देश दुनिया के खबर भोजपुरी में (शनिचर, 21 मार्च 2015)

by | Mar 21, 2015 | 0 comments

(शुक 20 मार्च के खबर)

  • चैती नवरात्र आजु शनिचर से शुरू होखत बा आ एही दिन से हिन्दू नया साल के शुरुआत हो जाई. एही नवरात्र में चैती छठ आ रामनवमी पर्वो मनावल जाई. साँझ वाला अरघ 25 मार्च के, सबेरे वाला अरघ 26 मार्च के आ रामनवमी 28 मार्च के मनावल जाई. चैत नवरात्र के मौका पर रउरा सभे खातिर हार्दिक शुभकामना करत बानी.
  • यूपी में रायबरेली का नियरा बछरावां टीसन का लगे देहरादून से वाराणसी जात जनता एक्सप्रेस के इंजन आ दू गो डिब्बा बेपटरी हो गइला का चलते करीब तीन दर्जन लोग के मौत हो गइल आ करीब डेढ़ सौ लोग घवाहिल हो गइल बा.
  • रेलवे हमेशा का तरह एहु दुर्घटना के जाँच के आदेश दे दिहले बिया आ मरे वाला लोग के परिवारन के दू दू लाख रुपिया आ गम्हीराह घवाहिलन के पचास पचास हजार रुपिया देबे के एलान कइले बिया. कम घवाहिलन के बीस बीस हजार दिहल जाई. एकरा अलावे यूपी सरकारो एतने रुपिया अपनो तरफ से देबे के एलान कइले बिया.
  • कांग्रेस आ कम्यूनिस्टन के विरोध का बावजूद शुक का दिने कोयला खान विशेष प्रावधान विधेयक पास के पास क दिहलसि. विधेयक का विरोध में 62 वोट पड़ल जबकि पक्ष में 107मत. लोकसभा एकरा के पहिलही पारित कर चुकल बिया. कांग्रेस के कहना बा कि एकरा के पिछला दरवाजा से निजी क्षेत्र के सँउपे के राह बनावल गइल बा. याद करीं कि पिछला सरकार में भइल कोयला खान घोटाला का चलते तब के पीएम मनमोहनो सिंह के अदालत में अपराधी मानत बोलावल गइल बा.
  • लोकसभा में शुक का दिने अघोषित विदेशी आय तथा सम्पत्ति(कर अर्थदंड) विधेयक-2015 पेश क दिहल गइल. एह विधेयक में विदेश में करिया धन राखे वालन के तिगुना जुर्माना आ दस साल तक जेल भेजे के इंतजाम कइल गइल बा. करिया कमाई वालन के सिट्टीपिट्टी गुम हो जाई काहे कि अब पकड़इला पर सेटिंग वेटिंग के राह ना रही.
  • संसद के बजट सत्र के पहिला हिस्सा में पाँच गो अध्यादेशन के विधेयक पारित करा लिहल गइल बा. अब महज भूमि अधिग्रहण बिल बाँचल बा जवना के राज्यसभा से पारित करावे के बा. देश के विकास में रोड़ा अटकावे वाली कांग्रेस अपना पिछलगुवा कम्युनिस्टन आ कुछ इलाकाई दल का संगे एकरा के रोके में लागल बिया.
  • केन्द्र के शासन वाला राज्यन में पुलिस बल में एक तिहाई जगहा महिला लोग खातिर आरक्षित क दिहल गइल बा. ई फैसला शुक का दिने भइल कैबिनेट के बइठक में लिहल गइल.
  • बिहार के मैट्रिक इम्तिहान में होखत बेसम्हार नकल पर पटना उच्च न्यायालय कड़ा रुख अपनवले बा आ शिक्षा विभाग से 27 मार्च ले हलफनामा दाखिल करा के एह बाबत जानकारी देबे के कहले बावे. ओने मुख्यमंत्री नीतीश कुमार अभिभावकन के गोहार लगवले बाड़न कि नकल में सहयोग मत करे लोग. जान जाईं कि बिहार आ यूपी के परीक्षा में होखत नकल का चलते पूरा देश दुनिया में एह इलाका के छवि खराब होखेला आ जल्दी से दोसरा राज्यन में एहिजा के विद्यार्थियन के दाखिला ना मिल पावे.
  • बिहार विधानसभा में शुक का दिने राज्य में धान खरीद का मुद्दा पर भाजपा जम के बवाल कइलसि. एह लोग के कहना बा कि सरकार धान खरीदे में हीलाहवाली करत बिया आ तीस लाख मेट्रिक टन का जगहा महज तेरह लाख टन खरीदा पावल बा. एह चलते किसान परेशान बाड़े काहे कि 31 मार्च का बाद खरीददारी बंद क दी सरकार.
  • रोहतास जिला के डेहरी इलाका में ट्रक से कचरा के एगो साइकिल सवार के मौत हो गइल. डेहरी टीसन का लगे ट्रेन से गिर के एगो सवारी के मौत हो गइल जवना के पहचान साबित नइखे भइल.
  • सारण जिला के तरैया आ गड़खा प्रखंड में भइल अलग-अलग सड़क हादसा में दू जने के मौत हो गइल.
  • सीवान जिला के जीरादेई पश्चिम टोला से पुलिस शुक का सबेर में एगो बच्चा के लाश बरामद कइलसि.
  • बलिया में बोलावल रोजगार मेला में तीन सौ छह गो नवही शामिल भइले आ एहमें से अस्सी जने के अलग अलग कंपनियन में नौकरी खातिर चुन लिहल गइल.
  • आस्ट्रेलिया शुक का दिने विश्वकप के क्वार्टर फाइनल में पाकिस्तान के हरा के बाहर क दिहलसि. अब सेमीफाइनल में भारत के मुकाबला आस्ट्रेलिया से करावल जाई. भारत एह विश्वकप में अबले अपना खिलाफ सगरी टीमन के सगरी खिलाड़ियन के आउट करे आ सगरी के हरावे के रिकार्ड बनवले बावे आ विश्वकप के दमदार दावेदार बन के सामने आइल बा.
  • शेयर बाजार में शुक का दिने फेरू गिरावट देखे के मिलल. सेंसेक्स आ निफ्टी पिछला डेढ़ महीना के सबले निचला स्तर पर आ गइल बा. हालांकि रुपिया में डालर का मुकाबले मजबूती आवे के दौर शुको का दिने जारी रहल.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up