देश दुनिया के खबर (शनिचर, 12 सितंबर 2015)

by | Sep 13, 2015 | 0 comments

AllahabadHighCourt

  • शनिचर का दिने दीहल अपना फैसला मे इलाहाबाद उच्‍च न्‍यायालय यूपी के करीब पौने दू लाख शिक्षा मित्रन के सहायक शिक्षक बना के नियमित सरकारी नौकरी देबे वाला आदेश के रद्द क दिहलसि. मुख्‍य न्‍यायाधीश डी वाई चन्‍द्रचूड़ के अध्‍यक्षता वाली पूर्ण पीठ के कहना बा कि सगरी बहाली गैर कानूनी तरीका से भइल बा आ एकरा के नियमित करे के इजाजत ना दीहल जा सके.
  • जम्‍मू कश्‍मीर के पुलवामा जिले में सुरक्षा बल साथे मुठभेड में लश्‍कर तैयबा के एगो कुख्‍यात आतंकवादी इरशीद अहमद गनाई के मार गिरावल गइल. ओकरा पर जून, 2013 में हैदरपुरा श्रीनगर में 8 गो सैनिकन के हत्‍या के आरोप रहुवे.
  • भारत के सीमा सुरक्षा बल आ पाकिस्‍तान रेंजर्स के बीच महानिदेशक स्‍तर के बातचीत शनिचर का दिने नई दिल्‍ली में पूरा हो गइल आ एकरा बाद दुनू तरफ से एगो साझा दस्तावेज पर दस्तखत कइल गइल आ सीमा पर शांति बनवले राखे के जरूरत बतावल गइल.
  • असम में आजु हिन्दू शरणार्थियन के देश में रहे देबे के फैसला का खिलाफ हिन्दू विरोधी दस गो संगठन बन्द करवले रहुवन. राज्य में कुल मिला के हालात शांत रहल बाकिर सैकड़न लोग के गिरफ्तार करे के पड़ल.
  • मध्‍यप्रदेश में शनिचर का सबेरे एगो मकान में रसोई गैस सिलिण्डर में धमाका भइला का बाद नाहियो त 82 लोग के मौत हो गइल आ करीब 70 लोग घवाहिल हो गइल बा. एह मकान के गोदाम बना के राखल रहुवे जहवां खदान में काम आवे वाला डिटोनेटर, गिलेटिन के सरिया वगैरह राखल रहुवे. मरे वाला लोग के परिवार के सरकार का तरफ से दू दू लाख रुपिया के सहायता देबे के एलान भइल बा. घवाहिलन के पचास पचास हजार रुपिया दीहल जाई.
  • हिमाचल प्रदेश के सोलन जिला में परवाना के नियरा टकसाल में टॉय ट्रेन के पटरी से उतर गइला का चलते भइल हादसा में दू गो ब्रिटिश पर्यटकन समेत तीन गो विदेशी मर गइलें. चार जाने घवाहिल भइल बाड़ें. ई छोटकी रेलगाड़ी कालका टीसन से शिमला जात रहुवे. पर्यटकन का बीच बेहद लोकप्रिय एह रेलगाड़ी के ई पहिला दुर्घटना भइल बा जवना में केहू के मौत हो गइल.
  • दिल्ली में डेंगू के मरीज एगो बच्चा के भरती करे से दू गो अस्पताल मना कर दीहल आ बहुते परेशानी का बाद तिसरका अस्पताल में ओकरा के भरती करावल गइल बाकिर तबले अतना देर हो चुकल रहुवे कि ओकरा के बचावल ना जा सकल. आठ बरीस के अपना एकलौता बेटा के मौत का सदमा में ओकर बाप महतारिओ चउथा मंजिल से कूद के आपन जान दे दिहलें. एह हादसा का बाद अस्पतालन के बहुते आलोचना हो रहल बा जवन एकदम जायज बा. एह दुनू अस्पतालन के दीहल सरकारी जमीन आ सगरी सहायता वापिस ले लेबे के चाहीं आ भरपूर जुर्माना लगावे के चाहीं जवना से फेर कवनो दोसर अस्पताल एह तरह के काम मत करो.
  • अमरीकी ओपन टेनिस टूर्नामेंट में भारत के लिएंडर पेस अउर स्विट्जरलैंड के मार्टिना हिंगिस के जोड़ी मिक्‍स्‍ड डबल्‍स के खिताब जीत लिहलसि. ई जोड़ी शुक का दिने अमरीका के बेथानी माटेक सेंडस अउर सैम क्‍वेरी के जोड़ी के हराके इतिहास रच दिहलसि. एह लोग के राष्‍ट्रपति प्रणब मुखर्जी अउर प्रधानमंत्री नरेन्‍द्र मोदी बधाई दिहले बाड़ें.
  • सऊदी अरब के धार्मिक शहर मक्का में शुक का दिने एगो किरान गिर गइला का चलते ओहिजा के मुख्य मस्जिद में नाहियो त 107 लोग के जान चल गइल आ करीब सवा दू सौ लोग घवाहिल हो गइल. मरे वालन में दू गो आ घवाहिलन में 15 गो भारतीय बाड़ें.
