भोजपुरी पट्टी का साथही देश दुनियो के खबर (30 अगस्त 2015, अतवार)

by | Aug 30, 2015 | 0 comments

The President, Shri Pranab Mukherjee and the Minister of State for Youth Affairs and Sports (Independent Charge), Shri Sarbananda Sonowal with the sports and adventure awardees, in a glittering ceremony, at Rashtrapati Bhavan, in New Delhi on August 29, 2015.

The President, Shri Pranab Mukherjee and the Minister of State for Youth Affairs and Sports (Independent Charge), Shri Sarbananda Sonowal with the sports and adventure awardees, in a glittering ceremony, at Rashtrapati Bhavan, in New Delhi on August 29, 2015.

  • शनिचर का दिने एगो भव्य समारोह में राष्ट्रपति प्रणव मुखर्जी का हाथे राष्‍ट्रीय खेल पुरस्कार दीहल गइल. स्‍टार टेनिस खिलाड़ी सानिया मिर्जा के राजीव गांधी खेल रत्न से नवाजल गइल. उनुका एगो पदक आ प्रमाणपत्र का साथे साढ़े सात लाख रुपिया नगदी मिलल. अउरी सम्मानित खिलाड़ियन में शामिल रहलें बैडमिंटन खिलाड़ी किदांबी श्रीकांत, निशानेबाज जीतू राय, जिमनास्ट दीपा करमाकर, हॉकी खिलाड़ी पी आर श्रीजेश, तीरंदाज संदीप कुमार अउर कुश्ती में बजरंग समेत 17 गो खिलाड़ी. एकरा अलावे कोच लोग के मिले वाला द्रोणाचार्य पुरस्कार कुश्ती में कोच अनूप सिंह, एथलेटिक्स में हरबंस सिंह, मुक्केबाजी में स्वतंत्र राज सिंह, तैराकी में निहार अमीन आ विकलांग खेलों के एथेलेटिक्स में नवल सिंह के दीहल गइल. ध्यानचंद पुरस्कार पावे वालन में शामिल रहलन हॉकी से रोमियो जेम्स, टेनिस में शिवप्रकाश मिश्रा आ वालीबॉल में टीपीपी नायर.
  • राखी का दिने निकले वाला बलिया के ऐतिहासिक महावीरी झंडा जुलूस में शनिचर का दिने नगर कमेटी के अखाड़ा आ पदाधिकारियन का बीच बाताबाती देखते देखत लाठालाठी में बदल गइल जवना के संगे चलत पुलिस वाले बहुते मुश्किल से सम्हरले आ अखाड़ा के जुलूस से बाहर कर दीहल गइल.
  • नगर कमेटी के जुलूस गुरुद्वारा रोड से अपना समये पर निकलल आ बालेश्वर मंदिर चहुँपल बाकिर एहिजा से आगा बढ़त में अखाड़ा पीछे छूट गइल आ जुलूस बढ़त चल गइल. मालगोदाम पर मिड्ढी के अखाड़ा आके जुलूस में शामिल हो गइल बाकिर तबले नगर कमेटी के अखाड़ा चहुँपल ना रहुवे. आगा बढ़त मे टीसन का सोझा आगा पीछे के झगड़ा होखे लागल कि कवन अखाड़ा आगे रही. बाद में कमेटी का कहला पर पुलिस नगर कमिटी के अखाड़ा के जुलूस का बहरी कर दिहलसि.
  • आआपा अब अपना चार गो सांसदन में से दू जने के गोल से बाहर निकाल दिहले बा. ओकर कहना बा कि धर्मवीर गांधी आ हरिन्‍दर सिंह खालसा पार्टी हित का खिलाफ काम करत बाड़ें. अरविन्द केजरीवाल के गोल में जवना तरह लोग के छँटुआ बनावल जात बा अचरज ना होखी कि एक दिन एह गोल में बस अरविन्दे रह जइहें आ बाकी सब लोग के गोल का बाहर निकाल दीहल रही. दुनू सांसद एह फैसला के आलोचना कइले बाड़ें.
