भटकल के दिल्ली ले जाइल गइल

by | Aug 30, 2013 | 0 comments

बिहार से गिरफ्तार कुख्यात आतंकी आ इंडियन मुजाहिदीन के सह संस्थापक यासिन भटकल आ ओकरा एगो साथी आजमगढ़ के असदुल्लाह अख्तर के बियफे का दिने बिहार नेपाल का बोर्डर से गिरफ्तार कर लिहल गइल. बाकिर पता ना कवना कारण से बिहार पुलिस भटकल के अपना रिमाड पर ना लिहलसि आ ओकरा से कवनो तरह के पूछताछ ना कइलसि जबकि ओकरा पर बोधगया में बम विस्फोट करावे के संदेह बा. बाद में शुका का दिने एनआइए ओकरा के एगो स्पेशल विमान से दिल्ली ले के चल गइल. देश के बारह गो राज्य के पुलिस ओकरा के रिमांड पर लिहल चाहत बिया काहे कि देश मे अनेके बम विस्फोट के जिम्मेदारी ओकरे पर लगावल जात बा. हालांकि जब दुनु के पटियाला कोर्ट में हाजिर करावल गइल त दुनु अपना के दोसर आदमी बतवले. अब पुलिस के साबित करे के पड़ी कि यासिन भटकल आ असदुल्ला इहे हउवन स.

ओने अपना मुस्लिम राजनीति का चलते सपा के नेता फारुकी कहले बाड़न कि पुलिस के चाही कि ई बढ़िया से तय कर लेव कि एहलोग के अपराध का चलते पकड़ल गइल बा मजहब का चलते ना. फारुकी के एह बयान के कांग्रेस आ भाजपा दुनु निंदा कइले बाड़ी सँ.

यासिन का बारे में बतावल जात बा कि आजमगढ़ मोड्यूल के खतम भइला का बाद ऊ दरभंगा माड्यूल के सक्रिय कर दिहले रहुवे. पिछला कई साल से यासिन दरभंगा में आयुर्वेदिक डाक्टर बन के रहत रहुवे.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up