देश दुनिया के खबर भोजपुरी में (मंगल, 17 फरवरी 2015)

by | Feb 17, 2015 | 0 comments

नमस्कार!
आजु महाशिवरात्रि का दिने रउरा सभे ला शुभकामना करत टटका खबर पर पेश बा सोमार 16 फरवरी के खबर.
Download Music – Embed Audio Files – TatkaKhabar-16-Feb-15


    Sirisena-with-Modi

  • श्रीलंका में पिछला महीना भइल चुनाव जीतला का बाद पहिला बेर विदेश यात्रा पर निकलल श्रीलंका के राष्ट्रपति मैथ्रिपाला सिरिसेना सोमार का दिने प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी से चरचा का बाद अनेके समझौता पर दस्तखत भइल. रक्षा आ सुरक्षा में सहयोग बढा़वे का साथे असैन्‍य परमाणु उर्जो का क्षेत्र में समझौता भइल बा. खेती आ संस्‍कृति का काम मेंं सहयोग आ नालंदा विश्‍वविद्यालय परियोजना में श्रीलंका के हिस्‍सेदारीओ पर तीन गो समझौता भइल. राष्‍ट्रपति सिरीसेना कहलन कि उनुका एह यात्रा से बेहतर परिणाम मिलल बा आ दुनू देश के आपसी संबंध बरियार भइल बा. कहलन कि अगिला महीना होखेवाला प्रधानमंत्री मोदी के श्रीलंका यात्रा उनका देश ला सम्‍मान के बात होखी.
  • दिल्ली के आआपा सरकार के कैबिनेट फैसला कइले बिया कि महाशिवरात्रि के छुट्टी अब से सार्वजनिक छुट्टी ना होखल करी. इहो फैसला भइल बा कि सरकारी जमीन दखलिया के बनावल घर मकान अब ना हटावल जाई. मीडिया के सचिवालय में घुसे से मना क दिहल गइल बा. एह मुद्दा पर मीडियावालन के नाराजगी देख पत्रकारन से बतियावे आइल उपमुख्यमंत्री मनीष सिसोदिया बिना कुछ कहले लवट गइलन. ना त कवनो जवाब दिहलन ना अफसोस जतवलन.
  • संघ प्रमुख मोहन भागवत कानपुर में कहलन कि भाजपा आ संघ के अउरी आनुसांगिक संगठनन का बीच बेहतर तालमेल बनवला के जरूरत बा. संघ के सगरी आनुसांगिक संगठनन के प्रतिनिधियन के बइठक में दू सौ लोग शामिल रहुवे. कहलन कि संघ के विचारधारा खातिर समर्पित लोग संघ खातिर काम क के एकरा के अउरी बरियार बनावसु.
  • पश्‍चिम बंगाल में लोकसभा आ विधानसभा के एक-एक सीट आ आन्‍ध्र प्रदेश, गोवा, महाराष्‍ट्र, तमिलनाडु अउर अरूणाचल प्रदेश के एक-एक गो विधानसभा सीट पर भइल उपचुनाव में सगरी गोल आपन आपन सीट बचा लिहले बाड़ी सँ. पश्चिम बंगाल के कृष्‍णागंज विधानसभा सीट पर भाजपा दुसरका जगहा रहल. माकपा तिसरका पर आ कांग्रेस चउथका जगहा रहल.
  • मुँह के कैंसर का चलते पिछला कई दिन से अस्पताल में भरती महाराष्ट्र के गृहमंत्री रह चुकल आर आर पाटिल के सोमार का दुपहरिया अस्पताल में मौत हो गइल.
  • एकइस गो ईसाइयन के गरदन काट देबे वाला इस्लामिक स्टेट के कसाईयन के ठिकानन पर मिस्र बमबारी क के 64 गो इस्लामिक आतंकियन के मार गिरवलसि. बहुते घवाहिलो भइल बाड़न स.
