भोजपुरी में देश दुनिया के खबर (शनिचर, 28 फरवरी 2015)

by | Feb 28, 2015 | 0 comments

(शुक, 27 फरवरी के खबर)

  • NaMo-in-LokSabhaराष्ट्रपति के अभिभाषण पर संसद में भइल चरचा में विपक्ष के भाषनन के चुन चुन के जवाब दिहलन पीएम मोदी. आजु मोदी अपना पूरा रौ में रहुवन आ संसद में चुप्पी साधे के शिकायत करे वाला विपक्ष शायद अब फेर कबो उनुका से जवाब देबे के ना कही. अपना जवाब में मोदी ओह हर मुद्दा के छुअलन जवना ला विपक्ष उनका पर तंज कसत रहुवे.
  • मनरेगा बंद करे के आरोप पर मोदी के कहना रहुवे कि एकरा के कबो बंद ना करीहें काहें कि ई त कांग्रेस के 60 बरीस के पाप के जीयत जागत स्मारक ह. एकरा के त नगाड़ा पीट पीट के देखावत रहीहें. लोग देखत बा कि 60 बरीस के कांग्रेसी राज के फल ह कि लोग के गड़हा खोने का काम में लगावल गइल बा.
  • भूमि अधिग्रहण विधेयक का बारे में कहलन कि आखिर का बात रहल कि एह बारे में 1894 के बनल ब्रिटिश कानून बदले में कांग्रेस के साठ बरीस लाग गइल आ 120 साल बाद ओह कानून के 2013 में बदलल गइल. कहलन कि सब कुछ जानत बूझतो कि एकरा के कवना चलते ले आवल जात बा भाजपो तब के सरकार के समर्थन कइलसि. कहलन कि केहू के अतना गुमान ना होखे के चाहीं कि ओकरा से बढ़िया काम केहू करिए ना सके. कहलन कि पिछला सरकार के बनावल भूमि कानून के कुछ कमियन के सुधारल भर गइल बा नयका विधेयक में. कहलन कि सब कुछ बिहार, पूर्वांचल, बंगाल, उड़ीसा वगैरह राज्यन के किसान के हालात सुधारे खातिर कइल जात बा आ एहमें सभका साथे आवे के चाहीं.
  • सांप्रदायिकता का बारे में मोदी के दू टूक जवाब रहल कि उनका कवनो दोसर रंग ना लउके. जब लउकेला त तिरंगा. कहलन कि भारत साल 47 में ना जनमल. एकर इतिहास हजारो हजार बरीस पुरान ह आ एकर खासियत ह कि हर संप्रदाय के बढ़े के आजादी दिहलसि. कहलन कि उनका शासन में कवनो संप्रदाय का खिलाफ अनेत बरदाश्त ना कइल जाई.
  • पीएम के जवाब का बाद देश के सेकूलर मीडिया अपना आदत से मजबूर उनुका भाषण के तूड़ताड़ के पेश करे से बाज ना आइल. भाषण के चुनिंदा लाईनन के ओकरा पूरा संदर्भ से काट के पेश करत कहल जात बा कि मोदी हिन्दू संगठनन का खिलाफ नाराजगी जतवलन. जबकि आजुए गोधरा के बरखी रहुवे. मोदी के कहन साफ बा कि कवनो धर्म का खिलाफ अनेति बरदाश्त ना कइल जाई आ एहमें गोधरा आ सहारनपुर जइसन मामिलो शामिल बा. एहमें इहो शामिल बा कि हिन्दूवन के त धरम बदलवा लिहल जाव आ घरवापसी के खिलाफत होखो. भूमि अधिग्रहण बिल का बारे में अइसे पेश कइल गइल जइसे कि मोदी बिल में बदलाव खातिर तइयार हो गइल बाड़े. जबकि उनकर साफ कहना रहुवे कि ‘अगर’ कवनो कमी बावे त ओकरा के सुधारे से उरेज ना करीहें. बाकिर जवन कुछ होखी किसानन के भलाई खातिर.
  • शुक का दिने संसद में पेश आर्थिक सर्वे के पेश कइल गइल. एहमें बतावल गइल तेज विकास के अनुमान से निवेशक उछाह में आ गइलें आ सेंसेक्‍स 473 अंक के बड़हन उछाल मार के बंद भइल. निफ्टीओ में 161 अंक के बढ़त दर्ज भइल.
