देश दुनिया के खबर (शुक, 11 सितंबर 2015)

by | Sep 12, 2015 | 0 comments

PM-inaugurates-Chandigarh-terminal

  • शुक का दिने प्रधानमंत्री नरेन्द्र मोदी चंडीगढ हवाई अड्डा पर एगो नया टर्मिनल के उद्घाटन कइलन. एह टर्मिलन से घरेलू आ अंतरराष्ट्रीय दुनू तरह के उडान भरल जाई.
  • शुक का दिने प्रधानमंत्री मोदी उत्तराखंट के ऋषकेश, पंजाब हरियाणा के चंडीगढ़ आ यूपी के सहारनपुर में जनसभा के सबोधित करत बतवलन कि साल 2022 में सगरी देश के सगरी गाँवन में चौबीसो घंटे बिजली मिले लागी आ सभका लगे एगो घर होख आपन. सरकार एह दिशाईं तेजी से काम करत बिया. सहारनपुर में कहलन कि अब से गन्ना किसान के रुपिया सीधे उनुका खाता में भेजल जाई. कांग्रेस पर सीधा हमला करत मोदी कहलन कि चालीस लोग देश के विकास के राह रोके में लागल बा. ओह लोग के बरदाश्त नइखे होखत कि एगो चाय बेचे वाला देश के प्रधानमंत्री कइसे बन गइल. कहलन कि अबहियों अगर कांग्रेस जनता के दिल जीतल चाहत होखे त जनता खातिर चार गो नीमन काम करे आ तबे जनता तोहरा के माफ करी.
  • गृहमंत्री राजनाथ सिंह शुक का दिने पाकिस्‍तानी रेंजरन के महानिदेशक से कहलन कि पहला गोली कबो भारत का तरफ से ना चली बाकिर पाकिस्तान के आपन रवैया बदले होखी. जबब में मेजर जनरल उमर फारूक बर्की कहलन कि ऊ त महज एगो अिकारी हउवन एहसे ऊ एह पर कुछ ना कह सकसु. बाकिर पाकिस्तानी नेतृत्व के ईबात जरूर बता दीहें.
  • ओने जम्मू कश्मीर के कुपवाड़ा जिला के हन्दवाड़ा जंगल भइल मुठभेड़ में दू गो आतंकियन के मार गिरवलसि सेना बाकिर ओकरो दू गो जवान शहीद हो गइले.
  • मुम्‍बई के विशेष मकोका अदालत साल 2006 के सिलसिलेवार बम विस्‍फोटन का केस में 12 गो आरोपियन के दोषी ठहरा दिहलसि आ एगो आरोपी अब्‍दुल वाहिद दीन मुहम्‍मद शेख के बरी क दिहलसि. एह बम विस्फोटन से नाहियो त 188 जने के मौत भइल रहुवे. सजा बाद में सुनावल जाई.
  • पश्चिम बंगाल के मुख्‍यमंत्री ममता बनर्जी एलान कइले बाड़ी कि उनकर सरकार नेताजी सुभाष चन्‍द्र बोस से जुड़ल 64 गो सरकारी फाइलन के सार्वजनिक क दी. एह फाइलन के 18 सितंबर का दिने कोलकाता पुलिस अभिलेखागार में आम लोगन ला राखल जाई.
  • राष्ट्रमंडल युवा खेल के अआखिरी दिने भारत टेनिस में दू गो स्वर्ण पदक जीतलस आ नौ गो स्वर्ण, चार गो रजत आ छह गो कांस्य पदक समेत कुल 19 गो पदक जीत के पदक तालिका में पाँचवा जगहा पर रहल.
  • दुबई में रहके इस्लामिक स्टेट खातिर भारत से नवहियन के भरती करे वाली हैदराबाद की आफ्शा जबीन के हैदराबाद पुलिस शुक का दिने गिरफ्तार क लिहलसि. सबेर में ओकरा के यूएई से भारत प्रत्यर्पित कइल रहे. सोशल मिडिया पर ई अपना के ब्रिटिश नागरिक बतावत रहुवे.