  • दक्खिन कश्‍मीर के पुलवामा में सेना के एगो शिविर में अचके में हो गइल विस्फोट का चलते नाहियो त डेढ़ दर्जन सैनिक घवाहिल हो गइले. सभकर इलाज सेना के अस्पताल में होखत बा. एह हादसा के कारण के जाँच कइल जात बा.
  • अपना रिश्तेदार मुलायम सिंह के गोल के तोस देबे खातिर लालू प्रसाद अपना गोल ला मिलल सीट में से दू गो निकाल के सपा के देबे के एलान कइले बाड़न आ अब सपा के पाँच जगहा से उम्मीदवार लड़ावे के मिल जाई. बाकिर सपा एहसे खुश नइखे काहें कि ओकरा कम से कम बारह गो सीट चाहीं. एह बीच दू गो जदयू विधायक आ एगो राजद विधायक आजु भाजपा के दामन थाम लिहले. एह लोग में जदयू के रेणु कुशवाहा अउर सुनील कुमार आ राजद के ब्रजकिशोर सिंह शामिल बाड़ें.
  • पाकिस्‍तान सरकार इस्‍लामिक स्‍टेट पर प्रतिबंध लगावे के एलान कइले बिया. बाकिर जवन सरकार अपना देश में आतंकियन के सम्हार नइखे पावत ऊ बाहर के आतंकियन के का उखाड़ लेई.
  • कोलंबो में श्रीलंका आ भारत का बीच खेलल जात तिसरका टेस्ट के दुसरका दिने भारत 8 विकेट गँवा के 292 रन बना लिहले रहुवे. शनिचरो का दिने बरखा का चलते खेल समय से पहिलहीं रोक देबे के पड़ल.
  • कुंभ मेला में आजु नासिक अउर त्रयंबकेश्‍वर में पहिलका शाही स्‍नान धार्मिक भावना आ उत्‍साह का साथे पूरा भइल. लाखों लाखों श्रद्धालु एह मौका पर गोदावरी नदी में नहान कइलें.
  • मिस्त्र के एगो अदालत शनिचर का दिने अल जजीरा टीवी चैनल के तीन गो पत्रकारन के तीन साल जेल के सजा सुनवलसि काहे कि ई लोग झूठ खबर देखा के देश के सुरक्षा के खतरा में डलले रहुवे. पता ना कबो हिन्दुस्तान के पत्रकारन के एही अपराध के सजा दीहल जा सकी कि ना. कुछ चैनल रोजाना झूठे के कारोबार करे में लागल रहेलें.
  • भाई बहिन के प्यार के त्योहार राखी आजु पूरा देश में उल्लास का साथे मनावल गइल बाकिर एहू मौका पर कुछ सेकूलर कुकुर राखी के आलोचना करे से बाज ना अइलें. अउर त अउर मुसलमानो लोग एह हिन्दू पर्व के आलोचना कइल जवना में कांग्रेस के तहसीन पूनावाला जइसन लोगो शामिल रहल. शायद हिन्दुस्तान के सेकूलरिज्म के एके मतलब होला हिन्दूवन के आलोचना कइल आ ओकरा के बदनाम कइल.
  • शिवसेना के आगरा इकाई एलान कइले बिया कि पाँच गो भा ओकरा से बेसी बच्चा वाला परिवारन के दू दू लाख रुपिया के इनाम दीहल जाई. शिवसेना एह बात से चिन्तित बिया कि देश में हिन्दूवन के गिनिती घटल जात बा जबकि दोसरा मजहब के लोग के गिनिती बढ़ले जात बा.
  • हॉकी के जादूगर मेजर ध्यानचंद के जनमदिन पर आजु एगो खुशखबरी मिलल कि 36 बरीस बाद भारत के महिला हाॅकी टीम ओलम्पिक में खेल सकी. आजु ऊ रियो ओलम्पिक खातिर क्वालिफाई क गइल.
