देश दुनिया के खबर भोजपुरी में (मंगल, 31 मार्च 2015)

by | Mar 31, 2015 | 0 comments

(सोमार, 30 मार्च के खबर)

  • जम्मू-कश्मीर के कश्मीर घाटी में भारी बरखा का चलते एक बेर फेरू बाढ़ के कहर बरपल बा सात महीना बाद. बडगाम के एगो गाँव में मकान ढहला का चलते 16 जने के मौत हो गइल आ ह, हजारन लोग एह आफत में फॅसल बा. केन्द्र का तरफ से 200 करोड़ रुपिया आ जम्मू-कश्मीर सरकार का तरफ से 35 करोड़ रुपिया के फौरी राहत के एलान भइल बा. सेना आ बचाव दल लागल बाड़े बाढ़ में फँसल लोग के निकाले में.
  • यमन से भारतियन के निकाले खातिर पीएम मोदी सोमार रात सउदी अरब के शाह सलमान बिन अब्दुल अजीज अल सउद से फोन क के मदद मंगलन. यमन में चार हजार भारतीय घेराइल बाड़े. सऊदी शाह भरोसा दिहलन कि एह लोग के सुरक्षा पर पूरा धियान दिहल जाई.
  • सोमार के पड़ल बेमौसम बरखा आ कहीं कहीं बनौरी गिरला से रहलो सहल रबी फसल बरबाद हो गइल. आमो के फसल पर खराब असर पड़ल बा एह बरखा से.
  • आआपा के विधायकन में नाराजगी त बा बाकिर प्रशान्त गुट के समुझवला से ऊ लोग अबहीं शान्त पड़ल बा बाकिर आगा चल के कब ई आग लहोक फेंक दी कहल ना जा सके. अतना त तय लागत बा कि केजरीवाल के तानाशाही आ सत्ता लोलुपता का चलते आआपा के प्रयोग विफल साबित हो चुकल बा आ दिल्ली के लोग के एह गोल के सरकार बनवला के सजा भुगतही के पड़ी.
  • अमेरिका में नेशनल सिक्योरिटी एजेंसी के मैरीलैंड हेडक्वॉर्टर का लगे गोलीबारी से एक आदमी के मौत हो गइल आ एक आदमी घवाहिल हो गइल. बतावल जात बा कि कार पर सवार दुनू एनएसए के दरवाजा तूड़त भीतर घुसे के कोशिश करत रहलन जब ओहिजा तैनात सुरक्षाकर्मियन के जबावी कार्रवाई में एगो के मार गिरावल गइल आ दुसरका घवाहिल हो गइल.
  • कांग्रेसियन के उमेद बा कि ओह गोल के उपाध्यक्ष राहुल गाँधी लमहर छुट्टी बिता के 19 अप्रैल ले वापिस आ जइहें. एने एगो मानहानि के मुकदमा में अदालतो उनका हाजिर होखे के आखिरी तारीख 8 मई के दिहले बिया. बाकिर तय नइखे कि राहुल लवटिए अइहें. लवटला का बाद उनुकर ताजपोशी बतौर कांग्रेस अध्यक्ष कर देबे के योजनो बनावल गइल बा. 19 अप्रैल के कांग्रेस दिल्ली के रामलीला मैदान में भूमि अधिग्रहण का खिलाफ रैली करे वाली बिया.
  • दिल्ली के केजरीवाल सरकार नइखे चाहत कि दिल्ली के लोग के राहत मिल पाओ. एही चलते ऊ कवनो हालत में दिल्ली के नगर निगमन के आर्थिक सहायता देबे का मूड में नइखे. अलग बात बाकि गैर योजना मद के बाचल 1800 करोड़ रुपिया 31 मार्च ले खरचा ना हो पवला का चलते वापिस लवटा देबे के पड़ी. केजरीवाल एही बहाने दिल्ली नगर निगमन पर काबिज भाजपा के छवि बिगाड़ल चाहत बाड़े.
