सगरी खबर भोजपुरी में (अतवार, 28 जून 2015)

by | Jun 28, 2015 | 0 comments

  • रोजे एगो नया विवाद जनमावत ललित मोदी अब खुलासा कइले बाड़म कि भारतीय क्रिकेट टीम के खास खिलाड़ियन में शामिल सुरेश रैना आ रविंद्र जडेजा सट्टेबाजी में शामिल रहले आ ललित एह बारे में आईसीसी के सीईओ डेविड रिचर्डसन का लगे शिकायत भेजलहु रहलन. ललित मोदी के कहना बा कि एह गलत काम में ड्वेन ब्रावो नाम के वेस्टइंडीज के खिलाड़िओ शामिल रहलन.
  • प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी आजु अतवार का दिने अपना रेडियो कार्यक्रम ‘मन की बात’ के जरिए फेरू देशवासियन के संबोधित करीहें आ मीडिया कान लगवले बिया का ऊ आजु ललित मोदी विवाद पर आपन चुप्पी तूड़ीहें. एकाध गो एंकर त पागल होखे का सीमा में चल गइल बाड़े कि उनका लगाता भूंकला का बावजूद मोदी सरकार के कान पर कुछ सुनात नइखे बुझात.
  • प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी आजुए अपना संसदीय निर्वाचन क्षेत्र वाराणसिओ के यात्रा पर आवे वाला बाड़न जहाँ बाबतपुर हवाई अड्डा पर राज्यपाल राम नाईक आ मुख्यमंत्री अखिलेश यादव उनकर अगवानी करीहें.
  • बाल विकास मंत्रालय के एगो सर्व का बाद पता चलल बा कि यूपी के बचवा सब नाट होखल जात बाड़न. तीन बरीस के लड़िका के लंबाई यूपी में 94.9 का जगहा महज 89 सेंटीमीटर आ तीन बरीस के लड़िकियन के लंबाई 93 सेंटीमीटर का जगहा महज 88 सेंटीमीटर मिलत बा. हालांकि लखनऊ आ इलाहाबाद के सर्वे में बचवन के लंबाई ठीकठाक मिलल बा.
  • अब जब केन्द्र सरकार के कहना बा कि ऊ ललित मोदी का खिलाफ रेड कार्नर नोटिस जारी करवावे के कोशिश में बिया तब ललित मोदी के ट्वीट आइल बा कि पीएम मोदी सधल खिलाड़ी हउवन आ जब कवनो काम ठान ले ले त करिए देखावेलें.
  • ब्रिटेन की पुलिस शनिचर का दिने लंदन में सशस्त्र बल दिवस के मौका पर होखे वाला परेड के निशाना बनावत हमला करे के इस्लामी आतंकी संगठन इस्लामिक स्टेट के साजिश विफल करा दिहलसि.
  • उत्तराखंड में भारी बरखा का चलते राह मुश्किल हो गइला का बाद केदारनाथ के यात्रा 30 तारीख तक ले बंद क दीहल गइल बा. हालांकि समरथ के कवनो बाधा ना आवे का अंदाज में हेलीकाप्टर से जाए वाला लोग के यात्रा जारी रही.
  • गुजरात में भइल बरखा का चलते आइल बाढ़ में ओहिजा नाहियो त 9 गो शेरन के मौत हो गइल बा. ई सगरी शेर पानी में डूबला का चलते मर गइले.
  • काल्हु देश के कई राज्यन के मिला के कुल छह गो विधानसभा सीट पर भइल चुनाव में तमिलनाडु के राधाकृष्णन नगर विधानसभा सीटो शामिल रहुवे जहवां से जयललिता चुनाव लड़ल बाड़ी.
  • केन्द्रीय कृषि मंत्री राधामोहन सिंह के कहना बा कि बिहार सरकार पूसा में खुले वाला कृषि अनुसंधान संस्थान खातिर जमीने नइखे देत एही चलते अब एकर शिलान्यास झारखंड के बरही में करावल जात बा. बतवलन कि बिहार के चार गो जिला में कृषि काॅलेज खोले के योजना बा बाकिर बिहार सरकार जमीने नइखे देत.
