देश दुनिया के खबर (शुक, 4 सितंबर 2015)

by | Sep 5, 2015 | 0 comments

शुक का दिने दिल्ली के मानेकशा सेन्टर पर विद्यार्थियन से बतियावत पीएम मोदी.

शुक का दिने दिल्ली के मानेकशा सेन्टर पर विद्यार्थियन से बतियावत पीएम मोदी.

  • पीएम मोदी आजु खुलेआम संघ का बइठक में शामिल भइलन आ ओहिजा अपना संबोधन मे कहलन कि उनुका स्वंयसेवक होखला के गर्व बा. देश के भंड़ुआ मीडिया जवन कबो मनमोहन सिहं के सोनिया दरबार में हाजिरी पर सवाल ना उठवलसि, पोप भा बुखारी का दुआरी सोनिया के माथा टेकला के अनदेखी करत रहल पिछला तीन दिन से ओकरा सेकूलरिज्म आ संविधान के उल्टी होखत बा. ओकरा लागत बा कि जवना संघ के ऊ अछूत बनावे के अतना कोशिश कइलसि कइसे कवनो प्रधानमंत्री खुलेआम संघ का बइठक में शामिल होखे चहुँप गइल. संघ के अनेकन अनुसांगिक संगठनन में से एगो हवे भाजपा आ हर साल दू बेर हर अनुसांगिक संगठन अपना पैतृक संस्था आरएसएस के बइठक मे जा के अपना गतिविधियन के जानकारी देला. बतावेला कि उ का करत बा आ कवना तरह राष्ट्रहित के काम करे में लागल बा.
  • ओडिशा सरकार देश के राष्ट्रपति रहल स्व. डॉ. एपीजे अब्दुल कलाम के सम्मान में भद्रक जिला के व्हीलर द्वीप के नाम उनका नाम पर करे के ऐलान कइले बिया. अबसे एह द्वीप के अब्दुल कलाम द्वीप कहल जाई.
  • दिल्ली उच्च न्यायालय शुक का दिने मनलसि कि नौसेना में औरतन के स्थायी कमीशन देबे पर कवनो तरह के ‘लैंगिक भेदभाव अउर सेवा भेदभाव’ के अनुमति ना दीहल जा सके. जान जाईं कि थलसेना आ वायुसेना में औरतन के स्थायी कमीशन दीहल जाला बाकिर नौसेना एह पर रोक लगा के रखले बावे.
  • हिन्दुवन पर बेतहाशा अत्याचार करे वाला औरंगजेब का नाम पर राखल दिल्ली के सड़क के नाम बदल के अब आधिकारिक रूप से एपीजे अब्दुल कलाम रोड क दीहल गइल बा. एह नाम परिवर्तन का चलते बहुते लोग का पेट में मरोड़ होखला का बावजूद सरकार अपना फैसला पर कायम रहल. समय आ गइल बा कि देश में जहँवे कवनो नाम विदेशी शासकन के मिले तवना के बदल दीहल जाव. ओरंगजेब आ अकबर दुनू हिन्दूवन के खिलाफ रहलें बाकिर कांग्रेसी राज में बँवारा इतिहास लेखकन का साजिश का तहत अिसन सगरी विेदेशी हमलावरन के त बहुते मान सम्मान दीहल गइल बाकिर राष्ट्रवादियन के हिकारत से देखल गइल. एह बँवारा इतिहासकारन का नजर में भगत सिहं आतंकी रहलन आ राणाप्रताप बागी.
  • महाराष्ट्र सरकार के आदेश जारी भइला का बाद अब कवनो जनप्रतिनिधि का खिलाफ कुछ लिखल भा बोलल महँग पड़ सकेला आ ओकरा खिलाफ भारतीय दंड संहिता के धारा 124-ए के तहत कार्यवाही हो सकेला.
  • लालू आ नीतीश के चालबाजी से नाराज मुलायम जब से महागठबन्हन कहावे वाला गघबन्हन से अलग भइल बाड़न तब से सभकर पसीना छूटत बा उनुका के मनावे में. बाकिर उ माने के तइयार नइखन आ बिहार सपा बिहार में 140 सीट से लड़े के एलानो कर दिहले बिया. मुलायम के भतीजा लालू के समधी हउवन आ एह हिसाब से ऊ लालू के बाप के बरोबर बाड़न बाकिर तबहियों लालू के ना बुझाइल कि अपना समधी के चाचा के गोल से इज्जत से पेश आवसु.
  • ट्वीटर पर मौजूद मोदी भक्तन का नजर में राहुल गाँधी भाजपा के स्टार प्रचारक हउवन काहे कि उनुका सभा का बाद भाजपा के काम आसान हो जाला लोग के समुझावे बतावे के. अब उहे राहुल 20 तारीख से बिहार में अपना गठबन्हन के प्रचार करे उतरीहें. आ एह खबर से सगरी मोदी भक्त खुशी से गदगद बाड़ें. ओह लोग के डर लागत रहुसे कि पता ना लालू के बहाना बना के राहुल बिहार में प्रचारे करे ना जासु, बाकिर अब ई डर खतम हो गइल बा.