  • सोमार का दिने राष्ट्रपति प्रणब मुखर्जी राष्ट्रपति भवन में बोलावल एगो सादा समारोह में भारत रत्न के सम्मान से पंडित मदन मोहन मालवीय के सम्मानित कइले. मालवीय जी के मुअला का बाद मिलल एह सम्मान के उनकर पौत्रवधू आ पौत्रन के सँउपल गइल. एह समारोह में अउरीओ पद्म पुरस्कार दिहल गइल जवना में लालकृष्ण आडवाणी के पद्म विभूषण से सम्मानित कइल गइल.
  • सस्ता दर पर मिले वाला करजा के इंतजार अब खतम होखे वाला बा. नयका लेखासाल में बैंक आपन करजा के सूद घटा सकेलें. काहें कि ओह लोग का लगे मौजूद धन के मुकाबले करजा के माँग नइखे बढ़त. एह से रेट घटा के माँग बढ़ावल चहीहें बैंक.
  • सोमार का दिने पिछला कुछ दिन के गिरावट के दौर से बाहर निकल के शेयर बाजार लमहर उछाल मरलसि. सेंसेक्स में 517 अंक के बढ़ोतरी पिछला दू महीना में ना देखल गइल रहे.
  • बिहार में मैट्रिक परीक्षा में नकल के खबर का बाद ओहिजा सिपाहियन के बहाली परीक्षा में भइल बड़हन फ़र्ज़ीवाड़ा के खुलासा भइल बा. एह मामिला में बहाली ला चुना गइल 1086 लोग के पुलिस गिरफ्तार कर लिहले बिया. बतावल जात बा कि परीक्षा पास करे खातिर ई लोग रुपिया देके अपना बदले दोसरा लोगन के बइठवले रहुवे.
  • अखिल भारतीय विद्यार्थी परिषद के बिहार बंद के निकहा असर देखे के मिलल सोमार का दिने. कई जगहा पुलिस के लाठी चार्ज करे के नौबत आइल आ सैकड़ो कार्यकर्तन के गिरफ्तारो कइल गइल.
  • बिहार के 103वां स्थापना दिवस पर दिल्ली हाट, आइएनए में आयोजित 15 दिन के बिहार उत्सव-2015 खतम हो गइल. एह आयोजन में दिल्ली में रहेवाला बिहार के लोग परिवार समेत शामिल भइल आ अपना प्रदेश के कला-संस्कृति के आनन्द उठावल. दोसरो राज्यन के लोग एह समारोह में आ के बिहारी संस्कृति का बारे में अवगत भइल.
  • परचा लीक होखे का चलते यूपी के पीसीएस परीक्षा के पहिला पाली के पेपर के इम्तिहान रद्द क दिहल गइल आ अब एकर दुबारा इम्तिहान लिहल जाई. एह मामिला में अबहीं ले तीन जने के गिरफ्तार कइल गइल बा आ जेकरा जेकरा मोबाइल पर लीक परचा भेजाइल रहे सभका के गिरफ्तार कइल जाई. एह बारे में ओह लोग के नंबर पता लगावेला साइबर विशेषज्ञ लागल बाड़े. मोबाइल से ओह मैसेज के हटवला से कवनो फरक नइखे पड़े वाला.
  • सूचना के अधिकार कानून के ना मनला का चलते उत्तर प्रदेश 6 गो जनसूचना अधिकारियन पर जुर्माना लगावल गइल बा. एह लोग पर लगावल जुर्माना एह लोग के तनखाह से काटल जाई.
  • बलिया जिला में पूर्वांचल बैंक के कुरेजी शाखा के फील्ड आफिसर के किसान क्रेडिट कार्ड के सीमा बढ़ावे खातिर चार हजार रुपिया के घूस लेबे का आरोप में रंगे हाथ ध लिहलसि लखनऊ से आइल एंटी करप्शन टीम.
  • जौनपुर के मोहरियांव गाँव में बियफे का दिन से गायब लड़िका के लाश ओकरा घर का सोझा इनार से सोमार का दिने निकालल गइल. सात साल के एह लड़िका के गायब होखे के खबर थाना में लिखावल गइल रहुवे बाकिर घरवालन के कहना बा कि पुलिस के लापरवाही का चलते किडनैप लड़िका के खोजल ना जा सकल आ अब ओकरा के मार के फेंक गइल बाड़े सँ. पुलिस लाश के पोस्टमार्टम करावे खातिर लिहल चाहत रहुवे बाकिर घरवालन के विरोध का चलते ना ले जा सकलें. स्वाभाविक बा कि केस सही बनिए ना पाई.
