देश दुनिया के खबर (शनिचर, 5 सितंबर 2015)

by | Sep 5, 2015 | 0 comments

  • ManoharParrikarएक रैंक खातिर एक समान पेंशन के मांग करत सैनिकन के मुराद आजु पूरा हो गइल. बाकिर पलटनो में कुछ पलटिशियन घुस गइल बाड़न स आ ऊ नइखन चाहत सँ कि एह मसला के हल आराम से निकल सको. इन्दिरा गाँधी के राज में हटावल गइल एह व्यवस्था के फेरू से शुरु ना कइल जा सके एकरा ला पिछला यूपीए सरकार एह मसला के पूरा अझुरा दिहले रहुवे. बाकिर मोदी सरकार एकरा के बहुते हद ले सझुरा लिहले बिया आ मोदी विरोधी नइखन चाहत कि एकर श्रेय भाजपा के जाव. आजु दुपहरिया बाद एकर एलान करत रक्षा मंत्री मनोहर पर्रिकर कहलन कि चालीस बरीस से बंद वन रैंक वन पेंशन के फेरू चालू क दीहल गइल बा. एकरा के 1ली जुलाई 2014 से लागू मानल जाई आ वोलंटरी रिटायरमेंट लेबे वालन के एकर लाभ ना दीहल जाई. बकाया राशि चार किश्त में दीहल जाई बाकिर शहीदन के विधवा लोग के एकरा के एकमुश्त दे दीहल जाई. अधिकतर सैनिक एकरा पक्ष में बाड़ें बाकिर आआपा से जुड़ल कुछ पूर्व सैनिक एह मसला पर राजनीति शुरु क दिहले बाड़ें.
  • महागठबन्हन से अलगा भइल मुलायम सिंह के एक तरह से हड़कावत चेतावत नीतीश कुमार कहत बाड़न कि मुलायम कुछ अइसन मत करसु जवना से आगे चल कि उनकरो नुकसान हो जाव. बाकिर मुलायम एह मतलबी यारन से अतना नाराज बाड़न कि कुछ सुने के तइयार नइखन. उनुका उहो दिन याद बा जब मुलायम के पीएम बने के मौका रहुवे आ लालू ओहमें पच्चर फँसा दिहले रहलें. अब लालू खातिर जीवन मरण के सवाल बन चुकल बिहार विधानसभा चुनाव का मौका पर मुलायम आपन मशहूर धोबियापाट खेल दिहले बाड़ें. दुअरा माथा टेके आइल लालू के निराश होके लवटे पड़ल बा बाकिर एह लोग के हालत अब अइसन हो गइल बा कि देखावल चाहत बा लोग कि आगे चल के मुलायम के मनाईए ली लोग.
  • बोधगया में प्रधानमंत्री नरेन्द्र मोदी आजु शनिचर का दिने महाबोधि मंदिर में दर्शन कइलन आ ओहिजा पूजो अर्चना कइलन. एह मौका पर आयोजित बौद्ध हिन्दू सम्मेलन में आपन बात कहत पीएम मोदी कहलन कि भगवान बुद्ध अउर भगवान श्री कृष्ण दुनिया के बरोबरी के पाठ सिखवलन. कहलन कि बुद्ध पर हिंदु दर्शन के असर रहुवे आ ऊ सबले साहसी शिक्षको रहलन.
  • ईरान समझौता से खाड़ी के देशन के सुरक्षा पर कवनो खतरा ना होखे के अमेरिकी आश्वासन से सऊदी अरब ख़ुश बा. सऊदी शाह सलमान अउर अमेरिकी राष्ट्रपति बराक ओबामा के मुलाकात का बाद ई बात सामने आइल बा.
  • बालीवुड संगीतकार आदेश श्रीवास्तव के कल्हुकि रात करीब साढ़े बारह बजे कैंसर के लमहर बीमारी का बाद निधन हो गइल. 51 बरीस के आदेश श्रीवास्तव पिछला चालीस दिन से कोकीलाबेन धीरूभाई अंबानी अस्पाताल में इलाज खातिर भरती रहलन आ एहिजे उनकर मौत हो गइल.
  • आरएसएस के तीन दिन के बइठक खतम भइला का बाद संघ का ओर से कहल गइल बा कि भाजपा सरकार से सौ फीसदी सहमत ना भइल जा सके बाकिर अपना पन्द्रह महीना के शासन में केन्द्र में मोदी सरकार बढ़िया काम कइले बिया आ आगहु करत रही. संघ सरकार के काम से संतुष्ट बतवलसि अपना के.
  • अमेरिकी ओपन में भारत के लिएंडर पेस आ सानिया मिर्जा दुनू जने अपना अपना जोड़ीदारन का साथ हार गइल बाड़े. दुनू जने अब एह खिताबी दौड़ से बाहर हो गइल बाड़ें.