  • अनकर छन पाएब त नौ मन लवटाएब का तर्ज पर नीतीश बाबू एलान कइले बाड़न कि चुनाव का बाद उनुकर सरकार बनल त बिजली कनेक्शन फोकट में दिहें. अब पता ना कवना मजबूरी में ऊ आपन सरकार रहतो ई काम नइखन कर देत जबकि ना त अबहीं चुनाव आचार संहिता लागल बा ना कवनो दोसरा गोल के सरकार बिया जवना के हटावल जरूरी बा एह फैसला खातिर.
  • शुक का दिने नई दिल्ली में अपना आवास पर शिक्षक दिवस के पहिले वाला साँझ का मौका पर पीएम मोदी राष्‍ट्रीय पुरस्‍कार से सम्मानित होखे वाला शिक्षकन से बतियावत कहलन कि शिक्षक लोग अपना विद्यार्थियन में रचनात्‍मकता के बढ़़ावा देसु, साफ-सफाई के आदत डलवावसु. एकरा पहिले सबेर में विद्यार्थियन से बतियावत पीएम कहलन कि सेने में जा के देश सेवा ना होखे, देश सेवा अनेके तरह से कइल जा सकेला. कहलन कि तेज लोग रोज ना त हप्ता में कम से कम एक घंटा देसु विद्यार्थियन के पढ़ावे खातिर.
  • शिक्षक दिवस का मौका पर एक दिन पहिले आजु राष्‍ट्रपति प्रणवो मुखर्जी राष्‍ट्रपति भवन परिसर में डॉक्‍टर राजेन्‍द्र प्रसाद सर्वोदय विद्यालय में विद्यार्थियन के पढ़ावत कहलन कि सरकार के संसदीय स्‍वरूप का साथे बहुदलीय लोकतांत्रिक प्रणाली के स्‍थापना एगो बहुते बड़हन हासिल रहुवे. आजु पहिला बेर कवनो राष्ट्रपति शिक्षक बन के बचवन के पढ़वलन.
  • तीन दिन के बइठक का बाद राष्‍ट्रीय स्‍वयंसेवक संघ कहलसि कि केन्द्र सरकार सही दिशाईं बढ़त बिया आ पिछला 14 महीना में एकरा बहुते कुछ हासिल भइल बा.. संघ उमेद जतवलसि कि सेना के एक रैंक एक पेंशन वाला माँग पर जल्दिए फैसला ले लीहल जाई. संघ उनेद जतवलसि कि भाजपा चुनाव में कइल आपन वादा पुराई. बाकिर ओकरो याद ना रहल कि पिछला चुनाव का बेरा बेर बेर भोजपुरी के मान्यता देबे के बात कहल गइल रहुवे.
  • बिहार में मं‍त्री रहल आ जदयू के विधायक वृष्‍ण पटेल आजु जीतन राम माँझी के गोल हिंदुस्‍तानी आवाम मोर्चा सेकुलर में शामिल होखे के एलान क दिहलन.
  • भारत के विकास कृष्ण एशियाई मुक्केबाजी चैम्पियनशिप के फाइनल में पहुंच ग‎इल बाड़न. सेमीफाइनल में विकास इराक के वहीद अब्दुलरिधा के 3-0 से हरवलन. बाकिर तीन गो अउरी हिन्दुस्तानी मुक्केबाजन के महज कांस्य पदक से संतोष करे के पड़ल.
  • बिहार के राजधानी पटना में शुक का दिने निषाद अधिकार मोर्चा के समर्थकन आ पुलिस का बीचे भ‎इल झड़प में नाहियो त दस गो पुलिस वाले घवाहिल हो गइलें.
  • प्रधानमंत्री नरेन्द्र मोदी शनिचर 5 सितंबर का दिने बिहार दौरा पर अइहें आ बोधगया मेंं महाबोधि मंदिर परिसर में होखे जात एगो कार्यक्रम में शामिल होखीहें.
  • पूर्वाेत्तर रेलवे के वाराणसी मण्डल के मडुआडीह टीसन आ उत्तर रेलवे के वाराणसी जंक्शन का यार्ड में चलत निर्माण का चलते वाराणसी से भटनी का बीच चले वाली तीन जोड़ी ट्रेन 21 अक्टूबर ले ना चलिहें स.
  • बियफे का दिने केन्द्र सरकार विदेशी अंशदान नियमन कानून के तहत गैर सरकारी संगठन ग्रीनपीस इंडिया के पंजीकरण रद्द कर दिहलसि. एकरा पर मिलल चंदा के गलत इस्तेमाल करे के आरोप बा.
  • तमिलनाडु में चेन्नई-मंगलौर एक्सप्रेस रेलगाड़ी के पांच गो डिब्बा शुक का दिने पटरी से उतर गइला का चलते बयालीस लोग घवाहिल हो गइल.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up