  • गाजीपुर के नंदगंज में तगादा क के वसूलल अढ़ाई लाख रुपिया एगो खाद फर्म के कर्मचारी का मोटरसाइकिल का डिक्की से चोरा लिहल गइल. चाय का दुकान का सोझा मोटरसाइकिल खड़ा क के ऊ भीतर गइल रहे तबले ओकर डिक्की तूड़ के रुपिया वाला झोरा निकाल ले गइले बदमाश.
  • वाराणसी के रामनगर-सामनेघाट पीपा पुल सोमार का दिने तेज आन्ही आ नदी में पानी बढ़ला का चलते टूट गइल. एकर मरम्मत करे में कम से कम दू दिन लागे के अनेसा बतावल जात बा जवना चलते लोग के लमहर घूम के विश्वसुन्दरी पुल से लंका चहुँपत बा.
  • छपरा के डोरीगंज थाना के सबलपुर कोटवा गाँव के एगो किसान के दियरा के जमीन का झगड़ा में सोमार का दिने सुरतपुर गाँव के किसान गोली मार के मुआ दिहलें आ ओकर लाइसेंसी रायफल ले के भाग गइलें. घटना बड़हरा थाना के शंकरपुर मौजा में भइल.
  • छपरा थावे रेलखंड पर मंगल का दिन से रेलगाड़ी चलल बंद हो जाई काहें कि एकर आमान बदले के बा. छोटी लाइन का जगहा बड़ी लाइन बिछावल जाई.
  • बकाया भुगतान आ तबादला पर भेजल कर्मचारियन के वापिस करावे के माँग करत छपरा के जेपी विश्वविद्यालय के कर्मचारी आठ दिन से तालाबंदी क के बइठल बाड़े बाकिर अब ले कवनो पदाधिकारी ओह लोग से बतियावे नइखे चहुँपल. ओने अचके में परीक्षा रद्द भइला का चलते इंजीनियरिंग कालेज के विद्यार्थी सोमार का दिने विवि कार्यालय में जम के बवाल मचवले.
  • सिवान जिला के चनौर केन्द्रीय विद्यालय छात्रावास से चार दिन से गायब दूसरी क्लास के विद्यार्थी के लाश सोमार का दिने कब्र खोन के निकालल गइल आ परिवार के सँउप दिहल गइल. परिवार वालन के पता चलल कि सूमेरपुर ढाला का लगे रेलवे लाइन पर एगो लड़िका के लाश 27 मार्च का दिने मिलल रहे जवना के पहचान ना हो सकला का चलते कब्र में गाड़ दिहल गइल रहे.
  • भउजाई के भाई से प्रेम में पगलाइल एगो लड़िकि के घरवाले ओकरा के रात में तीन बजे घर का बहरी निकल के मोबाइल से बतियावत ध लिहले. बाद में ओकर पिटाई भइल त ऊ कोठरी के दरवाजा बंद क के आग लगा लिहलसि. बाद में घर वाले ओकर लाश खेत में फेंक दिहलें जहाँ लाश देख के गाँव के लोग पुलिस के खबर कइल. घटना सिवान जिला के असांव थाना के खरदरा गाँव के ह.
  • बिजली विभाग के कार्यपालक अभियंता से आजिज भोजपुर जिला के व्यापारी मंगल का दिने भोजपुर बंद करे के एलान कइले बाड़े.
  • बक्सर के कठार गाँव के एगो लड़िका के कोईलवर टीसन का लगे सोमार का दिने ट्रेन से कटा के मौत हो गइल.
  • रोहतास जिला के कोचस का बलथरी गाँव में सोमार का दिने पोखरा का झगड़ा में गोली चलल त ओकरा हदासे एक जने के हार्ट अटैक से मौत हो गइल. झगड़ा दोसरा के रहुवे आ तिसरका के मौत हो गइल.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up