सगरी खबर भोजपुरी में (अतवार, 21 जून 2015)

by | Jun 21, 2015 | 0 comments

  • PM_Modi_on-World-Yoga-Dayआजु 21 जून का दिने दुनिया भर के 191 देशन में विश्व योग दिवस मनावल गइल. दिल्ली के राजपथ पर पीएम मोदी का संगे नाहियो त 37 हजार लोग एक जगहा पर योग क के एगो रिकार्ड बना दीहल. दिल्ली के राजपथ पर भइल पीएम के कार्यक्रम में दिल्ली के मुख्यमंत्री अरविन्द केजरौवालो शामिल भइलें. देश के मान सम्मान के अतना खास दिने कांग्रेस अध्यक्षा सोनिया गाँधी आ उपाध्यक्ष राहुल गाँधी देश छोड़ के पता ना कवना विदेश में पता ना कवन काम करत बा लोग. पूरा सोनिया खानदान आज का दिने विदेश में बा. कहाँ बा लोग, का करे गइल बा लोग, एह बारे में ना त कवनो जानकारी देले बा लोग ना हर बात पर कुकुर लेखा भूकें वाला नेशनल टीवी मीडिया के भुकनिहार.
  • शशि थरुर के कोच्ची टीम के खुलासा का बाद ललित मोदी से खार खइले कांग्रेसी परिवार का साथही दाउद गैंगो ललित मोदी के जान के पियासल बन गइल. आ एह खतरा से बाचे खातिर ललित मोदी के विदेश भागे पड़ल. अब खबर आइल बा कि पिछला साल लंदन में उनकर मुलाकार मुंबई पुलिस आयुक्त राकेश मारिया से भइल रहुवे जिनका से ललित मोदी आपन जान बचावे के गुहार लगवले रहलें. आ टीवी के भुकनिहार अब एकरो के आपन मुद्दा बना लेले बाड़े.
  • दिल्ली खातिर आजु के दिन बहुत सुहावना बन गइल जब राजपथ पर योग का आयोजन का तुरते बाद जम के बरखा भइल. दिन भर बदरी छपले रहला के अनुमान बतवले बावे मौसम विभाग.
  • केन्द्रीय मानव संसाधन विकास मंत्री स्मृति ईरानी यूपी के प्रतापगढ़ के एगो मजदूर के दू गो बेटन के आईआईटी में दाखिला के फीस माफ करा दिहले बाड़ी. खबर आइल रहुवे कि ओह मजदूर के अतना बेंवत नइखे कि ऊ एह लोग के दाखिला के फीस के जुगाड़ बइठा सको. एकरा पहिले इहो बतावल गइल रहुवे कि राहुल गाँधी फोन पर बतियवले रहले एह लड़िकन से आ सहायता के भरोसा दिहले रहलें बाकिर कुछ करे का पहिलही विदेश में फेरू कुछ दिन का अज्ञातवास पर चल गइले.
  • फिल्म डायरेक्टर आ ‘पीपली लाइव’ खातिर मशहूर भइल अनुषा रिजवी के मरद महमूद फारूकी के एगो अमेरिकी नवहिन से रेप करे का आरोप में दिल्ली पुलिस गिरफ्तार कर लिहले बिया. ऊ नवहिन आरोप लगवले बाड़ी कि ओकर रेप दिल्ली के सुखदेव विहार इलाका में भइल रहुवे आ एकर केस 19 जून के लिखावल गइल. पुलिस ओही दिने फारूकी के गिरफ्तार कर लिहलसि आ शुक का दिने अदालत में हाजिर करा के छह दिन के न्यायिक हिरासत में जेल भेज दिहलसि.
  • शनिचर का दिने भइल हाकी मैच में भारत के पुरूष टीम फ्रांस के टीम के 3 बनाम 2 गोल से हरा दिहलसि. कुछ देर ले त अइसने लागत रहुवे कि फ्रांस के टीम भारत के बरोबरी पर रोके में सफल हो जाई बाकिर खेल के 58 वां मिनट में गोल क के भारत मैच जीत लिहलसि. हालांकि भारत के महिला टीम मेजबार बेल्जियम के टीम से 1 बनाम शून्य गोल से हार गइल.
  • बिहार के मैट्रिक रिजल्ट में जमुई के सिमुलतला आवासीय विद्यालय के पहिलके बैच कमाल कर दिहलसि आ टाप टेन में शामिल 31 गो परीक्षार्थियन में से 30 गो एही स्कूल के रहले. बतावल जात बा कि एह विद्यालय के विद्यार्थियन के कापी तीन तीन बेर जँचवावल गइल.
