माईभासा दिवस पर भोजपुरी के सवाल

by | Feb 21, 2016 | 0 comments

आजु अतवार का दिने पूरा दुनिया माईभासा दिवस मनावल त भोजपुरी भाषा के संवैधानिक मान्यता के सवाल उठावत कई जगहा धरना प्रदर्शन आ विचार गोष्ठियन के आयोजनो भइल.
JantarMantarDharnaForBhojpuri
सबेरे दस बजे से साँझ ले दिल्ली के जंतर मंतर पर भोजपुरी के कईएक संगठन – भोजपुरी लैंग्वेज रिकग्निशन मूवमेंट के अगुआई में डिफेंडर, हमारा पूर्वांचल, लाल कला मंच, अखिल भारतीय भोजपुरी लेखक संघ, भोजपुरी भारती भोजपुरी जन-जागरण अभियान, भोजपुरी समाज (जमशेदपुर), छतीसगढ़ भोजपुरी परिषद्, पुरवैया, अल-हिन्द बारय भोजपुरी जमात (हौज़ काजी, दिल्ली), क्रिस्चियन भोजपुरी युवा मंच ( आयानगर, दिल्ली), प्रगतिशील भोजपुरी संघ (देवरिया) वगैरह – मिल के धरना दिहलें.

साँझ बेरा दिल्ली के लोदी एस्टेट का सीडी देशमुख हॉल में भोजपुरी समाज दिल्ली का तरफ से एगो विचार गोष्ठी – भोजपुरी हमार माँ : मनन, मंथन और मंतव्य – के आयोजन भइल.

एह कार्यक्रम के मुख्य अतिथि रहलन राजस्थान का सांसद अर्जुन राम मेघवाल. भोजपुरी समाज दिल्ली के अध्यक्ष अजीत दूबे गोष्ठी के बीज वक्तव्य देत बहुते प्रभावकारी तरीका से भोजपुरी के हक के आधार बतवलें. संजय निरुपम भोजपुरी में आपन बात कहलन आ देर ले धाराप्रवाह बोललन जबकि अधिकतर वक्ता एकाध लाइन भोजपुरी में बोल के हिन्दी पर उतर जात रहलन. एह कार्यक्रम के शुरूआत बतावल समय से एक घंटा देरी से शुरू भइल रहे बाकिर खुशी के बात रहल कि सभागार में निकहा लोग मौजूद रहुवे.

ओने बिहार के सारण जिला के दिघवारो में भोजपुरी के मान्यता के सवाल उठावल गइल आ साथही एह मौका पर सारण जिला के कुछ लोग के सारण रत्न के सम्मान से सम्मानितो कइल गइल. सम्मानित होखे वालन में भोजपुरी अभिनेत्री वैष्णवी शामिल रहली.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up