भोजपुरी पट्टी का साथही देश दुनियो के खबर (29 अगस्त 2015, शनिचर)

by | Aug 29, 2015 | 0 comments

28 अगस्त, 2015 का दिने नई दिल्ली में साल 1965 के भारत-पाक युद्ध में भारत विजय के स्वर्ण-जयंती का मौका पर राष्ट्रपति प्रणब मुखर्जी अमर जवान ज्योति, इंडिया गेट पर माल्यार्पण कइले.

28 अगस्त, 2015 का दिने नई दिल्ली में साल 1965 के भारत-पाक युद्ध में भारत विजय के स्वर्ण-जयंती का मौका पर राष्ट्रपति प्रणब मुखर्जी अमर जवान ज्योति, इंडिया गेट पर माल्यार्पण कइले.

  • जम्‍मू कश्‍मीर के आर एस पुरा सेक्‍टर से लागल देश के सिवान पर पाकिस्तानी सेना के गोलीबारी में काल्हु शुक का दिने तीन गो नागरिक के मौत हो गइल आ 17 जने घवाहिल हो गइले. जबाबी कार्रवाई में ओनियो कई लोग के जान जाए आ घवाहिल होखे के खबर बा.
  • जम्मू कश्मीर में शुक का दिने फेरू एगो पाकिस्तानी आतंकी के जिन्दा गिरफ्तार कर लीहल आ बारामूला जिला के सोपोर में एगो अदालत ओकरा के पांच दिन के पुलिस रिमांड पर दे दिहलसि. पुलिस पूछताछ में सज्जाद अहमद आपन पूरा कहानी बकल शुरु कर दिहले बा कि कवना तरह ओकरा के ट्रेनिंग दीहल गइल आ कवना मकसद से ओकरा के हिन्दुस्तान भेजल गइल बा. एहिजा लश्कर के एगो अड्डा बनावे के कहल गइल रहुवे ओकरा से. उड़ी सेक्टर में घुसपैठ के कोशिश करत सज्जाद के चार साथियन के सेना मार गिरवलसि.
  • नागालैंड में तुएंसंग जिल के पांगशा में सुरक्षा बल का साथे मुठभेड में नेशनल सोशलिस्‍ट काउंसिल ऑफ नागालैंड खापलांग गुट के सात गो उग्रवादी मार दीहल गइलें आ तीन गो घवाहिल हो गइल बाड़े. एगो सुरक्षाकर्मिओ घवाहिल भइल बा. गोलीबारी त रुक गइल बा बाकिर इलाका में तनाव बनल बा.
  • गुजरात के हालात तेजी से सुधरे लागल बा आ अहमदाबाद के कुछ इलाका के छोड़ अब राज्य में कहीं कर्फ्यू नइखे लगावल. शुको का दिने सेना कुछ इलाका में फ्लैग मार्च कउवे. एगो बड़हन राजनीतिक साजिश का तहत गुजरात के हालात बिगाड़़े के कोशिश भइल बा. एह बवाल के मुखिया हार्दिक पटेल आआपा के साथे रहे वाला ह आ कांग्रेसो चाहत बिया कि कवनो तरह गुजरात के हालात बिगाड़ जाव जेहसे ओकरा फेरू पनपे के मौका मिले. एही से कहल जात रहुवे कि साँप के मरला के बाद ओकर मूड़ी कूंच देबे के चाहीं ना त ओकर संगी साथी रउऱा पर हमला कर सकेलें.
