देश दुनिया के खबर (मंगल, 8 सितंबर 2015)

by | Sep 9, 2015 | 0 comments

PM-Modi-talking-with-industrialists

  • प्रधानमंत्री नरेन्द्र मोदी मंगल का दिने उद्योगपतियन संग बइठक क के ओह लोग से रोजगार देबे वाला बिजनेस ला निवेश करे के कहलन. कहलन कि रोजगार के मौका देबे में आर्गनाइज्ड सेक्टर बहुते सक्षम बा आ बैंक एह लोग के सहायता करे. एह मौका पर वित्त मंत्री अरुण जेटलि के कहना रहल कि अस्थिरता के दौर से गुजरत भारत का बाजार में तनिका घबराहट देखे के मिल सकेला बाकिर दुनिया के हालात के बहुते कम असर पड़ेवाला बा बिहार में.
  • मंगल का दिने दिन में महाराष्ट्र सरकार मुंबई के पुलिस कमिश्नर राकेश मारिया के समय से पहिलही प्रोमोशन दे के डीजी होमगार्ड बना दिहलसि. बाकिर ओकरा बाद जब मीडिया में हो हल्ला मचे लागल त साँझ बेरा महाराष्ट्र के एडिशनल चीफ सेक्रेटरी सफाई देत कहलन कि शीना बोरा हत्या केस के जांच टीम में कवनो बदलाव नइखे भइल आ मारिया तब ले एकर अगुअई करीहें जबले एकरा के फाइनल नइखे क दीहल जात.
  • महतारी बेटा के गोल कांग्रेस के कार्यसमिति का बइठका में सोनिया गाँधी के फेरू अध्यक्ष बना दीहल गइल. साल 1989 से सोनिया के प्राइवेट लिमिटेड कंपनी जइसन बन गइल बिया कांग्रेस आ जबले राहुल बबुआ गद्दी सम्हारे के जिम्मेदारी नइखन ले लेत भा जबले उनुका के एह लायक मान नइखे लेत कांग्रेस तबले सोनिए गाँधी एकर अध्यक्ष बनल रहीहें, काहे कि महतारी बेटा के भरोसा नइखे कि एक बेर गोल कवनो दोसरा का हाथे चल गइल त फेरू लवट पाई नेहरू इन्दिरा खानदान का लगे.
  • कांग्रेस कार्यसमिति में बोलत सोनिया गाँधी मोदी सरकार पर हवाबाजी करे के आरोप लगवली त तनिके देर का बाद जबाबी हमला करत स्मृति इरानी कहली कि कांग्रेस त अपना हाथ के सफाई से देश के तिजोरी खलिया दिहलसि बाकिर अब जब पीएम मोदी के अगुआई में देश बढ़न्ती के राह पर चल निकलल बा त कांग्रेस के पसीना छूठे लागल बा. अपना शासन के विफलता लुकावे ला सोनिया गाँधी एह तरह के बयानबाजी करत बाड़ी.
  • देश में करिया कमाई क के ओकर धन विदेश में राखे वालन के दिन नियराइल जात बा. मंगल का दिने स्विटजरलैंड बतवलसि कि ओकरा से इंदौर के एगो कपड़ा फर्म नियो कोर्प इंटरनेशनल लिमिटेड के बारे में जानकारी मांगल गइल बा जवन सूचना समय पर उपलब्ध करा दीहल जाई. अबहीं एकरा ला 30 दिन के समय मिलल बा.
  • यमन में सऊदी अरब के सेना हूदीदाह बंदरगाह पर तेल तस्करन के निशाना बना के हवाई हमला कइलसि त ओहमें बीस गो बेगुनाह हिन्दुस्तानियनो के मौत हो गइल. बम जवना दू गो तेल तस्करी में लागल नाव पर गिरल तवनन पर ई लोग काम करत रहुवे.
  • ऋषिकेश में अपना पुरान परिचित आ दयानंद आश्रम के स्वामी दयानंद गिरि से मुलाकात करे 11 सितंबर का दिने पीएम मोदी आवे वाला बाड़न. स्वामी जी के तबियत पिछला कुछ समय से खराब चलत बा आ एहीसे उनकर मिजाजपुरशी करे मोदी आवे वाला बाड़न. एहिजा कुछ समय उनुका साथे गुजार के ऊ फेरू वापिस हो जइहें.