  • अपना नौकर साथे मारपीट करे वाली औरत के पति आ न्‍यूज़ीलैंड में भारतीय उच्‍चायुक्‍त रवि थापर के नई दिल्‍ली मुख्‍यालय में वापिस बोला लीहल गइल बा. सरकार अब एह मामिला के जांच करवाई.
  • दिल्‍ली के एगो यौन उत्पीड़न के केस में आरोपी आ टेरी के महानिदेशक आर. के. पचौरी के अपना एगो संबंधी के अंतिम संस्‍कार में शामिल होखे खातिर अमरीका जाए के इजाजत दे दिहलसि. बाकिर एही देश में आसाराम बापू के एही तरह का मामिला में इजाजत ना मिलल रहुवे. साध्वी प्रज्ञा ठाकुर के बरीसन से जेल में राख के पीड़ा दिहलसि यूपीए सरकार आ उनुका अपना बापो के मौत का बाद जमानत ना दीहल गइल रहे. प्रज्ञा ठाकुर पर आजु ले चार्ज शीटो दाखिल नइखे कइल गइल आ कैंसर के मरीज होखला का बावजूद उनुका के जमानत नइखे दीहल जात.
  • ग्रीस संकट से उबरे खातिर यूरो क्षेत्र के वित्त मंत्रियन के बइठक ब्रसेल्स में जारी बा. ग्रीस करजा चुकावे का बारे में जनमत संग्रह करावे के बात कहि के मामिला अउरी अझूरा दिहले बावे.
  • भारत के प्रतिष्ठित फिल्म निर्देशक रहल स्वर्गीय सत्यजीत रे के संयुक्त राष्ट्र का तरफ से सम्‍मानित कइल गइल बा आ उनुकर तस्वीर संयुक्त राष्ट्र मुख्यालय में लगा के उनुकर योगदान याद कइल गइल बा.
  • केन्द्र सरकार के नक्सल विकास योजना के तहत मिर्जापुर जिला के सड़कन के बनावे आ मरम्मत खातिर दस करोड़ रुपिया खरच करे के मंजूरी दीहल गइल बा.
  • यूपी में मानसून बढ़िया से सक्रिय हो गइल बा आ करीब करीब हर जगहे बरखा-बूनी-झीसी-फूही पड़े के खबर बा. बरखा भइला का संगही नदियन में पानी के लेवल उठे लागल बा आ कुछ जगहा पानी खतरा के निशानो छूए का कगार पर आ गइल बा.
  • बिहार में होखे वाला विधान परिषद चुनाव खातिर राजग मिलजुल के आपन चुनाव प्रचार चलावे के फैसला कइले बावे. लोजपा का तरफ से मेडिकल इंजीनियरिंग वगैरह में दाखिला खातिर होखे वाला इम्तिहानन में फर्जीवाड़ा करे के आरोपी रंजीत डाॅन के टिकट दिहला का चलते भाजपा तनिका असहज जरूर हो गइल बिया.
  • जेल में बंद जदयू विधायक अनंत सिंह के संपत्ति के जांच अब केन्द्र सरकार के प्रवर्तन निदेशालय करे वाला बावे काहे कि अनेसा बा कि मोकामा विधायक गैरकानूनी तरीका से अथाह संपत्ति जमा कइले बाड़न.
  • जदयू से इस्तीफा दीहला का बाद सांसद रहल रंजन यादव के कहना बा कि अपना समर्थकन से विचार कइला का बादे ऊ आगे के आपन रणनिति तय करीहें. कहलन कि नीतीा का लगे कवनो जन समर्थन नइखे रहि गइल जवना चलते ऊ लालू यादव का शरण में चल गइल बाड़न.
  • शनिचर का दिने मॉनसून पूरा तरह से सगरी बिहार में चहुँप गइल आ प्रदेश के हर हिस्सा में बरखा होखे के खबर बा. तनिका देर से जरूर आइल मानसून बा‏किर जब आइल त दुरुस्त आइल बा.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up