देश दुनिया के खबर भोजपुरी में (बियफे, 19 फरवरी 2015)

by | Feb 19, 2015 | 0 comments

(बुध, 18 फरवरी के खबर)

  • JeetaRamManjhi-at-Singhmaपटना उच्‍च न्‍यायालय जीतनराम मांझी सरकार के बड़हन नीतिगत फैसला लेबे पर रोक हटा दिहलसि त माँझी कैबिनेट नया फैसलन के बरखा करा दिहलेंं. एह फैसलन में सरकारी नौकरी में 35 फीसदी महिला आरक्षण, पुलिस में हर साल तेरह महीना के तनखाह, किसान सलाहकारन आ होमगार्डन के मानदेय में बढ़ोतरी, राम बालक महतो के हटा के विनोद कुमार कंठ के महाधिवक्ता बनावल, कर्पुरी ठाकुर शोध संस्थान आ स्वामी सहजानंद सरस्वती शोध संस्थान खोले के फैसला खास बाड़ी सँ.
  • विधानसभा में विपक्षी दल केकरा के मानल जाव एकरा ला बोलावल गइल सर्वदलीय बइठक बेनतीजा रहल. भाजपा एह बइठक से बाहर निकल गइल काहे कि विधानसभा अध्यक्ष पक्षपात करत लगलन ओकरा.
  • मुख्यमंत्री जीतन राम मांझी के पूरा भरोसा बा कि 20 फरवरी का दिने ऊ विधानसभा में आपन बहुमत सिद्ध करा दीहें. एह बीच भाजपा विधायक दल एक राय से माँझी सरकार के समर्थन करे के राय जाहिर कइलसि बाकिर इहो कहलसि कि अखिरी फैसला विधानसभा में कइल जाई.
  • बिहार के कृषि मंत्री नरेन्द्र सिंह के फोन क के जान से मार देबे के धमकी दिहल गइल बा.
  • विधानसभा अध्यक्ष उदय नारायण चौधरी मुख्यमंत्री जीतन राम मांझी के बहाल कइल जदयू ह्विप के मान्यता ना दिहलन आ कहलन कि जदयू के ह्विप श्रवण कुमार हउवन आ उनके बात मानल जाई. राजद अपना विधायकन खातिर ह्विप जारी क के माँझी सरकार का खिलाफ वोट देबे के कहले बिया.
  • यूपी राज्य विधानमण्डल के बजट बुध का दिने हंगामा संगे शुरू भइल. विपक्ष के हल्लागुला का बीच राज्यपाल अपना अभिभाषण के पहिलका आ आखिरी पैरा पढ़ के औपचारिकता निबाह दिहले. एह दौरान भाजपा विधायक सदन में मौजूद ना रहलें.
  • उत्तर प्रदेश माध्यमिक शिक्षा परिषद के हाईस्कूल आ इंटर के परीक्षा बियफे से शुरू होखत बा. मैट्रिक परीक्षा ला करीब सवा चौंसठ लाख आ इंटर ला सवा उनतीस लाख साढ़े दस हजार परीक्षा केन्द्र बनावल गइल बा. एकरा के नकल मुक्त आ शान्ति से करावे के सगरी इन्तजाम कइल गइल बा.
  • मोदी सरकार के बदनाम आ परेशान करे खातिर डाँड़ कसले मीडिया कवनो ना कवनो मुद्दा तूड़ मरोड़ के पेश करे में लागल बा. पहिले कोस्ट गार्ड के डीआइजी के बयान छपलसि कि पाकिस्तानी से आवत आतंकियन के नाव विस्फोट से उड़ा दिहल गइल रहे. जब डीआईजी एह बात से इंकार कइलन त एगो वीडियो जारी क के ओह बात के दुबारा दावा पेश कइल गइल बा. जबकि ओह वीडियो के सुनला से साफे लागत बा कि ओकरा संगे छेड़छाड़ भइल बा. विपक्ष आ मीडिया के देशहितो के चिंता नइखे.
  • केन्द्र सरकार दिल्‍ली उच्‍च न्‍यायालय के बतवलसि कि आआपा के मिलल विदेशी चंदा का मामिला में कवनो आरोप साबित नइखे भइल.
  • दसवां एयर इंडिया शो के उद्घाटन करत प्रधानमंत्री नरेन्‍द्र मोदी भारत में रक्षा सामग्री उत्पादन के दायरा बढ़ावे आ देशे से आधुनिक हथियार खरीदे पर जोर दिहलन. एह शो में पहिला बेर इजरायल के रक्षामंत्री शामिल भइलन. इजरायल भारत के बहुते रक्षा सामग्री निर्यात करेला आ उहो मोदी सरकार के ‘भारत में बनाईं’ योजना के सफल बनावे में हाथ लगावल चाहत बा.
  • जिनेवा में ब्रिटेन के एगो बड़हन बैंक एचएसबीसी के कार्यालय में छापा मार के दुनिया भर के करिया कमाई के धन जमा करावे के जाँच चलत बा. बैंक पर आरोप बा कि ऊ सब कुछ जानत बूझत एह तरह के कमाई करे वालन के टैक्स चोरावे में मदद चहुँपवलसि.
  • कैंसर का चलते मशहूर फिल्‍म निर्माता आ सांसद रहल दग्‍गुबाती रामानायडु के बुध का दिने 79 साल का उमिर में हैदराबाद में निधन हो गइल. उ नाहियो त 140 गो फिलिम बनवले रहुवन जवना में हिन्दी आ भोजपुरीओ के फिलिम शामिल रहली सँ.
  • कैनबरा में भइल आई. सी. सी. क्रिकेट विश्व कप के मैच में बांग्लादेश अफगानिस्तान के 105 रन से हरा दिहलसि. बियफे का दिने नेल्‍सन मैदान पर जिम्‍बाब्‍वे के मुकाबला संयुक्‍त अरब अमीरात से होखी.