  • उत्तर प्रदेश के मुख्यमंत्री अखिलेश यादव आ उनकर चाचा कैबिनेट मंत्री शिवपाल सिंह यादव के बीच के मनभेद सामने आवे लागल बा आ दुनू तरफ से खुलेआम आरोप लगावल जात बा. शिवपाल सिंह खुलेआम आरोप लगवले बाड़न कि उनका सिंचाई मंत्रालय के विकास योजनन में वित्त आ वन मंत्रालय फच्चर लगावत बा. वित्त आ वन विभाग अखिलेश यादव का लगे बा.
  • मंगल का दिने करीब सात दिन बाद शेयर बाजार में रौनक देखे के मिलल आ सेंसेक्स 424 अंक चढ़ के आ निफ्टी 129 अंक चढ़ के बंद भइली सँ. बैंकन के शेयर खासा बढ़ली सँ एह दिन. मंगल के चीनो का शेयर बाजार में तेजी लवटला के खबर आइल. रुपिया तनी मजबूत भइल डालर का मुकाबले बाकिर सोना के दाम इचिका गिर जरूर गइल.
  • अनुमान रहुवे कि मंगल का दिने चुनाव आयोग बिहार विधानसभा के चुनाव के तारीखन के एलान कर दी बाकिर आयोग के बइठक अधूरे रह गइल आ एह बाबत कवनो एलान ना हो सकल.
  • महागठबन्हन से बाहर निकल चुकल मुलायम मंगल का दिने खुलेआम नीतीश के कम्यूनल बतवलें आ कहलन कि बारह बरीस से अधिका समय भाजपा संगे सरकारी चलावे वाला नीतीश के कइसे केहु सेकूलर बता दी. कहलन कि जदयू में भगदड़ मचल बा. आ सपा एह लोग का साथे कबो ना आ सके काहे कि ऊ हमेशा से भाजपा के विरोध करत आइल बिया. ओने छह गो बँवारा गोल – भाकपा, माकपा, भाकपा माले, एसयूसीआई, फारवर्ड ब्लॉक अउर आरएसपी – अगिला विधानसभा चुनाव भाजपा वाला राजग आ नीतीश वाला महागठबंधन दुनू के एके साथ विरोध करत लड़े के एलान कइले बाड़न.
  • उत्तर प्रदेश राज्य सड़क परिवहन निगम के बस से सफर करे वाला लोग ला बीमा सुविधा देबे के एलान कइल गइल बा. एह खातिर निगम सवारियन से भाड़ा में एक लाख रुपया अधिका लीहल करी आ ओह लोग के पांच लाख रुपिया के बीमा दिहल जाई. सबले खास बात ई कि एह खातिर निगम कवनो बीमा कंपनी से करार नइखे. ऊ हिसाब लगा के देख लिहले बावे कि निगम के बस से हर साल हादसा में औसतन 167 लोग के जान जाला आ सभे के बीमा दिहला का बादो ओकरा कमाई हो जाई महज एके रुपिया हर टिकट पर अधिका ले के.
  • कांग्रेस का तरफ से ओकर नेता गुलाम नबी आजाद मंगल का दिने भाजपा के ब्लैक मेल करे का अंदाज में फेरी कह दिहलें कि जबले सुषमा, शिवाराज आ वसुन्धरा का खिलाल एक्सन नइखे लीहल जात तबले सरकार के कवनो जरूरी विधेयक पारित ना होखे दी.
  • भारत आ पाकिस्‍तान का बीच पहिले से तय हो चुकल महानिदेशक स्‍तर के दुबरसा बइठक काल्हु बुध का दिने दिल्ली में करावल जाई. बातचीत करे पाकिस्तानी के टीम वघा बोर्डर का रास्ते हिन्दुस्ताब आवे वाली बावे,
  • यू. एस. ओपन टेनिस टूर्नामेंट में रोहन बोपन्ना अउर लिएंडर पेस अपना-अपना जोड़ीदारन संगे मिक्स्ड डबल्स के सेमीफाइनल में पहुंच गइल बाड़ें. सेमीफाइनल में बोपन्ना आ पेस अपना-अपना जोड़ीदारन संगे एक दुसरा से मुकाबला करीहें.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up