  • अखिल भारतीय विद्यार्थी परिषद शनिचर का दिने गिनाइल दिल्ली विश्वविद्यालय छात्र संघ चुनाव के वोट का बाद चारो पद पर कब्जा कर लिहलसि. आआपा गोल के संगठन सीवाईएसएस के शर्मनाक हार हो गइल जबकि ओह लोग के प्रचार में केजरीवाल समेत पूरा आआपा सरकारे लागल रहुवे आ करोड़ो रुपिया खरच कइले रहुवे. पिछलको साल का चुनाव में परिषदे चारो सीट जीतले रहुवे.
  • भारतीय सेना आ इंडो तिब्बतन बॉर्डर पुलिस के जवान चीनी सैनिकन के बनावल निगरानी टावर के धसा दिहले जवना का बाद चीन अपना सीमा पर अउरी सेना भेज दिहले बावे.
  • बिहार चुनाव ले के एनडीए में सीट बंटवारा में पेंच फँस गइल बा काहे कि माँझी के मंजूर नइखे कि उनुका गोल के रामविलास पासवान के गोल से कम सीट दीहल जाव. एही चलते शनिचर के साँझ होखे वाला भाजपा अध्यक्ष शाह के प्रेस वार्ता रद्द कर दीहल गइल. अब उमेद जतावल जात बा कि काल्हु अतवार ले एकर फैसला हो जाई.
  • ओने महागठबन्हनो के हालत ठीक नइखे बतावल जात. सौ सौ सीट पर लड़े के समझौता हो गइला का बावजूद राजद आ जदयू में ई तय नइखे हो सकल कि कवना सीट पर कवन गोल चुनाव लड़ी. एह चलते टिकट बँटवारा होखते नया बवाल शुरु हो जाए के पूरा अनेसा बा.
  • मिस्र में आतंकी संगठन इस्लामिक स्टेट का खिलाफ चलावल जात सेना के अभियान में सिनाई प्रायद्वीप में 98 गो आतंकवादियन के शुक का दिने मार गिरावल गइल बा. पिछला चार दिन में करीब 232 गो आतंकियन के मारल जा चुकल बा.
  • ऑल इंडिया मजलिस-ए-इत्तेहादुल मुस्लिमीन (एआईएमआईएम) एलान कइले बावे कि ऊ बिहार विधानसभा चुनाव में सीमांचल क्षेत्र में आपन उम्मीदवार उतारी. एह एलान का बाद महागठबन्हन सदमा में आ गइल बा. मुलायम सिंह के गठबन्हन से निकललो के अतना अफसोस ना रहुवे ओकरा. ओने मुलायम सिंह यादव के गोल सपा राकांपा के तारिक अनवर के आपन मुख्यमंत्री उमीदवार बतावत चुनाव में उतर सकेले.
  • गोरखपुर आ चंडीगढ़ का बीच विशेष साप्ताहिक रेलगाड़ी चलावल जाई जवन चंडीगढ़ से बियफे का दिने आ गोरखपुर से शुक का दिने चलल करी. नासिक कुंभ मेला ले के दरभंगा अउर नासिक का बीच एक जोड़ी विशेष रेलगाड़ी चलावल जाई.
  • झारखंड मुक्ति मोर्चा बिहार चुनाव में जदयू, राजद आ कांग्रेस गठबंधन में शामिल हो गइल बा. एह बात के एलान झामुमो नेता हेमंत सोरेन मुख्यमंत्री नीतीश कुमार से बतियवला का बाद कइलन. पिछला चुनाव में झामुमो के एगो विधायक जीतल रहलें जवन बाद में माँझी का साथे चल गइलें.
  • बिहार में होखे जात चुनाव मे पहिला बेर ईवीएम मशीन पर उम्मीदवारो के फोटो लगावल मिली जवना से मतदाता लोग एके तरह का मिलत जुलत नाम से परेशान मत होखस. एह चुनाव में सगरी नया मशीनन के इस्तेमाल कइल जाई.
  • धान खरीद घोटाला के जांच में कोताही करे का आरोप में शनिचर का दिने भोजपुर, रोहतास, कैमूर अउर बक्सर जिला के सोरह गो पुलिस पदाधिकारियन के निलंबित कर दीहल गइल बा. एह लोग का खिलाफ अब विभागीय जांच करावल जाई.
  • पश्चिम चम्पारण के बेतिया इलाका में हरदिया नहर का लगे एगो फौजी से साढ़े तेरह लाख रुपिया लूट लीहल गइल बा.
  • सारण जिला के बिसनपुरा बाजार में शनिचर का दिने ट्रक से कचरा के एगो सयान लड़िकी के मौत हो गइल. मशरख में एगो औरत आर्थिक तंगी से परेशान हो के फाँसी लगा के जान दे दिहलसि.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up