देश दुनिया के खबर भोजपुरी में (बुध, 18 फरवरी 2015)

by | Feb 18, 2015 | 0 comments

(मंगल, 17 फरवरी के खबर)

    PM-Modi-at-christian-function

  • ईसाईयन के एगो समारोह में शामिल होखे चहुँपल प्रधानमंत्री मोदी कहलन कि उनकर सरकार देश में कवनो संप्रदाय के नफरत पसारे ना दी आ धार्मिक आजादी के मान राखी. हालांकि हाल ही में दिल्ली के एगो स्कूल में भइल चोरी के घटना का बाद मीडिया में बेवजह के बवाल खड़ा कइल गइल रहे. संजोग से एह चोरी खातिर धराइल चोर ईसाईए समुदाय के निकललन. आए दिन मंदिरो में चोरी होखत रहेला बाकिर ओकरा के मीडिया हिन्दू धर्म पर हमला ना बतावे. बाकिर क्रिश्चियन स्कूल में भइल चोरी के ईसाई समुदाय पर हमला का तरह पेश कइल गइल.
  • बिहार में राजनीतिक जोर आजमाइश से पहिले भतखई के दौर चालू हो गइल बा. जइसे बारात निकले से पहिले भतखई होखेला जेहसे कि पता चल सके कि बारात में कतना लोग जाएवाला बा वइसहीं एह राजनीतिक भतखई से लोग आपन आपन समर्थन आजमावे में लागल बा. एह बीच जदयू अपना सात गो विधायकन के पार्टी से सस्पेंड क दिहलसि. ई लोग माँझी सरकार में मंत्री बा. भाजपा विधायक दल के बइठक शुक का दिने होखी आ ओही में माँझी सरकार के समर्थन का मुद्दा पर विचार होखी.
  • पाकिस्तान के लाहौर में गुजर सिंह पुलिस लाइन का नियरा भइल बम धमाका से बाहियो त आठ लोग के जान चल गइल आ बहुते लोग घवाहिल हो गइल. हमला करे वाला पुलिस लाइन के निशाना बनावल चाहत रहुवे बाकिर ओहिजाले जा ना सकल.
  • पूर्वी अफगानिस्तान में लोगार राज्य के पुलिस मुख्यालन में अलगा अलगा जगहा घुस के चार गो फिदायिन हमलावर अपना के उड़ा दिहलें आ करीब दू दर्जन पुलिस अधिकारियन के जान ले लिहले.
  • विदेश मंत्री सुषमा स्‍वराज ओमान के दू दिन के सरकारी यात्रा पर मस्‍कट पहुंचल बाड़ी जहाँ उ ओमान के माथ नेतृत्‍व संगे सुरक्षा, रक्षा आ नागरिक मुद्दन पर चर्चा करीहें.
  • आई.सी.सी. क्रिकेट विश्व कप में मंगल का दिने भइल मैच में न्यूजीलैंड के टीम स्कॉटलैंड टीम के तीन विकेट से हरा दिहलसि. न्यूजीलैंड के ई लगातार दुसरका जीत रहे. बुध का दिने बंगलादेश आ अफगानिस्‍तान का बीच मैच होखे वाला बा.
  • राष्‍ट्रीय स्‍वयं सेवक संघ जम्मू कश्मीर में होखे जात भाजपा आ पीडीपी के बीच के गठबन्हन पर चिंतित बा काहे कि ओकरा लागत बा कि पीडीपी के रुख देश हित के खिलाफ बा. संघ नेता इन्‍द्रेश कुमार कहलन कि अलगाववाद आ कट्टरवाद देश हित ला खतरा बा.
  • सारण जिला के 370 स्कूलन के प्राचार्यन के तनखाह उठावे पर रोक लगा दिहल गइल बा. ई लोग स्कूल भवन बनावे खातिर रुपिया उठा लिहले बा बाकिर ओकर हिसाब जमा नइखे कइले.