  • थोक दाम का आधार पर बनल सूचकांक में महँगाई के दर शून्यो से नीचे आ गइला का बाद उमेद कइल जा रहल बा कि रिजर्व बैँक ब्याज दर में कटौती कर दी. पिछला तीन महीना में महँगाई दर दुसरका बेर शून्य से नीचे आइल बतावत बा कि हालात में सुधार भइल बा. बाकिर शेयर बाजार में शुरुआती तेजी बाद में मुनाफा वसूली का फेर में थथम गइल आ बाद में महज 35 अंक चढ़ के सेंसेक्स आ करीब 4 अंक चढ़ के निफ्टी बंद भइल.
  • आईसीसी क्रिकेट विश्‍वकप में एगो बड़हन उलटफेर करत आयरलैण्‍ड दू बार के विश्‍व चैंपियन वेस्‍टइंडीज के चार विकेट से हरा दिहलसि. वेस्टइंडीज के बनावल 304 रन के निसान आयरलैँड के टीम 45वें ओवर में पार कर गइल. ओह बेरा ले ओकर छह गो विकेट गिर चुकल रहुवे.
  • क्रिकेट के खेल आ पइसा के खेला वाला आईपीएल के 8वां संस्करण में खिलाड़ियन के नीलामी में युवराज खातिर सबले बड़का बोली 16 करोड़ लगा के दिल्ली डेयरडेविल्स खरीद लिहलसि. दिनेश कार्तिक के साढ़े दस करोड़ में खरीदल गइल बा.
  • बक्सर जिला के सोनबरसा इलाका के एकइल गाँव का लगे नेशनल हाईवे पर एगो टैंकर दर्जनो से बेसी भेड़न के कचारत चल गइल. बाद में भेड़ ले के चलत लोग सड़क जाम क के बइठ गइल. बाद में पुलिस आ के जाम हटववलसि.
  • बिहार के मुख्यमंत्री जीतन राम माँझी के कहना बा कि जदयू अफवाह फइला के विधायकन के डरावत बिया कि माँझी विधानसभा भंग करवा के राष्ट्रपति शासन लगवा दीहें. जबकि उनकर अइसन कवनो मनसा नइखे.
  • सासाराम के लेरूआ गाँव का लगे फोरलेन सड़क पर शनिचर के देर रात एगो ट्रक ड्राइवर आ खलासी के नशा खिया के ओकर ट्रक ले भगले सँ अपराधी आ दुनू के बेहोश हाल में सड़क किनारे पड़ल छोड़ गइले स. ट्रक हरियाणा से कोलकाता जात रहुवे.
  • छपरा-थावे लाईन पर डाउन डीएमयू पैसेंजर ट्रेन के इंजन अगौथर हाल्ट पर फेल हो गइला का चलते एह रूट पर तीन घंटा ले रेलगाड़ियन के आवाजाही रुक गइल.
  • मांझी के जयप्रभा पुल का लगे बलिया का सीमा में अतवार का रात एगो टाटा सफारी कार आ ट्रक के टक्कर में सफारी के परखच्चा उड़ गइल आ ड्राइवर के मौत ठाँवे पर हो गइल. पीछे बइठल आदमी के बहुते घवाहिल हाल में गाँव के लोग अस्पताल चहुँपा दिहल.
  • मांझी के सिंगही गांव में पेड़ से लटकल एगो लइकी के लाश मिलल. पुलिस मामला के जाँच में लागल बिया आ लोग अनुमान लगावे में कि ई खुदकुशी ह कि हत्या.
  • 2009 बैच के आईपीएस अधिकारी नवीन चन्द्र झा सोमार का रात भोजपुर जिला के एसपी के कमान थाम लिहलन. मंगल दिन में कार्यालय जा के विधिवत काम शुरू करीहें.