  • अतवार का दिने पटना में नीतीश आ लालू का साथही मंच पर लउकीहें सोनिया गाँधी. हालांकि राहुल गाँधी एह मंच पर ना अइहें. सुने में आवत बा कि सपा अब मुलायम पड़ गइल बिया आ एह मंच पर शिवपाल सिंह यादव मौजूद रह सकेलें. बिहार विधानसभा चुनाव से पहिले राजद, जदयू कांग्रेस के तिकड़ी वाला गठबन्हन एह रैली से आपन ताकत देखावे के कोशिश करीहें. बिहार सरकार एह रैली के सफल बनावे खातिर सगरी इंतजाम कइले बिया.
  • अपना मन माफिक लोकायुक्त बहाल करे के कोशिश सफल ना होखत देख यूपी के अखिलेश यादव सरकार अब नियमे बदल दिहलसि. अब लोकायुक्त के बहाली में इलाहाबाद हाई कोर्ट के मुख्य न्यायाधीश के कवनो भूमिका ना रही. चार गो सदस्य वाला चयन समिति में मुख्यमंत्री आ विधानसभा अध्यक्षो शामिल रहीहें.
  • बलिया के हल्दी थाना के बादिलपुर दियारा में शुक के रात कुछ बदमाश असलहा का बल पर कठई गाँव के सुदर्शन यादव के पाँच गो गाय खोल ले गइलें. घवाहिल सुदर्शन के इलाज अस्पताल मे करावल जात बा.
  • देवरिया कोतवाली के गढ़वा मिश्र गाँव में मंदिर बनावे खातिर भूमि पूजन भइला का बादे से कुछ लोग एकरा खिलाफ में खड़ा हो गइल बाड़ें. शनिचर का दिने मामिला कोतवाली में चहुँपल आ अब पुलिस मापी करवा के एह मामिला के सरिहावे के कोशिश करी.
  • गाजीपुर के नागा बाबा हनुमान मंदिर से शनिचर का दिने धूमधाम से महाबीरी झंडा जुलूस निकलल आ शोभा यात्रा सकुशल समाप्त हो गइल.
  • गोरखपुर के बेलीपार इलाका में डंवरपार का लगे अपना बेटा का साथे मोटरसाइकिल से जात महतारी के मौत हो गइल जब ऊ मोटरसाइकिल से नीचे गिर पड़ली आ कपार फाट गइल. बतावल जात बा कि साड़ी मोटरसाइकिल के चक्का में फँसला का चलते ई हादसा हो गइल.
  • गोरखपुर के महदेवा जंगल के ग्राम प्रधान आ सपा नेता मनोज यादव के बियफे देर रात गोली मार के मुआ दीहल गइल बा. हत्या करे वाला दू गो मोटरसाइकिल से आइल रहलें आ गोली मार के चल गइले.
  • सोमार का दिने मुख्यमंत्री अखिलेश यादव के मऊ आगमन के इंतजाम करे में प्रशासन रात दिन एक क दिहले बा. सपो के लोग एह मौका के अभूतपूर्व बनावे में लागल बा.
  • वाराणसी के पांडेयपुर देशी शराब दुकान का नियरा एगो चिखना बेचे वाला दस बरीस के एगो लड़िकी के किडनैप क ले गइल. लड़िकी के मामा का शिकायत पर पुलिस केस दर्ज क लिहले बिया. लड़िकी अपना मामा का घरे रह के पढ़त रहुवे.
  • भोजपुर जिला के शाहपुर इलाका के सहजौली गाँव के बधार से एगो आदमी के लाश शनिचर के साँझे मिलल बा. ऊ आदमी बहुते कमजोर रहुवे आ पिछला कई दिन से बेमार चलत रहुवे. पुलिस एकरा के स्वाभाविक मौत मानत बिया.
  • भोजपुर जिला के बिहिया टीसन पर एगो फल बेचे वाली से रंगदारी वसूले का आरोप में रेल पुलिस एगो बदमाश के गिरफ्तार कर लिहलसि.
  • रोहतास में सरकार का तरफ से बनावल जाए वला इंजीनियिरंग कालेज शेरशाह अभियंत्रण कालेज खातिर जमीन शिवसागर अंचल के करूप में कैसरे हिंद के परती पड़ल जमीन दे दिहल गइल बा जवना पर 109 करोड़ के लागत से एह कालेज के स्थापना होई.