  • छपरा-सिवान मेनरोड पर दाउदपुर के भोला ढाला का नियरा एगो बोलेरो आ मोटरसाइकिल के टक्कर में जैतपुर के एगो नवही बहुते घवाहिल हो गइल.
  • भोजपुर जिला के अगिआव बाजार इलाका में बहरी महादेव धाम का नियरा मंगल का दुपहरिया एगो गाड़ी से धक्का लगला से एगो आदमी घवाहिल हो गइल त अगल बगल के लोग ओकरा ड्राइवर के अतना पीट दिहल कि ओकरा के गंभीर हालत में अस्पताल में भरती करावल गइल बा.
  • पश्चिमी चंपारण के छौड़ादानो इलाका में जीप स्टैंड का लगे एगो मंदिर के पुजारी से एक लाख चालीस हजार रुपिया लूट लिहल गइल. पुजारी के हाथ टूट गइल बा. पुलिस के कहना बा कि ई मामला जीप स्टैंड से होखे वाला नाजायज उगाही से जुड़ल बा
  • सिवान जिला के आंदर इलाका में भइल सिंगही गाँव के एगो लइका के हत्या का मामिला में पुलिस ओकरा संगे रहल दोसरका लइका के ओकरा बाप साथे गिरफ्तार कर लिहले बिया. मरेवाला लइका के बाप एह बाप बेटा समेत छह जने का खिलाफ नामजद केस लिखववले बाड़न.
  • गाजीपुर के जमानियां कस्बा के एगो सर्राफा व्यवसायी से मंगल के सँझिया पाँच लाख के गहना आ करीब पचास हजार के नकदी लूट लिहल गइल. ऊ आपन दुकान बंद क के घरे लवटत रहे जब ई घटना भइल. हमला में घवाहिल एह व्यापारी के अस्पताल में इलाज होखत बा.
  • गाजीएपुर के खानपुर में गोपालपुर का लगे मंगल के दुपहरिया एगो पिकअप के धक्का से एगो आदमी के मौत हो गइल आ उनका संगे आवत आदमी घवाहिल हो गइल. ई लोग मारकंडेय महादेव के दर्शन क के लवटत रहुवे.
  • देवरिया जिला के लार में एगो मातृ-शिशु अस्पताल बनावे खातिर मंगल का दिने भूमि पूजन कइल गइल. तीस बेड के एह अस्पताल में तीस बेड, आइसीयू आ वेंटीलेटर के सुविधा रही. अस्पताल बनावे में करीब तीन करोड़ के खरचा होखी.
  • बलिया जिला के रेवती इलाका के हड़ियाकला गांव में मंगल का भोरे कुछ बदमाश घर का बहरी सुतल बाप बेटा के गोली मार के घवाहिल क दिहले.
  • बलिए के पकड़ी इलाका के मेउली कनासपुर में शादी में लगावल टेंट उतारत एगो कर्मचारी के करंट लगला से ओकर मौत हो गइल. खेजुरी गाँव के रहे ई कर्मचारी.
  • घुरफिर के घूरा राम फेरू बसपा में शामिल हो गइलन. एह बात के जानकारी बलिया जिला के बसपा अध्यक्ष संतोष राम मीडिया के बतवले.
  • पीएम मोदी के मिलल उपहारन के नीलामी क के ओकरा से मिलल धन गंगा सफाई योजना खातिर दान में दे दिहल जाई. एह नीलामी में उहो सूट शामिल बा जवना का बारे में मीडिया कहले रहुवे कि मोदी आपन नाम लिखल दस लाख के सूट पहिरले रहन.
  • उत्तर प्रदेश अधीनस्थ सेवा चयन आयोग में 3467 पद पर बहाली खातिर ऑनलाइन आवेदन 20 फरवरी, 2015 से शुरू होखी आ 18 मार्च, 2015 ले आवेदन कइल जा सकी. एह बहाली खातिर योग्यता चाहीं 12वीं पास आ कंप्यूटर में सीसीसी प्रमाण पत्र.