  • मोतिहारी समाहरणालय परिसर चहुँपल तुरकौलिया के व्यापारी अनवर आलम थाना में अरजी दिहले बाड़न कि जुर्माना अदा करे खातिर ले आइल 85 हजार रुपिया डिक्की मे राखल रहुवे जब उनकर मोटरसाइकिल केहू चोरा लिहल.
  • पूर्वी चंपारण के तुरकौलिया में असलहा देखा के एगो बियाहल औरत से कवलपुर कन्हिया टोला गांव में सामूहिक कुकर्म कइला के खबर सामने आइल बा. भुक्तभोगी औरत थाना में केस लिखववले बाड़ी.
  • सिवान जिला के आंदर इलाका के केहरदो पट्टी आ सिंगही गांव के सीमा पर यज्ञ देखके लवटत दू गो नवहियन के घेर के कुछ बदमाश एगो के गरदन काट दिहले. दोसरका के मार पीट के घवाहिल क के छोड़ भगलन स.
  • सिवाने जिला के रघुनाथपुर इलाका के हरनाथपुर गांव में शनिचर का रात मँड़ई में आग लगला से एगो आदमी झँउस गइल. बगल के दू गो अउरियो मँड़ईयन में आग से बहुते नुकसान भइल बा.
  • सोमार के सँझिया एगो मोटरसाइकिल से कचराइल बूढ़ के मौत सिवान सदर अस्पताल में इलाज का दौरान हो गइल.
  • व‌र्ल्ड कप में भारत के जीत पर बलिया शहर के चौक बाजार में पटाखा फोड़त लोग आ एगो दुकानदार का बीच शुरू भइल झगड़ा देखते देखते दू गो समुदाय के बवाल में बदल गइल. एगो मोटरसाइकिल के आग लगा दिहल गइल आ दुनू तरफ से जम के मारपीट भइल. पुलिस बीस जने का खिलाफ मुकदमा लिखले बिया.
  • सेना रैली भर्ती से लवटत नवहियन के झुंड सोमार का दिने बलिया शहर में आपाधापी मचा दिहले. बड़हन भीड़ अपना अपना गाँवे जाए खातिर सवारी वाहनन पर लदलदा के यात्रा कइले.
  • बलिया जिला के पकड़ी इलाका के छतरसड़ गांव में अतवार रात एगो मेहरारू फाँसी लगा के मर गइल. ऊ अपना मरद संगे पंजाब जाए के जिद्द करत रहुवे बाकिर मरद तइयार ना भइल.
  • बलिए का हल्दी इलाका में खाना बनावत घरी आग लगला से एगो औरत के मौत हो गइल आ ओकरा के बचावे आइल भसुर झँउस गइले.
  • देवरिया के भटनी ‎ इलाका के साहोपार आ रजवल का बीच दू गो मेहरारुवन के गहना आ बैंक से निकाल के ले आवत बीस हजार रुपिया मोटर साइकिल सवार बदमाश छीन के भाग गइले.
  • देवरिया शहर से बैतालपुर जात एगो राजगीर के मौत सोमार का दिने कवनो गाड़ी से टकरइला का बाद हो गइल. राजगीर रुद्रपुर कोतवाली के उसरा गांव के रहुवे.
  • गाजीपुर जिला के दिलदार नगर में एगो नर्सिग होम में अतवार का रात बच्चा जनमवला का बाद प्रसूति के मौत हो गइल. घर वाले चिकित्सक पर लापरवाही के आरोप लगावत बवाल कटले आ लाश सड़क पर राख के जा लगा दिहले.
  • गोरखपुर के पिपराइच कस्बा के एगो औरत बकरी चरावत घरी खजवा इलाका में ट्रेन के चपेटा में आ गइल आ ओहिजे ओकर मौत हो गइल. गगहा का नियरा सड़क हादसा में एगो साइकिल सवार आदमी कार से टकरइला का चलते मर गइल जबकि कार ड्राइवर घवाहिल हो गइल.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up