भोजपुरी में देश दुनिया के खबर (बियफे, 2 अप्रैल 2015)

by | Apr 2, 2015 | 0 comments

(बुध, 1 अप्रैल के खबर)

  • पेट्रोल आ डीजल के दाम में आजु बियफे के फेरू कटौती क दिहल गइल बा. दुनिया के बाजार में तेल के दाम घटला का चलते बियफे से पेट्रोल 49 पइसा आ डीजल में 1 रुपिया 21 पइसा के कमी हर लीटर पर कइल गइल बा.
  • प्रधानमंत्री नरेन्द्र मोदी बुध का दिने ओडीशा में राउरकेला ले सरकारी इस्पात कारखाना देश के समर्पित कइलन. एह कारखाना में बारह हजार करोड़ रुपिया लगा के एकरा के आधुनिक बनावल गइल बा. एह मौका पर पीएम कहलन कि इस्पात बनावे में भारत अमेरिका से आगा निकल चुकल बा आ अब चीन के पछाड़ के दुनिया के सबले बड़हन इस्पात बनावे वाला देश बन जाई. कोयला घोटाला के चरचा करत कहलन कि पिछला सरकार में घोटाला का चलते कोयला एगो घटिया शब्द बना दिहल रहे जवना के उनकर सरकार देश खातिर हीरा में बदल दिहलस. बुधे का दिने सुप्रीम कोर्ट मनमोहन सिंह के कोयला घोटाला में जारी सम्मन के रद्द क दिहलसि.
  • बियफे 2 अप्रैल के भगवान महावीर के जयन्ती देश भर में मनावल जाई.
  • देश में सबले अधिका दूध उत्पादित करे वाला राज्य बन गइल बा यूपी जहवाँ रोज 639 लाख लीटर दूध के उत्पादन होखे लागल बा.
  • यूपी के स्वतंत्रता संग्राम सेनानियन भा उनका आश्रितन के मिलत पेंशन 8811 रुपिया से बढ़ा के 12000 हजार रुपिया महीना क दिहल गइल बा. लोकतंत्र सेनानियन के मिलत पेंशनो बढ़ा के दस हजार रुपिया क दिहल गइल बा.
  • जौनपुर जिला के जफराबाद विधानसभा इलाका के सई नदी के नहोरा गड़हरघाट पर पुल बनावे के मंजूरी राज्य सरकार से मिल गइल बा. एह पर 1456 लाख रुपिया के लागत आई.
  • सिद्धार्थनगर जिला के बन्द पड़ल जिला सहकारी बैंक के चालू करावे खातिर राज्य सरकार 45 करोड़ रुपिया जारी क दिहलसि. बाकी के धन जल्दिए नाबार्ड से जारी होखी. एह बैंकन में लोग के 54 करोड़ रुपिया जमा बा बाकिर बैंक बन्द रहला से लोग ओकरा के निकाल नइखे पावत.
  • हिन्दी के पुरनिया साहित्यकार डॉक्टर कैलाश वाजपेई के बुध का भोर में नई दिल्ली के एगो निजी अस्पताल में निधन हो गइल.
  • सोनिया के गोर चमड़ी पर दिहल बयान से गिरिराज सिंह पाछा हट गइलन. सोनिया गाँधी से लगवले अनेके कांग्रेसी नेता समय समय पर भाजपा के नेता लोग पर बदतमीज बयान देत आइल बाड़े आ ओह बयानन पर पोसुआ मीडिया कबो सवाल ना उठवलसि ना ही ओह पर बहस चलवललसि. बाकिर एह घरी हमेशा मौका के ताक में रहत बिया उहे मीडिया आ जबे मौका मिलत बा बवाल खड़ा कर देत बिया. हालही में बंगाल में एगो नन के रेप पर बड़हन बवाल खड़ा क दिहल रहे बाकिर जब पता चलल कि रेप करे वाला मुसलमान रहले आ एह मामिला के हिन्दू संगठनन से कवनो तरह के मतलब ना रहे तब सभे चुप्पी साध लिहले बा. चर्चो तब ढेर चरचराइल रहुवे बाकिर अब उहो मुँह बंद क लिहले बा आ अपना गलत बयानी खातिर केहू माफी माँगे ला तइयार नइखे.
  • मेट्रोे मैन श्रीधरन के कहना बा कि भारतीय रेलवे के केंद्रीकृत खरीदारी में साँठगाँठ क के हर साल नाहियो त दस हजार करोड़ रुपिया के चूना लगावल जात बा रेलवे के. एह लूट में उपर से ले के नीचे ले रेल अधिकारी शामिल बाड़े.
  • यमन के हिंसा में फंसल 358 भारतीय लोग के बुध का सबेरे मुंबई आ कोच्चि चहुँपला का बाद लोग राहत के साँस लिहल.
  • शुक का दिन से बेंगलुरू में होखे वाला भाजपा के राष्ट्रीय कार्यकारिणी के बइठक के एजेंडा बियफे का दिने तय होखे वाला बा. एह बइठक में मोदी सरकार अपना दस महीना के शासन के ब्योरा पेश करी. हर कार्यकारिणी के संबोधित करे वाला लालकृष्ण आडवाणी एह बइठक में बोलीहें कि ना, एह पर अबले कवनो फैसला नइखे भइल. सुने में आवत बा कि खुद आडवाणी नइखन चाहत बोले के.