  • रोहतास के लोहवा पुल का नियरा शनिचर का दिने एगो सड़क हादासा में मोटर साइकिल सवार दू गो नवहियन के मौत हो गइल जब एगो ट्रैक्टर ओह लोग के धक्का मार दिहलसि. मरेवाला एगो नवही कैमूर जिला के मोहनिया थाना के पिपरी गांव के आ दुसरका अगरेर थाना के भड़कुड़िया गाँव के रहले.
  • सारण जिला के मुरलीपुर गांव के एगो औरत के बिछकुतिया काट लिहलसि त ऊ हदासे बेहोश हो गइल आ ओकर इलाज रेफरल अस्पताल तरैया में करावल गइल जहाँ ऊ स्वस्थ बतावल जात बिया.
  • छपरा के सियारानी मेमोरियल एकेडमी में पढ़ावे वाली एगो 19 बरीस के शिक्षिका पाँच दिन से गायब बिया. उनकर बाप एह बारे में मशरक थाना में केस लिखववले बाड़न.
  • छात्र अभिभावक संघर्ष मोर्चा का तरफ से शनिचर का दिने छपरा नगर पालिका चौक पर जेपी विश्वविद्यालय के कुलपति प्रो. द्विजेंद्र कुमार गुप्ता आ उनुका के बचावे वाला नेतवन के पुतला फूंकल गइल.
  • सिवान जिला के चकरी बाजार आ आदर बाजार में बिजली विभाग छापा मार के छह गो दुकानदारन के शुक के सँझिया में बिजली चोरावत पकड़ लिहलसि. एह लोग से सवा दू लाख रुपिया जुर्माना वसूलल गइल आ बिजली चोरी के मुकदमा दर्ज करा दीहल गइल.
  • गोपालगंज के सिनेमा रोड आ कैलाश होटल के नियरा छापा मार के लाखों रुपिया के गैर कानूनी शराब पकड़ल गइल. शुक का दिने पड़ल एह छापा में कई जिला के पुलिस शामिल रहुवे बाकिर नगर थाना के एकर भनको ना दीहल गइल रहुवे.
  • मोतिहारी के डुमरियाघाट इलाका के पकड़ी गांव का नियरा पिछला 26 अगस्त के लूटल गइल ट्रक बरामद हो गइल. बाकिर एह पर लादल 20 टन आलू गायब बा.
  • मोतिहारी के लगे नेपाक के परसा जिला के गीता मंदिर में शनिचरा का दिने नेपाल भोजपुरी प्रतिष्ठान एगो कवि सम्मेलन के आयोजन कइलसि जवना के अध्यक्षता मास्टर तारा सिंह कइलें आ उद्घाटन कइलन प्रमुख अतिथि पं. प्रयाग तिवारी. एह सम्मेलन में सरिता उपाध्याय, कन्हैया गुप्ता, अरूण विक्रम शाह, मोतिउर्रहमान, रेखा साह, प्रहलाद साह, गोपाल प्रसाद कुशवाहा, जितेन्द्र पांडेय, मीडियाकर्मी नेहाल खां वगैरह कवि आपन कविता सुनवलें.
  • प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी का ओर से उनुका संसदीय इलाका के 51 हजार औरतन के राखी का मौका पर बीमा रक्षा कवच दीहल गइल. पत्रक बँटले केंद्रीय उर्जा मंत्री पीयूष गोयल.
  • आजमगढ़ के बलरियागंज आ गंभीरपुर थाना इलाका में पिछला दिने दू आदमी के गरदन काट के मुआ दीहल गइल. एगो आदमी पर आरोप रहुवे कि ऊ गंभीरपुर के नगरइया जहानपुर गांव में एगो घर में गलत नीयत से ढुकल रहुवे. जबकि दोसरका आदमी के लाश बिलरियागंज थाना क्षेत्र के जैगहां-बिदवल रोड पर मिलल.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up