  • नेताजी सुभाष चंद्र बोस के गुमशुदगी से जुड़ल कागजात के अतना गुप्त बना दिहल गइल बा कि प्रधानो मंत्री ओकर खुलासा ना करवा सकसु. एह बारे में चरचा होखत रहेला कि उनकर हत्या रुस सरकार स्टालिन शासन का दौरान करवले रहुवे. बाकिर एह बात के कवनो सबूत ना दिहल जा सके काहे कि नेहरू सरकार का दौरान एकरा के अतिगुप्त बना के राख दिहल गइल.
  • नवहियन से जुड़े में लागल राष्ट्रीय स्वयंसेवक संघ अपना के अउरी जवान बनावे में लागल बा. मौजूदा सरसंघचालक मोहन भागवत खुद सबले कम उमिर के हउवन. अब संघ के अपना दुसरका सबले माथ पद सरकार्यवाह का रूप में दत्तात्रेय होसबोले के ले आवल जा सकेला. मौजूदा सरकार्यवाह भैया जी सुरेश जोशी बाड़न.
  • इलाहाबाद में गंगा, यमुना आ पौराणिक सरस्वती नदी के संगम पर चलत माभ रहे माघ मेला महाशिवरात्रि का नहान का साथे खतम हो गइल. महाशिवरात्रि पर्व पूरा देश में धूमधाम से मनावल गइल. बलिया समेत अनेके जगहा शिवजी के बारात निकालल ग‎इल जवना में तरह तरह के भूत बैताल बनल शिव भक्त शामिल रहले.
  • यूपी सरकार सोशल मीडिया पर नजर राखे खातिर सर्विलांस लैब चलावे के फैसला कइले बिया जहाँ फेसबुक आ ट्विटर जइसन सोशल साइटन पर दिहल जात टिप्पणी पर निगहबानी कइल जाई.
  • बाराबंकी फैजाबाद मेन रोड पर रामसनेही घाट कोतवाली का इलाका में कल्याणी पुल का लगे एगो चारपहिया आ ट्रक के टक्कर में कार पर सवार चार जने के मौत हो गइल. ई लोग गाजीपुर के रहे वाला रहुवे आ लखनऊ खातिर निकलल रहुवे.
  • वाराणसी के भोजूबीर में बाकायदा आफिस खोल के हिंडाल्को में बहाली करावे का नाम पर बेरोजगारन के बुड़बक बनावे वाला गिरोह के पता चलल बा जवन अबले नाहियो त तीस गो बेरोजगारन से लाखो रुपिया वसूल के फर्जी बहाली कइले बा. जब ई लोग बहाली वाला जगहा प योगदान देबे चहुँपल तब एह फर्जीवाड़ा के पता लागल. बाकिर अबही ले कवनो गिरफ्तारी के खबर नइखे.
  • बलिया के गड़वार नगरा सड़क पर जेडी पब्लिक स्कूल का सोझा दू गो मोटरसाइकिल के भिड़न्त में तीन जने के मौत हो गइल आ तीन जने अस्पताल में भरती करावल गइल बाड़े. ओहू लोग के हालत खराबे बा. दुनू पर तीन तीन गो नवही सवार रहले आ स्पीड बेकाबू.
  • मंगल का सबेरे मिर्जापुर टीसन पर मूरी एक्सप्रेस रेलगाड़ी से एगो आदमी के पाँच लाख रुपिया के जाली नोट संगे एगो तस्कर के गिरफ्तार क लिहल गइल. पिछला साल एही आदमी के बेटो के दू लाख रुपिया के जाली नोट संगे वाराणसी में गिरफ्तार कइल गइल रहे.
  • बिहार विद्यालय परीक्षा समिति के इंटर परीक्षा बुध से शुरु होखे जात बा आ एकरा के नकल मुक्त करावे के सगरी तइयारी क लिहल गइल बा. इम्तिहान के वीडियोग्राफी करावल जाई आ परीक्षा हाॅल में मोबाइल के इजाजत ना रही.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up