  • सेना से रिटायर भइल लोग खातिर एक रैंक एक पेंशन के मामिला पर अब पीएम आफिस काम कइल शुरु कर दिहले बा आ जल्दिए एह मसला के समाधान निकाल लीहल जाई. याद करे के बात बा कि पहिले सेना के जवानन खातिर एक रैंक एक पेंशन के नियम लागू रहुवे जवना के कांग्रेस के इंदिरा गाँधी सरकार में खतम कर दीहल गइल आ ओकरा बाद एह मसला के अतना अझूरा दिहलसि पिछला यूपीए सरकार के सरिहावे में समय लागत बा. शुक का दिने सैनिक रहल लोग के एगो शिष्‍टमंडल केन्‍द्रीय गृह मंत्री राजनाथ सिंह से भेंट कइलसि आ उनुका से एह बारे में जल्दी फैसला करावे के निहोरा कइलसि. रक्षामंत्री मनोहर पर्रिकर फेरू कहलन कि एकरा के सैद्धान्तिक रूप से मंजूर क लीहल गइल बा आ लागू करावे खातिर मसला के सरिहावल जात बा.
  • बिहार विधानसभा चुनाव में सीट बँटवारा खातिर भाजपा आ ओकरा सहयोगी गोलन का बीच सोमार का दिने बइठक होखी. एकर अध्यक्षता भाजपा प्रमुख अमित शाह करीहें. एह मसला पर ई पहिलका बइठक होखी एहसे एही दिने मसला सझुरा जाए के उमेद नइखे.
  • साल 1965 के भारत-पाकिस्‍तान युद्ध के 50वां वर्षगांठ पर शुक का दिने शहीदन के श्रद्धांजलि दीहल गइल. राष्‍ट्रपति प्रणब मुखर्जी, सेना प्रमुख जनरल दलबीर सिंह, नौसेना प्रमुख एडमिरल आर के धवन आ वायुसेना प्रमुख एयर चीफ मार्शल अरूप राहा अमर जवान ज्योति पर श्रद्धांजलि दिहलें. रक्षा मंत्री मनोहर पर्रिकर आ रक्षा सचिव जी मोहन कुमार एह मौका पर मौजूद रहलें. प्रधानमंत्री नरेन्‍द्र मोदी एह मौका पर आपन ट्वीट क के आपन श्रद्धांजलि दिहलन,
  • शेयर बाजार में शुक का दिने बढ़त देखे के मिलल आ सेंसेक्‍स 161 अंक बढ़के अउर निफ्टी 53 अंक बढ़ के बंद भइल. चीनो के बाजार में पाँच फीसदी के उछाल देखे के मिलल. रुपिया डालर का मुकाबले दस पइसा कमजोर हो गइल.
  • बरखा का चलते कोलम्‍बो में होखत भारत आ श्रीलंका के तिसरका टेस्ट के पहिला दिने पन्द्रहे ओवर के खेल हो सकल. खेल रोके का बेरा भारत दू विकेट गँवा के 50 रन बनवले रहुवे.
  • भारतीय रेल पहिला बेर देश में ऑनलाइन परीक्षा करा के बहाली करे के शुरूआत कइले बा. करीब तीन हजार रिक्ति पर बहाली खातिर कंप्‍यूटर आधारित ऑनलाइन भर्ती परीक्षा 26 तारीख से करावल जात बा आ 4 सितंबर ले चली. एह बीच देश के 242 शहरन में आॅनलाइन परीक्षा हो जाई.
  • शुक का दिने सारण जिला के सोनपुर इलाका के एगो बिजली कर्मी के मौत करंट लगला का चलते हो गइल जब ऊ एगो बनत मकान में बिजली के काम करत रहुवे.
  • बियफे का रात सारण जिला के कोपा इलाका के देवरिया गांव में दू गो मवेशी चोरन के गाँव वाले पकड़ लिहलें आ बढ़िया से पिटाई कइला का बाद पुलिस के सँउप दिहलें.
  • दरभंगा से दिल्ली जात बिहार संपर्क क्रांति एक्सप्रेस शुक का दिने बड़ागोपाल टीसन का लगे एगो मवेशी से टकरा गइल. मवेशी के लाश एगो बोगी में अझूरा गइल जवना चलते करीब दू घंटा ले ट्रेन रुकल रह गइल.