  • लगातार छठवां दिने शेयर बाजार में बढ़त दर्ज भइल आ सेंसेक्स 184 अंक बढ़के अउर निफ्टी 60 अंक बढ़के बंद भइल. बजट के अनुमान लगावत ई तेजी चलत बावे.
  • मोदी के ‘दसलखिया सूट’ के नीलामी से हकबकाइल विपक्ष एहू बात पर हमला बोललसि. ऊ एह बात से परेशान लउकत बाड़ी सँ कि एगो विवादो के निपटावत मोदी के छवि अउरी सुधर गइल. नीलामी में ओह कोट खातिर अबले 1 करोड़ 21 लाख रुपिया के बोली लाग चुकल बा आ नीलामी जारी बा.
  • अन्ना हजारे 20 फरवेी का दिने पलवल जइहें आ ओहिजा से शुरु होखे वाला जन सत्याग्रह पदयात्रा के झंडी देखा के दिल्ली रवाना करइहें. ढेर दिन से खबर से बाहर रहल अन्ना दिल्ली विधानसभा में केजरीवाल के पार्टी के जीत का बाद एक बेेर फेरू उछाह में आ गइल बाड़न. उनुका एह बात के गुमान रहेला कि उनुका आन्दोलन से दू बेर सरकार गिर चुकल बिया आ अनेके मंत्रियन के इस्तीफा देबे पड़ल बा.
  • बोको हरम आ नाइजीरियाई सेना के मुठभेड़ में 17 गो बोको हरमी मारल गइले बाकिर ओहसे पहिले ग्रेनड चला के ऊ 20 लोग के मार दिहले रहले स.
  • अमेरिका में एगो बूढ़ भारतीय पर पुलिस हमला का मामिला में अलबामा गवर्नर सार्वजिनक रूप से माफी मंगले बाड़न.
  • सासाराम जिला के सिंगुही गांव में हनुमान पूजनोत्सव का मौका पर एगो दंगल प्रतियोगिता करावल गइल.
  • रोहतास जिला के शिवसागर इलाका में बुध का दिने ट्रक आ मोटरसाइकिल के टक्कर में एगो लईकी के मौत हो गइल आ दू जने घवाहिल हो गइले. प्रयागपुर गांव के एगो रिटायर सैनिक अपना बेटा आ बेटी संगे मोटरसाइकिल से बेटी के इलाज करावे सासाराम जात रहले जब ई हादसा भइल.
  • रोहतास जिला के अकोढ़ीगोला इलाका के तेतराढ़ गांव का नियरा पुलिस एगो पीडीएस डीलर के अनाज के कालाबाजारी करत रंगे हाथ ध लिहलसि. साथही ओहू दुनू जने के ध लिहल गइल जे सरकारी अनाज खरीदत रहुवे.
  • आरा में अपना जर्जर छात्रावास के बनवावे खातिर भूख हड़ताल पर बइठल सात गो विद्यार्थियन के तबियत खराब भइला का बाद अस्पताल में भरती करावल गइल बा.
  • आरा के नवादा इलाका में तिलक नगर कतिरा मुहल्ला से गायब तइन बरीस के लईकी के लाश बुध का दिने मुहल्ले के नाला से बरामद भइल.
    सिवान जिला के गुठनी इलाका के जतौर बाजार का लगे बुध के सँझिया जीप से टकरा के आठ साल के एगो लईका के मौत हो गइल.
  • सिवान जिला के नौतन के कादिरचक गाँव से उठावल गइल एगो नवहिन के फुलवरिया थाना के बड़की पकौली गांव से बृजलाल भगत का घर से बरामद लिहलसि पुलिस.
  • सिवान जिला के हुसैनगंज इलाका के फरीदपुर गाँव के एगो लड़िका 12 फरवरी का दिने आटो से कचरा गइल रहे. ओह घवाहिल लड़िका के इलाज का दौरान गोरखपुर मेडिकल कालेज में बुध का दिने मौत हो गइल.
  • सिवान जिला के रघुनाथपुर इलाका के बरवां गाँव में आपसी झगड़ा मे चलल गोलीबारी से चार जने घवाहिल हो गइले. पुलिस एह मामिला में चार जने के गिरफ्तार कइले बिया.
  • मोतिहारी के सदर अस्पताल का पीछे एगो पैथोलॉजिस्ट के घर पर कुछ बदमाश गोली चलवले बाकिर संजोग से पैथोलाॅजिस्ट बाच गइले.
  • बिहार विद्यालय परीक्षा समिति के इंटर परीक्षा बुध का दिने शुरू हो गइल. पहिलके दिन गोपालगंज से जीवविज्ञान के परचा लीक होखे के खबर मिलल आ की जगहा से नकल करे वालन के निकाल बाहर कइल गइल.
  • पश्चिम चम्पारण के गवनाहा थाना के मोरबेलवा का नियरा दू गो गाड़ियन के टक्कर में एक जने के मौत ओहिजे हो गइल आ तीन जने घवाहिल हो गइले.
  • आतंकी बतावत इशरत जहाँ आ सोहराबुद्दीन के मार गिरावे का मामिला में सात बरीस से जेल में बन्द गुजरात के आईपीएस अधिकारी रहल डीजी वंजारा काल्हु रिहा हो गइलन.
  • बलिया जिला के रसड़ा तहसील दिवस पर शिकायत ले के चहुँपल छह लोग के पुलिस गिरफ्तार कर लिहलसि. एह लोग पर झूठहन शिकायत करे के आरोप लगावल गइल बा.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up