भाजपा : लड़िका के गोड़ बिछिलाइल त बूढ़वन के मौका मिलल उपदेश झाड़े के

by | Nov 10, 2015 | 0 comments

पिछला डेढ़ साल से सटकल छेद अब खुले लागल बा आ डकार आ पाद दुनू निकले लागल बा. लोकसभा में शानदार जीत का बाद राज्यन में जीत के सिलसिला जबले चालू रहल तबले मोदी के विरोधी आ भाजपा के भितरघाती आपन मुँह बन्द क के सटकल रहलें. दिल्ली के हार का बाद तनिका मौका मिलल रहुवे बाकिर ओतना हो हल्ला ना भइल. बाकिर बिहार में हारते भाजपा के सगरी खखुआइल नेतवन के मुँह से आवाज निकलल शुरू हो गइल बा. आ एहनी में एके बात काॅमन बा कि सभे सरकार के मलाई से दूर रहला का चलते नाराज बा. बात बकबकवा बिहारी बाबू के होखो भा मार्गदर्शन मंडल में रिटायर करा के राखल आडवाड़ी, जोशी, का साथही शंता कुमार, यशवंत सिन्हा, अरुण शौरी, गोविन्दाचार्य वगैरह नेता लोग पब्लिक में बयान दे के भाजपा के किरकिरी करावे में बिजी हो गइल बा.
इहे आडवाणी रहलन से दू दू चुनाव में भाजपा के नेता बन के पीएम बने के सपना देखत चुनाव लड़लन बाकिर दुनू बेर भाजपा के हार के सामना करे के पड़ल. तब त इनका याद ना रहल जिम्मेदारी सकारे के बाकिर अब इहो बिहार के हार वाला हार पहिरे वाला के तलाश में जुट गइल बाड़न.
भाजपा के कुछ मेहराइल बम पटाखो एह हार के घाम में सूख के टनटना गइल बा आ लागल बा धमाका करे में. अइसनका लोग में हुकुम नारायण यादव आ भोला सिंह के नाम लिहल जा सकेला. एह लोग के एहसे मतलब नइखे कि भाजपा के कमजोरी खोजल जाव आ ओकरा के ठीक करे के कोशिश होखो. एह लोग के अबहियों सत्ता के रोटी दे दीहल जाव त जयकारा करे लागी लोग.
बूढ़वन के बयान अइला का बाद भाजपा का तरफ से कहल गइल बा कि पार्टी जरुरत का हिसाब से एह लोग से बात कर ली. पार्टी का तरफ से कहल गइल बा कि कवनो नेता सार्वजनिक बयानबाजी मत करे आ ई काम बोलतुए लोगन पर छोड़ दीहल जाव बाकिर लागत नइखे कि सत्ता के मलाई चाभे खातिर खखुआइल नेतवन पर कवनो असर पड़़ल बा.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up