देश दुनिया के खबर (सोमार, 7 सितंबर 2015)

by | Sep 8, 2015 | 0 comments

दिल्ली के मुख्यमंत्री अरविंद केजरीवाल आ उप मुख्यमंत्री मनीष सिसोदिया सोमार का दिने केन्द्रीय गृह मंत्री राजनाथ सिंह से मुलाकात कइले. हमेशा मीडिया में बनल रहे के ताक में रहेवाला केजरीवाल के तरह कैमरा ओरी तिकवत बाड़न, से एह में देखल जा सकेला.

दिल्ली के मुख्यमंत्री अरविंद केजरीवाल आ उप मुख्यमंत्री मनीष सिसोदिया सोमार का दिने केन्द्रीय गृह मंत्री राजनाथ सिंह से मुलाकात कइले. हमेशा मीडिया में बनल रहे के ताक में रहेवाला केजरीवाल के तरह कैमरा ओरी तिकवत बाड़न, से एह में देखल जा सकेला.


  • वाराणसी से दिल्ली आवत एयर इंडिया के हवाई जहाज में उतरत बेरा आग लाग गइल बाकिर संजोग नीमन रहल कि सगरी 153 सवारी सुरक्षित बाड़ें. हालांकि उतरे का हड़बड़ी में कुछ लोग घवाहिल जरूर हो गइल. बतावल जात बा कि शायद उतरत बेरा ब्रेक लगवला से चक्का जाम हो गइल होखी आ ओकरे चलते आग लागल होखी.
  • पिछला कई दिन से टीवी मीडिया शीना मर्डर केस के देश के सबले बड़का मुद्दा बना के रखले बा आ हर चैनल में बुझला हाराबाजी लागल बा कि के कतना वाहियात ब्रेकिंग न्यूज दे सकेला. केहू कहत बा कि इन्द्राणी आज नाश्ता में सैँडविच खइली त केहू कुछ दोसरे बात के ब्रेकिंग न्यूज बनवले रहत बा. सोमार का दिने मुंबई पुलिस कमिश्नर राकेश मारिया कहलन कि अब साफि हो गइल बा कि शीना बोरा इंद्राणिए मुखर्जी के बेटी रहुवी. बतवलन कि मीडिया बिजनेसमैन रहल इंद्राणी आ पीटर मुखर्जी के संपति के जाँच कइल जा रहल बा. पीटर से पूछ-ताछ अबहीं पूरा नइखे भइल.
  • सत्ता के लालची नीतीश कुमार आ चारा चोर लालू प्रसाद के हवा बिगाड़त समाजवादी पार्टी सोमार का दिने बिहार के सगरी सीट से लड़े के एलान कर दिहलसि. ओकरा शिकायत बा कि मुख्यमंत्री नीतीश कुमार कांग्रेस का साथे मिल के सपा के धोखा दिहलन. एही से एह धोखेबाजन के सबक सिखावे ला सपा अलगा हो गइल बिया आ अब सगरी सीट से चुनाव लड़ी. ओने बँवारा गोल के गठबन्हनो का तरफ से बिहार के करीब करीब सगरी सीट से चुनाव लड़े के एलान हो गइल बा. एह हालात में भाजपा का खिलाफ एक जुट होखे के विरोधी गोलन के सपना सपने रहि गइल आ एह हालात के फायदा भाजपा नीत राजग के मिले के उमेद बढ़ गइल बा.
  • पाकिस्तानी सेना प्रमुख राहिल शरीफ का तरफ से भारत के धमकावत कहल गइल कि अगर कवनो लड़ाई भइल त भारत ला बहुते महँग पड़ जाई. एह बात पर भारत के सेना प्रमुख रहल आ अब विदेश राज्यमंत्री जनरल वीके सिंह के कहना बा कि फालतू लोग के बात पर धियानो दिहला के जरूरत नइखे. कुछ लोग के फालतू बात करे के आदत होला आ वइसनका लोग के फालतू में भाव दिहला के जरूरत ना होखे.