  • प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी के बार-बार बिहार दौरा से परेशान कांग्रेस का तरफ से सवाल उठावल जात बा कि कहीँ अइसन त ना कि मोदी बिहार के मुख्यमंत्री बनल चाहत बाड़े ?
  • सीबीआई का तरफ से पश्चिम बंगाल के चिट फंड घोटाला मामिला में देश भर में आजु 58 जगहन पर छापा मारल गइल बा. एहमें सबले अधिका 29 जगहा पश्चिमी बंगाल में आ 12 जगहा यूपी में बा.
  • हालही में भाजपा में शामिल भइल असम के कांग्रेसी मंत्री हिमंत बिस्वा सरमा के करीबी चार गो कांग्रेसी विधायको अब भाजपा में आइल चाहत बाड़े आ एह बारे में आगे बात करे चारो जने समेत 9 गो विधायक नई दिल्ली आइल बाड़े. बतावल जात बा कि ऑल असम स्टुडेंट्स यूनियन के अध्यक्ष रहल तपन गोगोई अउर सचिव रहल शंकर प्रसाद रायो भाजपा में शामिल होखीहें.
  • आजु पूरा देश श्रद्धा आ विश्वास का साथे श्रीकृष्ण जन्माष्टमी मनावत बा. एह मौका पर मथुरा अउर वृंदावन में मंदिरन के खूबे सजावल गइल बा. कुछ जगहा जन्माष्टमी आजु मनावल जाई जबकि कुछ जगहा काल्हु. एह मौका पर देशवासियन के पीएम मोदी बधाई दिहले बाड़न.
  • छपरा के जयप्रकाश विश्वविद्यालय के कुलपति प्रो. द्विजेन्द्र प्रसाद गुप्ता का खिलाफ भ्रष्टाचार के मुकदमा चलावे के इजाजत दे दिहले बाड़न राज्यपाल रामनाथ कोविंद.
  • बिहार के हाई आ हाईयर सेकेण्डरी स्कूलन के 56 हजार शिक्षकन के डिग्री जाँच करे खातिर देश के विश्वविद्यालयन के भेजल गइल बा. एहमें से करीब पाँच हजार डिग्री जाली होखे के अनेसा बा.
  • सिवान में आजु साँझ से शुरु होखे वाला महाबीरी झंडा खातिर पुलिस चाक चौकस प्रबन्ध करे के दावा करत बिया. ई जुलूस सोमार के सबेरे ले चले वाला बा. लोग मे पुलिस के डर जमावे खातिर शुक का दिने पुलिस के फ्लैग मार्च निकालल गइल पूरा शहर में.
  • देश भर में 16 गो कानून विश्वविद्यालयन में होखे वाला दाखिला खातिर करावल जाए वाला क्लैट परीक्षा का खिलाफ कुछ विद्यार्थी सुप्रीम कोर्ट में गोहार लगवले बाड़ें. एह पर सुनवाई करे खातिर तइयार हो गइल सुप्रीम कोर्ट अब केन्द्र सरकार आ बार काउन्सिल आफ इण्डिया से सवाल कइले बा.
  • बलिया में छात्र आन्दोलन के नेता लोगन के कहना बा कि जबले पुलिस अधीक्षक आ बलिया कोतवाल के एहिजा से तबादला नइखे हो जात तबले आन्दोलन चलत रही.
  • बलिया नगरपालिका के टेंडर खातिर चेयरमैन साधना गुप्ता आ सपा सरकार में कैबिनेट मंत्री नारद राय के समर्थक आमने सामने आ गइले. बवाला का बाद चेयरमैन एह टेंडर प्रक्रिया के निरस्त कर दिहलन. कहलन कि एडीएम के आदेश से निरस्ती भइल बा जबकि एडीएम एह तरह के कवनो आदेश देबे के बात से इंकार करत बाड़न.
  • एनजीओवन के नौटंकी समुझत सुप्रीम कोर्ट अब ओहनी के सुने के तइयार नइखे. ओकर कहना बा कि जब मामला हाई कोर्ट में सुनेवाला बा त ई लोग सीधे सुप्रीम कोर्ट काहे आ जात बा. सु्प्रीम कोर्ट के एह तरह के रवैया से एनजीओवन के धक्का लागल बा काहें कि ओकनी के कमाई के जरिया खतम हो जाई. एनजीओ अइसने कवनो याचिका सुप्रीम कोर्ट मे लगा के ओकरा बाद विदेशन से चंदा वसूली क के आपन कमाई करेलें. अधिकतर एनजीओ के दफ्तर पाॅश इलाका में होखेला आ चंदा के पइसा से ई लोग खुब गुलछर्रा उड़ावेला.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up