देश दुनिया के खबर भोजपुरी में (बुध, 1 अप्रैल 2015)

by | Apr 1, 2015 | 0 comments

(मंगल, 31 मार्च के खबर)

  • रेल गाड़ियन के बढ़त संख्या का चलते होखे वाला देरी कम करे खातिर रेलवे बक्सर से मोकामा का बीच, इलाहाबाद से बक्सर का बीच, आ सोननगर से धनबाद का बीच एगो रेल लाइन अउरी बढ़ावे के फैसला कइले बिया. एहमें समय जरूर लागी बाकिर रेलवे एह पर काम शुरु करे के प्रक्रिया चला दिहले बा. पटना के महेन्द्रू कार्यालय में पत्रकारन से बतियावत रेल राज्य मंत्री मनोज सिन्हा कहलन कि बिहार सरकार के बेरुखी का चलते अबले पाटलिपुत्र टीसन पर रेल के आवाजाही शुरू नइखे हो सकल जब कि सब कुछ पिछला अढ़ाई साल से तइयार बा.
  • चार अप्रैल के हनुमान जयंती पड़त बा आ एही दिने चइत पूरनमासिओ होला. बाकिर अबकी साल एही दिने चंद्रग्रहणो लागे वाला बा जवन उपरि बेरा पौने चार बजे से शुरू हो के साँझ सवा सात बजे ले रही. अबकी के गरहन कन्या राशि वालन पर बा एहसे कन्या राशि वाले गरहन मत देखीहें.
  • पंडित मदन मोहन मालवीय के मिलल भारत रत्न का बाद परिवार के आपसी कलह सामने आइल बा. बतावल जात बा कि उनुका पौत्रवधू सरस्वती मावीय चाहत रहली कि सम्मान पहिले मालवीय जी के जनम स्थान इलाहाबाद ले आइल जाव बाकिर परिवार के कुछ लोग के कहना रहे कि पहिले काशी हिन्दू विश्वविद्यालय ले जाइल जाव. सम्मान मिलला का बाद ओकरा के बीएचयू कुलपति के दे दिहल गइल जे ओकरा के लेके मंगल का दिने सिंहद्वार पर मालवीय जी के मूर्ति का सोझा रखलन आ फेर ले के मालवीय भवन आ विश्वनाथमंदिर ले गइलन. ओहिजा अभिषेक का बाद फेरू मालवीय भवन ले आइल गइल.
  • छपरा जेपी विश्वविद्यालय कुलपति का डेरा पर भइल विवि सिंडिकेट के बइठक में पौने तीन अरब घाटा के बजट पास कइल गइल. भीतर बइठक चलत रहुवे आ बाहर में विद्यार्थी विरोध में नारा लगावत रहले.
  • छपरा में रैली करत जीतन राम माँझी कहलन कि जनता परिवार में नीतीश आ लालू के गइलो का बाद जदयू के जीतनराम चलावत रहीहें. कहलन कि लोग खूब बूझत बा कि जनता परिवार के एका कवना काम ला होखत बा. एह सभा में मंच पर मौजूद नरेन्द्र सिंह अचके में उठ के चल दिहलन. बतावल जात बा कि उनकर नाराजगी मंच पर साधु यादव के मौजूदगी से रहुवे.
  • छपरा जिला के कोपा इलाका के कुमना में चेचक पसरला से अनेके लोग बीमार पड़ गइल बा. लोग स्वास्थ्य विभाग से जल्दी से जल्दी एह बारे में कुछ करे के माग करत बा.
  • हालही में सिवान जिला के गुठनी इलाका के टेकनिया गाँव में एगो कस्टम इंसपेक्टर का घरे भइल लूट का मामिला में कवनो नजदीकि के शामिल रहला के अनेसा जतावल जात बा. एह लूट में 55 लाख के गहना आ 75 हजार रुपिया के नगदी लूट लिहल गइल.
  • बेतिया के साहू जैन विद्यलाय लौरिया में सोमार का दिने एके साथ पन्द्रह गो जोड़ा के बिआह करावल गइल. बरखा का बाबावजूद सबकुछ आराम से निपटावल गइल.
  • बेतिया के संतघाट में एगो फर्जी नर्सिंग होम पर छापा मार के नर्सिंग होम के सील कर दिहल गइल. इंटर पास डाक्टरी करे वाला फर्जी डा॰ एन॰ अंसारी फरार हो गइल रहे. खास बात ई कि शिकायत ओकरे बीबी कइले रही कि उनका शौहर का लगे कवनो डिग्री नइखे बाकिर उ आपरेशन तक करत बाड़े जवना से लोग के जान के खतरा बा.