  • छपरा-सिवान हाईवे पर शुक का दिने एगो ट्रक एगो स्कूटी के धक्का मार दिहलसि जवना चलते एक आदमी के ओहिजे मौत हो गइल आ एक आदमी घवाहिल हो गइल. लोग ट्रक वाला के ध लिहले आ बवाल करे के कोशिश कइलें. मरेवाला मांझी थाना के चेफुल के रहे वाला बतावल जात बाड़े.
  • सिवान के आइडीबीआई बैंक का लगे एगो औरत के बैग छीन के उचक्का फरार हो गइले सँ. सलेमपुर महादेवा के ई औरत अपना रिश्तेदारी में जात रहली जब ई छिनतई भइल.
  • सिवान के जीबी नगर थाना के सारंगपुर पंचायत के सकरा गाँव में शुक का दिने आंगनबाड़ी सेविका चुने खातिर आइल टीम पर कुछ लोग हमला कर दीहल आ ईंटा पत्थर मार के सीडीपीओ के गाड़ी तूड़ दीहल. एह मामिला में एगो आवेदिका आ ओकरा घर का लोग पर मुकदमा दर्ज करावल गइल बा.
  • गोपालगंज जिला के बरौली थाना के पिपरहिया बाजार में बिशेसरपुर के अब्दुल समद से मारपीट क के ओकर चालीस हजार रुपिया छीन लीहल गइल. विवाद पुरान बतावल जात बा जवना का चलते ई घटना भइल.
  • टाटा से अपना घरे लवटत उचकागाँव इलाका के दहीभाता गाँव के एगो नवही के जहरखुरान आपना शिकार बना लिहलें. बेहोश नवही शुक का सबेर में गोपालगंज के राजेंद्र नगर बस स्टैण्ड पर मिलल आ ओकरा के अस्पताल में भरती करावल गइल.
  • बेतिया के राजकीय उत्क्रमित मध्य विद्यालय डीही ढबेलवा में एक हप्ता से मिड डे मील ना मिले आ छात्रवृत्ति ना बँटइला से नाराज विद्यार्थी बियफे का दिने स्कूल के शिक्षकन के एगो कोठरी में बंद क दिहले आ प्रदर्शन कइलें.
  • मोतिहारी के पताही प्रखंड मुख्यालय के राज्य खाद्य निगम के गोदाम से होखत कालाबाजारी का मामिला में पताही पूर्वी के मुखिया के बेटा गुडु कुमार उर्फ संजीत प्रसाद के पुलिस गिरफ्तार कर लिहले बिया. गुड्डु के नाम एह मामिला में शामिल ट्रेक्टर के मालिक भइला का चलते आइल बा.
  • रोहतास जिला के ताराचंडी धाम पर शनिचर का दिने निकले वाला शोभा यात्रा खाति सुरक्षा व्यवस्था ले के पुलिस चउकस बिया.
  • रोहतास नगर थाना के जवाहर सेतु रोड पर शुक का दिने एगो ट्रक आ टेंपो के टक्कर में एगो औरत के मौत हो गइल आ पाँच जने घवाहिल हो गइलें.
  • आठ दिन पहिले किडनैप भइल एगो नवहि के लाश मिलला का बाद आरा में ओकरा घर के लोग शुक का दिने अस्पताल चहुंप के डाक्टरन के टीम से पोस्टमार्टम करावे के माँग कइले.
  • बक्सर टीसन पर शुक का दुपहरिया में चेन पुलिंग क के उतरे वाला चार जने के रेल पुलिस ध लिहलसि आ ओह लोग के गिरफ्तार क के मजिस्ट्रेट का सोझा पेश क दिहलसि.
  • बियफे रात बक्सर जिला के बासुदेवा गाँव में एगो आदमी के हत्या एह चलते क दिहलें कुछ बदमाश कि ऊ बुध का दिने अपना बेटी से छेड़खानी के विरोध कइले रहलें.