  • क्रिकेट के अंतर्राष्ट्रीय संस्था आईसीसी के अध्यक्ष पद से इस्तीफा दे दिहले बाड़न बांगला देश के मुस्तफा कमाल. उनुका सबले खराब लागल कि विश्वकप देबे के मौका से महरूम क दिहल गइल उनका के आ श्रीनिवासन का हाथे विश्व कप दिहल गइल. कमाल कहलन कि आईसीसी इंडियन क्रिकेट काउन्सिल बन के रह गइल बा.
  • झारखंड में थर्ड आ फोर्थ ग्रेड के सरकारी नौकरी अब बिहार भा यूपी के लोग के ना दिहल जाई आ सगरी नौकरी झारखंड के लोगे के दिहल जाई. एह बार में मुख्यमंत्री रघुवर दास के बयान बुध का दिने सरहुल मिलन समारोह में दिहल गइल.
  • पिछला हफ्ता एगो मालगाड़ी से कचरा के एगो बानर के भइल मौत से नाराज ओकर साथी बन्दर तब से लगातार ट्रेन ड्राइवरन पर हमला क के ओह लोग के घवाहिल क देत बा. एह बीच अइसन तीन गो वारदात हो चुकल बा. ड्राइवर अपना के केबिन में बंद क के बाचत बाड़े ओह बानर से.
  • मैट्रिक के परचा लीक भइला का चलते रद्द भइल परीक्षा दुबारा देबे खातिर बोर्ड 495 रुपिया के शुल्क माँगत बा. एह शुल्क का खिलाफ आरा के जैन कन्या पाठशाला आ अमीर चन्द बालिका उच्च विद्यालय के छात्रा बुध का दिने जम के विरोध जतवली आ कई घंटा ले जेल रोड के जाम क के राख दिहली.
  • आरा टीसन का लगे लाईन पार करत एगो पचास बरीस के आदमी बुध का दिने राजधानी एक्सप्रेस से कटा के मर गइल. ओकरा के पहिचानल नइखे जा सकल अब ले. पुलिस लाश उठा के पोस्टमार्टम ला पठा दिहले बिया.
  • आरा टाउन थाना इलाका के धनपुरा गाँव का लगे एगो मैजिक गाड़ी से कचरा के सात बरीस के एगो लड़िकी के मौत हो गइल. ड्राइवर गाड़ी छोड़ के भाग गइल. बाद में खिसियाइल लोग मैजिक गाड़ी के तहस नहस क दिहल.
  • आरा के प्रखंडन से इंदिरा आवास के करीब सवा सात करोड़ रुपिया वापिस लवटि गइल काहे कि एह धन के इस्तेमाल समय पर ना करा सकल प्रशासन.
  • रोहतास के विक्रमगंज एएस कालेज में जल्दिए फैशन डिजायनिंग आ नेटवर्किंग एंड हार्डवेयर के कोर्स शुरू करावे के जानकारी कालेज के प्राचार्य पत्रकारन के दिहलन.
  • छपरा जिला के भेल्दी के भोलनापुर मध्य विद्यालय में छात्रवृति के रुपिया माँगे वाला विद्यार्थी के पिटाई क दिहलन प्राचार्य. ओकरा बाद खिसियाइल विद्यार्थी तोड़फोड़ मचा दिहलन. लइकन के कहना बा कि छात्रवृति के भुगतान के कागज पर पहिलही दस्तखत करा लिहले बाड़न प्राचार्य आ ओकरे बारे में पूछला पर लगलन गरियावे आ पिटाई करे. एह घटना का बाद प्राचार्य के विद्यालय से ट्रांसफर क दिहलसि प्रशासन.
  • आठ महीना पहिले छपरा के भगवानपुर गाँव से भागल प्रेमी प्रेमिका के छपरा जंक्शन से आ पन्द्रह दिन पहिले सिवान के दरौली से भगावल लड़िकी के रसूलपुर चट्टी से ओकरा प्रेमी सहित पकड़ लिहलस पुलिस.
  • गोपालगंज जिला के भोरे इलाका में वायरलेस मोड़ पर एगो सड़क हादसा में मंगल के रात एगो मोटरसाइकिल सवार के मौत हो गइल. मरे वाला मढ़ौरा के रहेवाला रहुवे आ कटेया के जमुनहा बाजार में एगो शराब भट्टी के सेल्समैन के काम करत रहुवे.
  • सेंट्रल बैंक अपना सिवान रिजनल आफिस के विलय मोतिहारी आफिस में क दिहलसि आ सिवान आ गोपालगंज के आपन शाखा मोतिहारी से जोड़ दिहलसि. छपरा के शाखा के मुजफ्फरपुर रिजनल आफिस से जोड़ल गइल बा.
  • थावे छोटी लाईन बंद भइला का बाद कचहरी टीसन पर के डीजल शेडो के बंद क दिहल गइल बा जहाँ डेमू के रखरखाव कइल जात रहुवे. अब बलिया का लगे एकर शेड बनावल जाई काहे कि छपरा वाराणसी डेमू के अब बलिया से वाराणसी सिटी का बीचे चलावल जात बा.
  • छपरा के अमनौर प्रखंड के डुमरिया गाँव के आठवीं में पढ़े वाला एगो लड़िका नहात घरी पोखरा में डूब के मर गइल. अपना बाप महतारी के इकलौता बेटा रहुवे ऊ.
