुलिस लाठी चार्ज का खिलाफ अखिल भारतीय विद्यार्थी परिषद सोमार का दिने बिहार बंद के एलान कइले बा. कई दिन से पटना में धरना दिहला का बाद नियोजित शिक्षक संघो एह दिन बिहार बंद करे के एलान कइले बावे.
  • दिल्ली के नजफगढ़ से इनेलो के विधायक रहल भरत सिंह के अतवार का रात गोली मार के मुआ दिहल गइल. भरत सिंह एगो बाहुबली के भाई रहलन आ पुलिस के अनेसा बा कि गैंगवार में उनकर हत्या भइल बा.
  • सोमार का दिने महान शिक्षाविद आ काशी हिंदू विश्वविद्यालय के संस्थापक पंडित मदन मोहन मालवीय जी के मरणोपरांत भारत रत्न से सम्मानित करीहें राष्ट्रपति प्रणब मुखर्जी. सम्मान मालवीय जी के परिवार के दिहल जाई.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up