पीएम मोदी के मन के बात

by | Jan 31, 2016 | 0 comments

एह साल के अपना पहिलका मन के बात में प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी कहलन कि ऊ चाहत बाड़न कि देश के नवही “प्रधानमंत्री फसल बीमा योजना” के देश भर का किसानन ले चहुँपा देसु आ एह काम में नवही लोग अपना अपना मोबाइल से एकर जानकारी अधिका से अधिका किसानन के देसु.

पीएम कहलन कि खादी में करोड़ो लोग के रोजगार देबे के बेंवत बा आ ई फैशनो में शामिल होखे लागल बा. स्वच्छता अभियान के मिलत सफलतो पर खुशी जतावत पीएम कहलन कि स्वच्छता का संगही अब सुन्दरतो जुड़े लागल बा.

गुआहाटी में 5 फरवरी से शुरू होखे जात दक्षिण एशियाई खेल के चरचा करत पीएम कहलन कि सार्क देशन से नाता मजगर करे के ई एगो बड़हन मौका बा.

स्टार्ट अप इंडिया कार्यक्रम का बारे में पीएम कहलन कि ई महज सूचना प्रौद्योगिकिए ले सिमट के नइखे रहे वाला आ एकरा से ढेरे नवहियन के रोजगार मिले के राह खुल जाई.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up