  • ईमानदारी के डंका पीटेवाला राहुल गाँधी अब बिहार के चारा चोर लालू यादव संगे मंच साझा करे का हद ले नीचे गिर गइल बाड़न. राहुल अब आपन हिचकिचाहट छोड़ सत्ता खातिर कुछ भी करेगा का हाल में आ गइल बाड़न.
  • बेगलुरु नगर निकाय में बड़हन जीत मिलला का बावजूद भाजपा मेयर चुनावा में हार गइल आ कांग्रेस मेयर के कुर्सी तीन वोट से जीत लिहलसि. जबकि 198 वार्ड सीट में से 100 गो पर ओकर सदस्य जीतल बाड़न.
  • बिहार विधानसभा चुनाव के एलान का बाद चुनाव आयोग राज्य के गृह सचिव के तबादला करे के आदेश दिहले बावे आ नौ गो ज़िलाधिकारिन आ सात गो वरिष्ठ पुलिस अधिकारियनो के तबादला कर दिहले बिया.
  • अमेरिकी बैंक गोल्डमैन सैक्स चेतवले बावे कि क्रूड ऑयल के दाम 20 डॉलर प्रति बैरल ले गिर सकेले. बाकिर कब ले अइसन होखी से ना बतावल जा सके. एह भविष्यवाणी का बाद शुक का दिने तेल के कीमत अउरी गिर गइल.
  • राष्ट्रीय कांग्रेस पार्टी के नेता तारिक अनवर कहले बाड़न कि बिहार में मुख्यमंत्री नीतीश कुमार के राज उखाड़ फेंके खातिर उनका जवन करे के पढ़ी तवन करीहन. राकांपा सपा सगे मिल के तीसरा मोर्चा बनावे में लागल बिया.
  • राष्ट्रीय निषाद संघ के राष्ट्रीय सचिव चौधरी लौटनराम निषाद के कहना बा कि कुछ ताकत देश से आरक्षण हटावे खातिर हार्दिक पटेल जइसन लोग के आगा क के साजिश रचत बाड़ी सँ. कहलन कि 31 अक्टूबर का दिने यूपी में होखे जात हार्दिक पटेल के रैली के कवन जरूरत ना रहुवे.
  • छपरा से गोरखपुर होखत दिल्ली ले बिजली से चले वाली रेलगाड़ियन के जल्दिए चलावल शुरु होखे के बात रेलवे राज्यमंत्री मनोज सिन्हा सिवान जिला के महराजगंज के एगो सभा में कहलन.
  • चुनाव आयोग के आदेश बा कि बिहार पुलिस के मतदान केन्द्रन पर तैनाती मत कइल जाव. मतदान केन्द् पर केन्द्रीय अर्द्धसैनिक बले के तैनाती कइल जाई. पहिला बेर एह तरह के रोक लगावल गइल बा बिहार पुलिस पर.
  • दरभंगा से नई दिल्ली के बीच चले वाली स्वतंत्रता सेनानी सुपर फास्ट शुक का दिन से जयनगर से चलावल शुरु हो गइल बा.
  • दाल के बढ़त जात दाम काबू में राखे खातिर केन्द्र सरकार अउरी पांच हजार टन अरहर दाल आयात करे के फैसला कइले बिया. पहिलहूं द हजार टन दाल मंगावल जा चुकल बा आ एकर पहिला खेप 23 तारीख के पहुंचे के उमीद बा.
  • देश के औद्योगिक उत्पादन में एह साल का जुलाई में पिछला साल के जलाई से चार दशमलव दू फीसदी के बढ़ोतरी भइल बा. विनिर्माण गतिविधि आ कैपिटल गुड्स के उत्पादनो में सुधार भइल बा. औद्योगिक उत्पादन सूचकांक-आई आई पी में इचिका कमी आइल बा.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up