  • पीसीएस परीक्षा के परचा लीक होखे आ बाद में रद्द होखे का खिलाफ शुरू विरोध बुधो का दिने जारी रहल. इलाहाबाद में घंटनो बवाल चलल आ पुलिस के फायरिंग तक करे के पड़ल. बाद में पुलिस हिन्दू होस्टल ले चहेटलसि. होस्टल में पुलिस के घुसला से बवाल अउरी बढ़ गइल.
  • चंदौली के मिल्कीपुर गाँव का नियरा पोखरा में महतारी बहिन का साथ नहाए गइल दस साल के लड़िका के डूबला से मौत हो गइल. गोताखोरन का सहायता से ओकर लाश निकालल गइल आ पंचनामा करा के परिवार के सँउप दिहलसि पुलिस.
  • जौनपुर शहर में राजा जौनपुर का हवेली में बुध का दिने आग लाग गइल बाकिर संजोग से समय रहते दमकल आग पर काबू पा लिहलसि. नगरपालिका सफाई अभियान चला के बटोरल खर पतवार हवेली का चहारदिवारी से सटले जरावत रहुवे आ उहे आग फेड़न के पतई में लागत हवेली का भीतर ले पसर गइल रहे.
  • जौनपुर के महाराजगंज इलाका के एगो गाँव से अरहर के खेत में एगो नवहिन के अधजरल लाश मिलल बा. ओकर देहो उघार पघार देख अनेसा जतावल जात बा कि ओकरा संगे दुष्कर्म भइल होखी. ओकरा के पहिचानल ना जा सके एहसे ओकरा मुँह पर तेजाब डाल के जरा दिहल गइल बा.
  • मिर्जापुर देहात कोतवाली के भोड़सर गाँव का नियरा एगो लाइन होटल का लगे एगो ट्रक ड्राइवर अपना साथी ड्राइवर के छूरा घोंप घोंप के मुआ घललसि. तीन गो ट्रक गुजरात से बियर लाद के पटना खातिर चलल रहले जब बीच राह में ई वारदात हो गइल. दुनू ड्राइवर गाजीपुर जिला के खिदिरपुर गाँव के बतावल जात बाड़े.
  • नयका वित्तिय साल का पहिलका दिने शेयर बाजार झूम के खुलल आ 302 अंक के बढ़त ले के सेंसेक्स बंद भइल. सोना आ चांदीओ के दाम में बुध का दिने तेजी देखल गइल.
  • कोटक महिन्द्रा बैंक में आईएनजी वैश्य बैंक के विलय के मंजूरी रिजर्व बैंक से मिल गइला का बाद दुनू बैंक एक में मिल गइलें. अब कोटक महिन्द्रा बैंक देश के चउथका बड़ निजी बैंक बन गइल बा.
  • बाप से रिसिया के विदेश चल गइल पाकिस्तान पीपुल्स पार्टी के बिलावल भुट्टो का जगहा अब उनुका बहिन बख्तावर भुट्टो के पार्टी के कमान सँउपे के फैसला ले लिहल गइल बा. पाकिस्ताने का तरह भारतो के कांग्रेस पार्टी के राहुल गाँधी अपना महतारी से रिसिया के पता ना कहवाँ चल गइल बाड़न. पिछला एक महीना से उनकर कवनो अता पता नइखे लागत देश के. हो सकेला कि महतारी के मालूम होखे कि उनकर छिरियाइल बेटा कहवाँ लुकाइल बा. संजोग से एहिजो राहुल के बहिन प्रियंका पार्टी के बागडोर सँउपे के माँग उठावल जात बा कांग्रेसियन का तरफ से.
  • नाइजीरिया के तानाशाह रहल मुहम्मद बुहारी ओहिजा भइल चुनाव में मौजूदा राष्ट्रपति गुडलक जोनाथन के हरा के राष्ट्रपति बन गइल बाड़े.
  • दुनिया के सबले उमिरगर मेहरारू जापान के ओसाका के मिसाओ ओकावा के मौत हार्ट फेल भइला का चलते 117 साल का उमिर में हो गइल. कुछ समय पहिलहीं ऊ आपना जनमदिन मनवले रहुई.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं. यूपीआई पहचान हवे - भा सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.
अबहीं ले 12 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार आठ सौ सतासी रुपिया के सहयोग मिलल बा. सहजोग राशि आ तारीख का क्रम से पाँच गो सर्वश्रेष्ठ भामाशाह -
(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(3)

24 जून 2023 दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया
(4)
18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया
(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(11)
24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

पूरा सूची
एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up