राष्ट्रपति के पटना कार्यक्रम में बदलाव के भाजपा स्वागत कइलसि

by | Oct 11, 2013 | 0 comments

भाजपा राष्ट्रपति प्रणव मुखर्जी के पटना कार्यक्रम मे फेरबदल करे आ 27 अक्टूबर के पटना में होखे वाला नरेन्द्र मोदी के रैली से एकदिन पहिलहीं दिल्ली लवटि जाए के फैसला पर उनका प्रति आभार जतावत राष्ट्रपति के यात्रा के स्वागत कइले बिया.
पहिले बतावल गइल रहे कि राष्ट्रपति प्रणव मुखर्जी 26 अक्टूबर के पटना अइहें आ 27 अक्टूबर के आरा मे एगो कार्यक्रम मे शामिल होखला का बाद लवटीहें. एह कार्यक्रम भाजपा के रैली में आवे वाला लोग के ढेरे परेशानी झेले के पड़ीत.
इहे लेके पार्टी के महासचिव राजीव प्रताप रूडी आज सबेरे राष्ट्रपति से शिष्टाचार भेट करे गइले त राष्ट्रपति बतवनी कि उहाँ के पटना कार्यक्रम मे बदलाव कइल गइल बा आ अब उहाँके 26 अक्टूबरे के वापिस लवटी आएब.
पार्टी प्रवक्ता शाहनवाज हुसैन कहलन कि भाजपा एकर स्वागत करत बिया आ राष्ट्रपति के पटना आगमन पर उहाँके स्वागत खातिर आतुर बिया. कहलन कि बिहार खातिर अक्टूबर के दू गो दिन सौभाग्यशाली बा. 26 अक्टूबर के देश के राष्ट्रपति अइहें आ 27 अक्टूबर के भावी प्रधानमंत्री.
हालांकि जदयू नेता शिवानन्द तिवारी केहना बा कि कवनो राजनीतिक रैली का चलते राष्ट्रपति के कार्यक्रम में भइल बदलाव गलत परंपरा के शुरुआत बा.
(वार्ता)

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up