  • प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी के एलान का बाद शुक का दिने सिताबदियारा के लाला टोला में राष्ट्रीय जेपी स्मारक के नेंव जेपी फाउंडेशन के अध्यक्ष आ भदोही के भाजपा सांसद बीरेंद्र सिंह मस्त का हाथे रखवावल गइल
  • बैरिया तहसील में मुंसिफ न्यायालय बनावे के मांग करत बैरिया तहसील के अधिवक्तन के आंदोलन चार दिन से जारी बा. शुका का दिने ई लोग एसडीएम कार्यालय का सोझा धरना दीहल आ न्यायायिक काम ना कइलसि.
  • गुजरात से आइल एगो प्रेमिका शुक का दिने गाजीपुर जिला के कटयां गांव आ चहुँपल. एह खबर के फइलते सगरी गाँव जुट गइल आ दुनू के बिआह शुक का दिने मारकंडेय महादेव मंदिर कैथी में करा दीहल गइल.
  • गाजीपुर के सुहवल इलाका के बेमुआ गांव में शुक का सबेरे एगो मेहरारू के लाश घर में लटकत मिलल. बतावल जात बा कि ओकर मरद ओकर गरदन दबा के मुआ दिहलसि आ बाद में लाश के लटका के फरार हो गइल बा. पुलिस मामिला के तहकीकात करत बिया कि ई खुदकुशी हउवे कि हत्या.
  • मऊ के डोमनपुरा के लड़िका आ विश्वनाथपुरा के लड़िकी के घर से भाग के शुक के दुपहरिया दक्खिन टोला थाना चहुँपले जहाँओह लोग के निकाह दुनू के घर वालन के बोला के थानाध्यक्ष करवा दिहलें.
  • मऊ के तेजाबकोपागंज थाना के डांड़ी-सहरोज रोड पर छोटी सरजू नदी के पुल का नीचे बोरा में भरके फेंकल एगो तीस बरीस के आदमी के लाश मिलल बा. नवही के रहुवे से पता नइखे चलल.
  • गोरखपुर के गीताप्रेस प्रबंधन के कहना बा कि प्रेस बंद नइखे भइल जवना के खबर कुछ टीवी चैनलन पर देखावल जात बा. कुछ अनेरिया कर्मचारियन के हटा दिहला का खिलाफ एहिजा के कर्मचारी हड़ताल पर बाड़न जवना चलते काम नइखे होखत. ओने गीताप्रेस के बचावे के मुहिम शुरु हो गइल बा सोशल मीडिया पर.
  • देवरिया के पौराणिक तीर्थस्थली महाकालेश्वर के उपज्योर्तिलिंग के रूप में मशहूर बाबा दुग्धेश्वरनाथ मंदिर के कायाकल्प खातिर विधायक अखिलेश प्रताप सिंह काल्हु पूजा अर्चना कइले आ बतवले कि चार करोड़ रुपिया खरच क के मंदिर के जीर्णोद्वार कइल जाई.
  • शुक का दिने देवरिया के रामपुर दुबे गाँव के लोग ओहिजा के एगो नवही के गोरखपुर मेडिकल कालेज अस्पताल में मौत भइला का बाद रामपुर कारखना थाना पर जम के बवाल कइलन. ओह नवही के मौत एगो सड़क हादसा में घवाहिल भइला का चलते भइल आ जब पता चलल कि रुपिया ले के थाना से ओह गाड़ी के छोड़ दीहल गइल बा. खिसियाइल लोग महुआडीह पुलिस चौकी के आग लगा दिहलें जवना चलते दू गो राइफल आ छह गो मोटरसाइकिल राख हो गइल. बवाल काबू करे खातिर पुलिस के फायरिंग करे के पड़ल.
  • वाराणसी के डीरेका में सीनियर सेक्शन इंजीनियर संतोष कुमार सिंह अपना 11 बरीस के बेटी के हत्या क के अपनहुँ फाँसी लगा के जान दे दिहलें. कुछ दिन पहिले उनुका पत्नी आ बेटा के मौत हो गइल रहुवे जवना का बाद ऊ डिप्रेशन के शिकार हो गइल रहलें.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up