  • जम्मू कश्मीर में भाजपा पीडीपी गठबन्हन सरकार बने से पहिले पीडीपी के मुफ्ती मोहम्‍मद सईद आजु नई दिल्‍ली में प्रधानमंत्री नरेन्‍द्र मोदी से मुलाकात कइलन. जम्मू कश्मीर में पहिला बेर जम्मू के दमदार मौजूदगी होखे जा रहल बा एह सरकार से. आ भाजपो पहिला बेर ओहिजा के सरकार में शामिल रही. मुलाकात का बाद सईद बतलवन कि अतवार का दिने होखे वाला किरिया धराई में पीएम मोदीओ मौजूद रहीहें.
  • विश्व कप इतिहास के दुसरका सबले तेज सैकड़ा आ महज 66 गेंद में नाबाद 162 रन के कप्तान एबी डिविलियर्स के पारी का सहारे दक्खिन अफ्रीका सिडनी में भइल मैच में वेस्टइंडीज के 257 रन से हरा दिहलसि. शनिचर का दिने ऑस्ट्रेलिया आ न्यूजीलैंड के, अउर भारत आ संयुक्त अरब अमारात के बीच के मैच होखीहें सँ.
  • निर्वाचन आयोग मतदाता फोटो पहचान पत्र के आधार संख्‍या से जोड़े के तय कइले बा जेहसे कि डुप्‍लीकेट मतदाता पहचान पत्र के रोकल जा सके. अब हर मतदाता पहचान पत्र पर ओह मतदाता के आधार नंबर मौजूद रही. जेकरा लगे आधार कार्ड ना होखी ओह लोग के अलग से खास पड़ताल क के मतदाता बनावल जाई.
  • बियफे देर रात भोजपुर जिला के अगिआंव बाजार इलाका में स्कार्पियो पर जात एगो शराब व्यवसायी के गोली से भूंज दिहल गइल. व्यवसायी एगो शादी में शामिल होके लवटत रहलन जब पहिले से योजना बनवले बदमाश उनकर हत्या क दिहले. शुक का दिने खिसियाइल लोग आरा पटना मेन रोड जाम क दिहल आ करीब पाँच घंटा रहल एह जाम से सभे हलकान रहल.
  • बलिया जिला के रेवती इलाका के मोहन छपरा नवका गांव के एगो नवही के लाश खेत में फेंकाइल मिलल. ओकर हत्या धारदार हथियार से कइल गइल रहे. बियफे का रात एगो शादी में गइल एह नवही के कुछ लोग उठा लिहले आ ओकरे फोन से 16 लाख के फिरौती के फोन ओकरा घरे कइलन. शुक का सबेरे थाना में केस दर्ज भइला का बाद जब खोजल शुरु भइल त एगो खेत में ओकर लाश बरामद हो गइल.
  • बलिया नगर निकाय के अध्यक्ष आ अधिशासी अधिकारी का बीच वर्चस्व के लड़ाई शुरु हो गइल बा जवना चलते बलिया के विकास के काम रूक गइल बा.
  • शुक का दिेन भरौली बलिया रोड पर लखनुवा मोड़ का लगे नरहीं गाँव के एगो लड़िका आ एगो लड़िकी के मौत हो गइल. दुनू मोटर साइकिल से चितबड़ा गाँव से बाजार क के घरे लवटत रहलें जब तेज रफ्तार मोटर साइकिल सड़क का किनारे गाछ से टकरा गइल. एगो के मौत ओहिजे हो गइल जबकि लड़िकी के मौत जिला अस्पताल ले जाए का राह में हो गइल.
  • सिवान के सांसद ओम प्रकाश यादव के मीडिया प्रभारी श्रीकांत के हत्या का मामिला में पुलिस गोरखपुर से एगो आरोपी के गिरफ्तार करे में सफल भइल.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं. यूपीआई पहचान हवे - भा सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.
अबहीं ले 12 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार आठ सौ सतासी रुपिया के सहयोग मिलल बा. सहजोग राशि आ तारीख का क्रम से पाँच गो सर्वश्रेष्ठ भामाशाह -
(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(3)

24 जून 2023 दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया
(4)
18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया
(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(11)
24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

पूरा सूची
एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up