बटला हाउस एनकाउंटर में शहजाद अहमद के दोषी मानल गइल

by | Jul 25, 2013 | 0 comments

बटला हाउस मुठभेड़ कांड में गिरफ्तार अकेला आतंकी आरोपी आजमगढ़ जिला के शहजाद अहमद के साकेत अदालत दोषी मान लिहलसि आ अब सोमार का दिने ओकरा के सजा सुनावल जाई. याद करीं कि 19 सितंबर 2008 का दिने दिल्ली में भइल बटला हाउस मुठभेड़ में दू गो आतंकी मराइल रहले आ दिल्ली पुलिस के स्पेशल सेल के इंस्पेक्टर एम सी शर्मा के आतंकियन का गोली से मौत हो गइल रहे. मुठभेड़ का बाद फरार शहजाद के पुलिस बाद में ओकरा गाँव से गिरफ्तार कर के ले आइल रहुवे. एह मुठभेड़ में मराइल आतंकी दिल्ली में भइल सिलसिलेवार बम धमाका करवले रहलें जवना में छबीस लोग के मौत हो गइल रहे आ एक सौ तैंतीस लोग घवाहिल भइल रहुवे. एह मुठभेड के कांग्रेस के महासचिव दिग्विजय सिंह फर्जी बतवले रहुवन आ एह पर जम के राजनीतिओ भइल रहे.

बटला हाउस मुठभेड़ में आतिफ आ साजिद मरा गइल रहले आ जुनैद, बशीर, आ साजिद के आरोपी बनावल गइल बा. एगो अउर आरोपी जुनैद के भगोड़ा घोषित कर दिहल गइल बा काहे कि ऊ आ शहजाद हमला कर के भाग निकलल रहले सँ.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं. यूपीआई पहचान हवे -
भा
सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.
अबहीं ले 12 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार आठ सौ सतासी रुपिया के सहयोग मिलल बा. सहजोग राशि आ तारीख का क्रम से पाँच गो सर्वश्रेष्ठ भामाशाह -
(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(3)

24 जून 2023 दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया
(4)
18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया
(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(11)
24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

पूरा सूची
एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up