  • वीर कुंवर सिंह विवि के आदेश बा कि प्रोफेसर लोग कालेज में कम से कम पाँच घंटा मौजूद रही आ विद्यार्थियन के 75 फीसदी हाजिरी जरुरी होखी इम्तिहान देबे खातिर.
  • सुपौल के हरियाही में एगो पेट्रोल पंप से पौने दू लाख रुपिया लूट ले गइले दू गो मिटर साइकिल से आइल मुँह तोपले पाँच गो अपराधी. कर्मचारियन के चार गो मोबाइलो छीन ले गइल बाड़े सँ.
  • आरा बक्सर रेलखंड पर बिहियां टीसन के पुरुवारा गुमटी का लगे विक्रमशीला एक्सप्रेस से गिर के एगो साठ साल के आदमी के मौत हो गइल. ओकर पहचान साबित ना हो पावल.
  • रोहतास के कोचस इलाका के पदमसी टिहरा गाँव में अकेले रहत 75 बरीस उमिर के एगो आदमी के खाना बनावत घरी लागल आग से मौत हो गइल. ओकर बेटा बनारस में रहेला.
  • गोरखपुर के बशारतपुर शाहपुर के अशोकनगर कालोनी में रहे वाला एगो रिटायर्ड बैंक मैनेजर का घर में सोमार का रात डकैती पड़ल आ विरोध करे वाला बेटा के राड से मार के घवाहिल क दिहले सँ डकैत. पुलिस मेंं पन्द्रह लाख के गहना लूटे के शिकायत लिखावल गइल बा जबकि लूट सत्तर लाख के बतावल जात बा.
  • चुनाव का बेरा जनता से कइल वादा पूरा करत मोदी सरकार गोरखपुर के उर्वरकनगर के खाद कारखाना फेरू से चालू करे के फैसला क लिहले बिया आ अब बीसो बरीस से अधिका समय से बंद चलत कारखाना फेरू चले लागी. एह से पूर्वांचल के औद्योगिकरण के राह खुल जाई.
  • गोरखपुर के घासीकटरा में एगो यतीमखाना में रहे वाला छह साल के लड़िका के लाश बाथरूम से मिलल बा. ओह लड़िका के बाप मर गइलें त सब्जी बेच के गुजारा करे वाली महतारी ओकरा के यतीमखाना में राख दिहले रहुवे चार बरीस पहिले. पुलिस के कहना बा कि लाश के पोस्टमार्टम का बादे पता चल पाई कि मौत कइसे भइल.
  • महाराजगंज के तरकुलवा में तीन गो लड़िकन के कुछ लड़िका मामूली विवाद में पिटाई क दिहल जवना से भुलनापुर के एगो नवही के मौत हो गइल.
  • आजु से रेल आरक्षण में दलालन के दाल गले में दिक्कत होखी काहे कि सिस्टम मे बदलाव क दिहल गइल बा. ओकनी के तरह तरह के गोरखधंधा के काट निकाल लिहल गइल बा बाकिर इहो तय बा कि जल्दिए दलालो आपन तरीका बदल लीहें आ कुछ नया लोचा खोज निकलिहें. आखिर ई ओकनी के कमाई के सवाल बा.
  • विकास विरोधी कांग्रेस आ पिछलगुआ गोलन के विरोध का बावजूद केन्द्र सरकार भूमि अधिग्रहण अध्यादेश दोबारा ले आवे के फैसला क लिहले बिया आ नौ गो संशोधन का साथे अध्यादेश के राष्ट्रपति के मंजूरी खातिर भेज दिहल गइल बा.
  • अपना साथियन के कमीना बतावे वाला केजरीवाल के पार्टी आआपा के टूटे के अनेसा बढ़ गइल बा. बाकिर पूरा मामिला 14 अप्रेल ले साफ होखे के उमेद लगावल जात बा.
  • गुजरात विधानसभा से आतंकवाद आ संगठित अपराध रोके वाला ‘गुजकोका’ विधेयक का जगहा ‘गुजटोका’ विधेयक पारित क दिहल गइल बा. कांग्रेसियन आ कुछ सेकूलरन के एह विधेयक से आपत्ति बा काहें कि एहसे फसाद करेवाला आतंकियन के जिनिगी कठिन बना दिहल जाई. देखल जाव कि राष्ट्रपति एह बेर का फैसला लेत बाड़न. पिछला यूपीए सरकार का दौरान गुजरात के गुजकोका कानून के दू बेर नामंजूर कर दिहल रहे राष्ट्रपति किहां से.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up