मोदी अचके में पाकिस्तान धमक गइलें

by | Dec 26, 2015 | 0 comments

ModiInPakistanकाल्हु रुस से अफगानिस्तान चहुँपल पीएम मोदी अफगानिस्तान में भारत के बनावल संसद भवन के उद्घाटन करे चहुँपलन. ओहिजा उद्घाटन कइला का बाद उनुकर कार्यक्रम सीधे दिल्ली लवटे के रहुवे. काल्हुए नवाज शरीफ के जनमदिन रहुवे त फोन से बधाई दिहलन. नवाज शरीफ बतवलन कि ऊ इस्लामाबाद में नइखन आ अपना घरे बाड़न जहाँ उनुका नतिनी के बिआह शनिचर का दिने होखे जा रहल बा. मोदी के नेवता दिहलें त मोदी अचानके पाकिस्तान जाए के तय कर लिहलन.
लाहौर हवाई अड्डा पर स्वागत करे मौजूद रहलन पाकिस्तान के पीएम नवाज शरीफ. ओहिजा से दुनू जने पाकिस्तानी वायु सेना के हेलीकाप्टर से एके साथ नवाज के घरे जाए ला निकललन आ ओहिजा से दुनू जने एके गाड़ी से नवाज का पैलेस चहुँपले. ओहिजो मोदी के शानदार स्वागत भइल. मोदी नवाज शरीफ के माई के गोड़ छू के प्रणाम कइलन, नतिनी के आशीर्वाद दिहलन. मोदी के स्वागत में ओहिजा शाकाहारी पकवान के इंतजाम भइल आ करीब दू घंटा एक साथे बिता के दुनू पीएम फेरू लाहौर ला रवाना भइलें.
एह अचके में भइल मोदी के पाकिस्तान यात्रा से सबले बेसी दुख हो गइल पाकिस्तानी आतंकी हाफिज सईद के आ भारत के कांग्रेस पार्टी के. कांग्रेसी बोलतुआ मोदी के पाकिस्तान यात्रा का खिलाफ जम के बयानबाजी कइलन. ओह लोग के कहना बा कि एह तरह विदेश के यात्रा ना होखे के चाहत रहुवे. पाकिस्तान जाए से पहिले मोदी ओह लोग से इजाजत ना लिहलन वगैरह वगैरह. बाकिर बाकी सगरी गोल आ इहां ले कि कश्मीरी अलगाववादीओ एह मुलाकात के स्वागत कइले बाड़ें.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up