भोजपुरी में खबर (सोमार, 27 अप्रैल 2015)

by | Apr 27, 2015 | 0 comments

  • नेपाल में शनिचर का दिने आइल बड़हन भूकंप का बाद लगातार छोट छोट भूंकप आवे के सिलसिला जारी बा. अतवार का दुपहरिया आइल भूकंप एक बेर फेरू उतरवारा भारतो के हिला दिहलसि आ उत्तर बिहार आ पूर्वांचल के लोग फेरू सहम गइल. एही बीच उल्टा चाँद लउकला के अफवाह लोग में अउरिओ दहशत बना दिहले बावे. प्रशासन के कहना बा कि अफवाहन पर धियान दिहला के जरूरत नइखे आ अफवाह फइलावे वालन पर नजर टेढ़ करे के बात कहले बा प्रशासन.
  • नेपाल के भूकंप से बरबाद भइल इलाका में राहत चहुँपावे में भारत जी जान से लागल बा. काल्हु अतवार का दिने बरखा का चलते कुछ देर ला काठमांडू हवाई अड्डा बंद भइला से राहत चहुँपावे में बाधा आइल. एह भूकंप से करीब तीन हजार लोग के मौत होखे के अनेसा जतावल जात बा. 80 बरीस में आइल सबले बड़हन बिपदा का बाद नेपाल में आपात स्थिति के एलान क दिहल गइल बा. आजु सबेरे से आकाश साफ लउकत बा आ लोग हवाई अड्डा पर अफरातफरी मचवले बा. सभे बेचैन बा कि जतना जल्दी हो सके एहिजा से निकल के भारत चहुँप जाव. एह में विदेशी पर्यटको शामिल बाड़े. एह लोग के सदभावना वीजा जारी कइल जा रहल बा भारत का तरफ से. ओहिजा से अबले डेढ़ हजार हिन्दुस्तानियन के सुरक्षित ले आवल गइल बा.
  • दू दिन आइल भूकंप में भारतो में कई जगहा से बरबादी आ लोग के मरे के खबर बा. कुछ जगह मकानो भसल बाड़ी सँ. बिहार में अबले करीब पचास लोग के मरे के खबर बा. सबले अधिका मौत पूर्वी चंपारण में भइल बा जहाँ 11 लोग के मरे के खबर बा. बिहार यूपी में मंगल ले स्कूल काॅलेज बंद क दिहल गइल बा.
  • वस्तु अउर सेवाकर विधेयक पर आज लोकसभा में चरचा होखे वाला बा. विरोधी दल के नाराजगी का बावजूद विधेयक के लोकसभा में पेश करत वित्त मंत्री कहले रहलें कि एह विधेयक से देश के अर्थव्यवस्था के मजबूती मिली आ केंद्र आ राज्य दुनू ला एहसे फायदा होखी.
  • कांग्रेस के भुलाइल जमीन खोजे का दिसाईं काम करत राहुल गाँधी अब कई राज्यन के दौरा पर निकले के योजना बनावत बाड़न. रोज पन्द्रह बीस किलोमीटर पैदल चल के राहुल जनता से मिलीहें आ ओह लोग के समस्या का बारे में जाने समुझे के कोशिश करीहें.
  • संसद के मौजूदा सत्र खतम भइला का बाद नौ गो राज्यन में नया राज्यपालन के बहाली के खबर बा. बिहार, पंजाब, असम, हिमाचल, मेघालय, मिजोरम, त्रिपुरा आ तेलंगाना में राज्यपाल के पद खाली बा आ कुछ राज्यपालन के दू तीन गो राज्य के जिम्मा दे के राखल बा.
  • इंजीनियरिंग कॉलेजों में दाखिला खातिर लीहल इम्तिहान के रिजल्ट आज निकले के उमेद बा.
  • कोलकाता के न्यू मार्केट इलाका के एगो माॅल में अतवार का दिने बड़हन आग लाग गइल जवना के बुतावे खातिर डेढ़ दर्जन दमकल के लगावे के पड़ल. केहू के मरे के खबर नइखे.
  • चीन के सबले बड़का मोबाईल कंपनी शाओमी में भारत के रतन टाटा पूंजी लगवले बाड़न. बाकिर कतना पूंजी से पता नइखे चलल.
  • बीसीसीआई के अध्यक्ष रहल एन. श्रीनिवासन पर आरोप बा कि ऊ एगो विदेशी कंपनी से बीसीसीआई अधिकारियन के जासूसी करवलन आ बोर्ड का खाता से ओह कंपनी के 14 करोड़ रुपिया के भुगतान दिहलें. अब एह मामिला के जाँच करवाई बीसीसीआई.
  • दिल्ली से लखनऊ का बीच चले वाली वातानुकूलित सुपरफास्ट डबल डेकर ट्रेन के चलल काल्हु अतवार से शुरू हो गइल. केन्द्रीय गृहमंत्री राजनाथ सिंह एकरा के दिल्ली के आनंद विहार रेलवे टीसन से हरियर झंडी देखा के रवाना करवलन. एह मौका पर रेल मंत्री सुरेश प्रभु आ गाजीपुर के सांसद अउर रेल राज्यमंत्री मनोजो सिन्हा मौजूद रहले. ई रेलगाड़ी शुक आ अतवार के चलल करी.
  • आज जानकी नवमी ह. आजुए का दिने माता सीता के धरती पर आगमन भइल रहुवे.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up