देश दुनिया से टटका खबर, २७ फरवरी १४

by | Feb 28, 2014 | 0 comments

  • एह साल होखे वाला लोकसभा चुनाव खातिर अपना उम्मीदवारन के पहिला सूची भाजपा महाशिवरात्रि का दिने जारी क दिहलसि. एह सूची में चउवन उम्मीदवारन के नाम बा. अध्यक्ष रहल नितिन गड़करी नागपुर से आ वरिष्ठ नेता गोपीनाथ मुंडे बीड से चुनाव लड़ीहें. एह सूची में महाराष्ट्र आ पश्चिम बंगाल की 17, ओडिशा के छह, जम्मू कश्मीर से पांच, हिमाचल प्रदेश से तीन आ अरुणाचल प्रदेश, मणिपुर अउर गोवा से दू दू गो सीट ला उम्मीदवारन के नाम शामिल बा. एह में अनुसूचित जाति आ जनजाति के छह, चार गो अल्पसंख्यक आ दू गो औरतन के नाम शामिल बा. एह सूची में नरेन्द्र मोदी के नाम नइखे बाकिर सुने में आवत बा कि उनुका के वाराणसी लड़वावल जाई. डा॰ मुरली मनोहर जोशी तब कानपुर से लड़ीहें.
  • राजीव गांधी हत्याकांड के कवनो दोषी के रिहाई करे पर सुप्रीम कोर्ट रोक लगा दिहले बावे. कहलसि कि मौत के सजा पवले दोषियन के सजा उमिर कैद में बदलला पर होखे वाला प्रक्रिया तय कइल जाई आ ओकरा बादे कवनो फैसला हो पाई.
  • विदेश मंत्री सलमान खुर्शीद नरेन्द्र मोदी के नपुंसक कह दिहले आ ओकरा बाद होखत छीछालेदर देखत राहुल गाँधी कह दिहलन कि एह तरह के बयान के समर्थन ना कइल जा सके. कांग्रेस के लागत बा कि एह तरह के अभद्र बयानबाजी से नरेन्द्रे मोदी के फायदा होखत बा. पिछला दिने चाय बेचेवाला बयान का बाद के हश्र एकर उदाहरण बा.
  • छत्तीसगढ़ में 6.5 करोड़ साल पुरान ज्वालामुखी के अवशेष मिलल बा. एकरा अध्ययन का बाद कहल जात बा कि बस्तर के एह इलाका में हीरा के खान मिल सकेला.
  • आपसी झगड़ा का बाद बियफे का भोर में १३वीं राष्ट्रीय राइफल के एगो जवान अपना पाँच गो साथियन के गोली मार दिहलसि आ बाद मे अपनो जान दे दिहलसि. घटना गांदरबल जिला के मानसबल झील का नियरा बारम पथर सैन्य शिविर में भइल.
  • आ आपा आपन दुसरका सूची जारी कइलसि जवना में राजमोहन गांधी के पूर्वी दिल्ली लोकसभा सीट से उम्मीदवार बनावल गइल बा जहाँ से शीला दीक्षित के बेटा संदीप दीक्षित सांसद हउवन. पहिले कहल जात रहे कि राजमोहन गाँधी के नरेन्द्र मोदी का खिलाफ लड़ावल जाई.
  • मशहूर विधिवेत्ता फली एस नरीमन लोकपाल सर्च कमेटी के हिस्सा बने से मना कर दिहलन काहे कि उनका लागत बा कि सरकार के बनावल बहुस्तरीय प्रक्रिया से बढ़िया आदमी के अनदेखी होखी. एहसे एह काम में उ शामिल ना हो सकसु.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up