  • कांग्रेस अध्यक्ष के गद्दी पर भलही सोनिया गांधी बइठल रहसु असली कमान अब उनकर बेटा राहुल के हाथ गमें रहे वाला बा. कुछ दिन पहिले कहल जात रहुवे कि राहुल अबहीं कांग्रेस के कमान सम्हारे लायक नइखन भइल बाकिर अब बतावल जात बा कि सोमार का दिने कांग्रेसी नेता लोग के बइठक के अध्यक्षता करत राहुल गांधी साफ कह दिहलन कि गोल उहे चलावत बाड़न आ उहे चलइबो करीहें. कहलन कि कवनो रणनीति के चरचा पहिले उनुका से होखे के चाहीं. कांग्रेस कार्यसमिति के बइठक मंगल का दिने होखे वाला बा.
  • थाईलैंड के राजधानी बैंकॉक के ब्रह्मा मंदिर में भइल बम धमाका का मामिला में कई लोग के हिरासत में लीहल गइल बा. एहमें से दूगो हिन्दुस्तानो के लोग बावे. ओह लोग से पूछताछ कइल जात बा.
  • औरंगजेब के जमाना का जजिया का तरह जम्मू कश्मीर में हिन्दू तीरथ पर जाए वाला लोग पर तरह तरह के टैक्स थोपल जा रहल बा. पहिले अमरनाथ यात्रा का दौरान लंगर पर टैक्स लगावल गइल आ अब वैष्णो देवी दर्शन खातिर हेलीकॉप्टर से जाए वाला लोग पर सेवाकर लगावे के एलान कइल गइल बा. हज पर जाए वाला लोग के सबसिडी दिआला आ हिन्दूवन पर टैक्स थोपल जा रहल बा. एक बात के विरोध मेंं दिल्ली में यूनाइटेड हिंदू फ्रंट कहलसि कि एकरा के जल्दी से जल्दी हटा लीहल जाव.
  • दक्खिन भारत के राज्य आंध्र प्रदेश में अतवार 6 सितंबर के गिरल ठनका से नाहियो त 20 जने के मौत होखे के खबर बा.
  • मंगल 8 सितंबर का दिने बिहार विधानसभा चुनाव के तारीखन के एलान चुनाव आयोग का तरफ से हो सकेला. चुनाव आयोग के बइठक मंगल का दिने होखे जा रहल बा. उमेद जतावल जात बा कि चुनाव पाँच दौर में करावल जाई. पिछला विधानसभा चुनाव छह दौर में करावल गइल रहे.
  • लालू-नीतीश जोड़ी अपना में बाँट बखरा का बाद बाचल सीटन में से चालीस गो सीट कांग्रेस के दे त दिहलसि बाकिर ओह चालीस में से कवनो सीट कांग्रेस के कार्यकर्ता के नइखे मिले वाला. या त ओकरा पर कवनो पुरनका नेता अपने लड़ी ना त ओह पर अपना बेटा बेटी के लड़वाई. एह चलते कांग्रेस के कार्यकर्ता उदासीन बाड़े सगरी प्रक्रिया से.
  • बिहार कर्मचारी चयन आयोग का तरफ से बिहार में लैब टेक्निशन, सर्जिकल असिस्टेंट अउर एक्स-रे टेक्निशिियन के करीब सवा दू हजार रिक्ति भरे खातिर बहाली प्रक्रिया शुर हो गइल बा.
  • उत्तर प्रदेश के क्षेत्र पंचायत चुनाव खातिर आरक्षण के सूची प्रकाशित हो गइल बा. बतावल जात बा कि एह सूची से सपा फायदा में रही जबकि भाजपा के नुकसान होखे के अनेसा बावे.
  • जम्‍मू-कश्‍मीर में सोमार का दिने पुंछ जिला में सीमा पार से भइल गोलीबारी का चलते एगो नागरिक के मौत हो गइल आ पाॅच जने घवाहिल हो गइल बाड़ें. भारतो का तरफ से एह गोलीबारी के पूरा जवाब दीहल गइल.
  • केन्‍द्र सरकार का तरफ से बंगलादेश आ पाकिस्‍तान के अल्‍पसंख्‍यक समुदाय के नागरिकन के मानवता के आधार पर भारत में आवे आ रहे ला पूरा छूट दीहल गइल बा. एह बाबत दू गो अधिसूचना सोमार का दिने जारी हो गइल बा. पाकिस्तान आ बांगलादेश के बहुसंख्यक समुदाय के अत्याचार का चलते ओहिजा के अल्पसंख्यक समुदाय के जीयल दुश्वार होग गइल बा आ ओह लोग के मजबूरन भारत में शरण लेबे पड़त बा.