  • बिहार के राजधानी पटना के मोइनुल हक स्टेडियम में भइल योग समारोह में भाजपा के राष्ट्रीय अध्यक्ष अमित शाह का साथ ही बिहारो भाजपा के बड़का नेता मौजूद रहले. हालांकि अमित शाह मंच पर रहला का बावजूद योग ना कइलन. जदयू के निहोरा पर चुनाव आयोग योग समारोह के राजनीतिक इस्तेमाल पर रोक लगा दिहले रहुवे. एह घरी बिहार विधानपरिषद के 24 गो सीट ला चुनाव करावे के प्रक्रिया चलत बा.
  • एक दिन पहिले इटाढ़ी के पेट्रोल पंप पर भइल लूट का खिलाफ शनिचर का दिने बक्सर जिला के सगरी पेट्रोल पंप बंद रहली स आ लोग हेने से ओने ले दउड़त रहुवे पेट्रोल आ डीजल के तलाश में.
  • सासाराम जिला के समरडीहां गांव में शुक के रात गाँवे के एगो नवही एगो गँवई डाक्टर पर अपना कट्टा से गोली चला दिहुवे. डाक्टरी करे वाला आदमी त बाच गउवे बाकिर पुलिस ओह नवही के कट्टा आ दू गो कारतूस का साथे गिरफ्तार कर लिहलसि.
  • सारण जिला के मसरख इलाका के डुमरसन गांव में एगो ट्रैक्टर से कचरा के गाँव के मुखिया रह चुकल राम अयोध्या पंडित के मेहरारू के मौत हो गइल. एह हादसा का बाद चालक भाग गउवे.
  • सारण जिला के रसुलपुर थाना के नवादा गाँव के एगो लड़िकी शनिचर का दिने अपना कोठरी में फाँसी लगा के जान दे दिहले बिया. एह बारे में गाँव में तरह तरह के खुसुरपुसुर होखत बा बाकिर केहु कुछ कहे बतावे ला तइयार नइखे.
  • छपरा-थावे रेल खंड के बड़की लाइन में बदलला का साथही मशरख महाराजगंज रेल लाइन पर अगिला साल से रेलगाड़ी चले लागी. ई जानकारी मशरख के दौरा करे आइल पूर्वोतर रेलवे के महाप्रबंधक राजीव मिश्रा शनिचर का दिने बतवले. छपरा जंक्शन के निरीक्षण कइला का बाद टीसन के हालत देखि के झुँझुवा उठलन राजीव मिश्रा आ अधिकारियन के जम के क्लास लिहलन.
  • सिवान से बरौली जाए वाली मेन रोड पर तेतहली बाजार का नियरा ट्रैक्टर से धक्का लगला का बाद मोटरसाइकि सवार एगो नवही के मौत हो गइल. गाँव के लोग लाश के थाना का सोझा राख के जम के प्रदर्शन कइले आ ट्रैक्टर जब्त करे आ चालक के गिरफ्तार करे के मांग कइले.
  • देवरिया कोतवाली इलाका के एगो गांव के आशा कार्यकर्ता सोहनाग मोड़ का लगे अपना पर फब्ती कसे वाला एगो नवही के पिटाई क दिहलसि. ओहिजा मौजूद लोग बीच बचाव क के ओह नवही के छोड़ावल आ पुलिस बोला के सँउप दीहल.
  • बलिया देवरिया के जोड़े वाला भागलपुर पुल के मरम्मत के काम में आइल तेजी देख के अब उमेद होखे लागल बा कि अगिला महीना से एह पुल पर चारपहियो वाहन चल सकी. भारी गाड़ियन के आवाजाही शुरु होखे में अबहीं अउरी समय लागे के अनेसा बा.
  • गरमी के छुट्टी मनावे अपना ममहर आइल दू गो बच्चा गाजीपुर जिला के उसिया गांव में एगो पोखरा में नहात घरी डूब गइलें.
  • गोरखपुर के कौड़ीराम कस्बा के एगो दुकान में शुक का दिने लागल आग से झँउसल महतारी बेटी के मौत शनिचर का दिने मेडिकल कालेज अस्पताल में हो गइल.
  • वाराणसी के अस्सी घाट पर शनिचर का दिने दोस्तन संगे घूमे आइल एगो बीटेक छात्र नहात घरी डूब गइल. बाद में गोताखोर ओकर लाश निकलले.
  • न्यूज हंट पर टटका खबर पढ़ेवालन से निहोरा बा कि आपन प्रतिक्रिया भा सुझाव http://www.tatkakhabar.com पर जा के दीं.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up