ममता के राज में हिन्दू पूजा ना कर सकसु काहे कि मुसलमान नाराज हो जइहें

by | Oct 29, 2015 | 0 comments

चिंहुकला के जरूरत नइखे. मुस्लिम प्रेमी ममता बनर्जी के राज में पश्चिम बंगाल में कई जगहा हिन्दू आपन रीति रिवाज के पालन ना कर सकसु. कतहीं लाशो जरवला पर मनाही त कई जगहा आपन पर्व उत्सव मनावे पर. मुसलमान स्वभाव ह कि जबले उनकर गिनिती कम रहेला कवनो इलाका में तबले उनुका माइनोरिटी के सगरी फायदा मिले के चाहीं बाकिर जसहीं उनकर आबादी एगो सीमा से अधिका बढ़ जाला तसहीं ई लोग हिन्दूवन पर धँउस जमावल शुरू कर देलें. दीवाली पर लोग पटाखा मत फोड़ो एकरा ला ई लोग सु्प्रीम कोर्ट ले चहुँप जाला. ऊ त गनीमत बा कि अबकी सुप्रीमो कोर्ट एह तरह के अतहत के पसन्द ना कइलसि आ कह दिहलसि कि पटाखा छोड़े पर रोक ना लगा सकी काहे कि एह आदेश के पालन ना करावल जा सके. तीन साल से पश्चिम बंगाल के एगो गाँव के लोग दुर्गा पूजा नइखे मना सकत. एहू साल करीब डेढ़ महीना पहिले से दीहल अरजी के प्रशासन आखिर ले लटकवले रहि गइल आ एन मौका पर कह दिहलसि कि ना दुर्गा पूजा मनावे के इजाजत ना दीहल जा सके काहें कि एह इलाका के मुसलमान एह बात के पसन्द ना करीहें. हारल थाकल हिन्दू मन मार के रहि गइलें आ हर छोट मोट बात पर हिन्दू विरोधी बवाल करे वाला मीडिया एह खबर के आराम से पचा गइल. कबो ना बतवलसि कि एह देश में इहो संभव बा कि हिन्दू दुर्गा पूजा ना कर सकसु. सु्प्रीम कोर्ट में पटाखा का खिलाफ अरजी लगावे वाला के मजहब का रहल इहो ना बतवलसि एह देश के हिन्दू आ देश विरोधी मीडिया. वइसे एह केस के पैरवी कार रहलन कांग्रेस के एगो बड़का नेता आ वकील अभिषेक मनु सिंघवी.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up