  • सोमार का दिने नई दिल्‍ली का विज्ञान भवन में बोलावल राष्ट्रीय सम्मेलन के संबोधित करत प्रधानमंत्री मोदी कहलन कि प्रौद्योगिकी के अधिकतम उपयोग आ गरीब से गरीब आदमी ले एकरा फायदा चहुँपावल सरकार खातिर चुनौती जइसन बा. एह सम्मेलन मेंं प्रशासन अा विकास में अंतरिक्ष प्रौद्योगिकी आधारित साधन आ तंत्र के बढ़ावा देबे पर विचार कइल जात बा.
  • पहिला अक्टूबर से बीएसएनएल के ब्राडबैंड सेवा के रफ्तार कम से कम 2मेगाबाउट हर सेकेंड के कर दीहल जाई जवन कि अबहीं एकरा चउथाई बरोबर बावे. एह खातिर शुल्को नइखे बढ़ावल जात. एह बात के जानकारी सोमार का दिने गुड़गाँव में एगो कार्यक्रम में सूचना प्रौद्योगिकी मंत्री रवि शंकर प्रसाद दिहलन.
  • मणिपुर में भइल हिंसा से नाराज नगा पीपुल्‍स फ्रंट के चारो विधायक विधायकी से इस्‍तीफा दे दिहलन.
  • सुप्रिम कोर्ट आजु ओह याचिका के नकार दिहलसि जवना से ओकरा के पुणे में भारतीय फिल्‍म अउर टेलीविजन संस्‍थान के विवाद में दखल देबे के कहल गइल रहुवे. अदालत के कहना रहल कि एह मसला के हल निकाले के जिम्मेदारी केन्‍द्र सरकार के बा. बरीसन से संस्थान में टिकल कुछ विद्यार्थी नइखन चाहत कि संस्थान में पढ़ाई आ ट्रेनिंग के माहौल बन सके.
  • उत्‍तर प्रदेश उच्‍चतर शिक्षा आयोग के तीन गो सदस्‍यन के बहाली के इलाहाबाद उच्‍च न्‍यायालय रद्द क दिहलसि काहें कि एह लोग का लगे कवनो अइसन खासियत नइखे जवना चलते एह तरह के पद दीहल जा सके.
  • बाम्बे स्टाक एक्सचेंज के सेंसेक्स सोमारो का दिने 308 अंक लुढ़क के 24894 पर बंद भइल जबकि ऩिफ्टी 96 अंक कम होके 7559 पर. रुपियो के दाम में गिरावट आइल आ डालर 36 पइसा महँग हो गइल.
  • प्रशांत महासागर के द्वीपीय देश समोआ में होखत पांचवां राष्‍ट्रमंडल युवा खेलन में सोमार का दिने भारत दू गो स्‍वर्ण आ एगो रजत पदक जीतत अपना अभियान के शुरूआत कइलसि. लड़िकन के ऊंच कूद में तेजस्विन शंकर आ वजन उठावे में 56 किलोवर्ग में जामजंग देरू स्‍वर्ण पदक जीतलन. जबकि लड़िकन के 200 मीटर बटरफ्लाई में तैराक सुप्रिया मंडल के रजत पदक मिलल.
  • यूपी सरकार के उमेद बा कि 10 सितम्बर के मुंबई में होखे जात निवेशक सम्मेलन का बाद यूपी में बड़हन निवेश होखी. एह सम्मेलन का जरिए सरकार निजी क्षेत्र के कंपनियन के सड़क, स्वास्थ्य, बिजली आ शिक्षा जइसन बुनियादी ढांचा विस्तार में निवेश करे खातिर तइयार करावल जाई.
  • बलिया में आजु छात्र आन्दोलन में बन्द के गोहार लगावल गइल रहुवे जवना के निकहा असर देखे के मिलल. दूकान बाजार करीब करीब पूरा बंद रहली सँ. कुछ अनेरिया दू गो सरकारी गाड़ियन के आग लगा दिहलें आ कुछ जगहा तोड़ोफोड़ मचवलें.
  • सुप्रीम कोर्ट के आदेश पर 23 तारीख के बिहार क्रिकेट संघ के चुनाव करावल जाई. एह चुनाव ला परचा दाखिल करे के काम सोमार का दिन से शुरू हो गइल बा. सचिव आ अध्यक्ष समेत अठारह गो पद खातिर चुनाव होखे जात बा.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up